Go to ...
RSS Feed

मनोरंजन

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 30 दिसंबर) देश राज्यसभा में लोकपाल विधेयक पर वोट ना करवलसि सरकार काहे कि ओकरा लगे बहुमत ना रहुवे. ओकर सहयोगी तृणमूल संशोधन पर मतदान करवावे खातिर डाँड़ कस लिहले रहुवे जबकि बहरी से सहायता देबे वाला बसपा, सपा, राजद वगैरह विधेयक के ओह प्रावधान का खिलाफ रहले जवना में राज्य में लोकायुक्त के

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 28 दिसंबर) देश सीबीआई आपन फाइनल रिपोर्ट में कहले बा कि स्वामी निगमानंद के जहर दे के मारे के कवनो सबूत नइखे मिलल आ ऊ अपना अनशन का चलते मरले. प्रधानमंत्री अन्ना के नाम लिहले बिना कहले बाड़न कि लोकपाल पर संसद के फैसला के सम्मान करे सभही. अन्ना हजारे खराब तबियत का चलते

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 27 दिसंबर) देश लोकसभा में कुछ संशोधन का साथे लोकपाल आ लोकायुक्त विधेयक आजु ध्वनिमत से पारित हो गइल. मतदान से पहिले सपा, बसपा आ वामदल वहिष्कार कर के सरकार के काम आसान कर दिहलें. दिन भर चलल गरमागरम बहस में भाजपा नेत्री सुषमा स्वराज विधेयक के बखिया उधेड़ दिहली. बाद में जबाब देबे

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(सोमार, 26 दिसंबर) देश लोकपाल पर काल्हु मंगल का दिने संसद में बहस करावल जाई जवना में भाजपा आ माकपा संशोधन प्रस्ताव ले आवे के कहले बाड़े. जबकि संसदीय कार्य मंत्री पवन कुमार बंसल कहले बाड़न कि विपक्ष अपना संशोधन पर जोर मत देव आ लोकपाल विधेयक के पास हो जाये देव. लोकपाल का बहाने

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 25 दिसंबर) देश राजस्थान में सरकारी डॉक्टरन के हड़ताल अतवार का दिने पाँचवो दिनजारी रहल. हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री प्रो़ प्रेम कुमार धूमल केन्द्र सरकार से प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेयी खातिर ‘भारत रत्न’ के उपाधि से अलंकृत करे के मांग कइलन. लोकपाल मुद्दा पर फेर अनशन करे जात अन्ना हजारे पर कांग्रेस फेर

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर, 24 दिसंबर) देश श्रीनगर के बड़हन आबादी वाला बुचावारा इलाका से शनिचर का दिने एगो तेंदुआ के बेहोश कर के पकड़ल गइल. एगो तेदेपा नेता टीआरएस प्रमुख चन्द्र शेखर राव के चुनौती दिहलसि कि चलऽ दुनु आदमी तेलंगाना खातिर जान दे दिहल जाव. पुलिस ओह तेदेपा नेता के गिरफ्तार कर लिहलसि. दिल्ली के इंदिरा

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 23 दिसंबर) देश कोलकाता के एएमआरआई अस्पताल जवना में लागल आग से तिरानबे लोग के मौत हो गइल रहे ओकरा निदेशकन के अदालत से जमानत ना मिलल आ सबके न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल. राजस्थान के भंवरी देवी मामिला में एगो कांग्रेसी विधायक के बहिन आ चार गो दोसरा लोग का खिलाफ अदालत

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बियफे, 22 दिसंबर) देश केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद बियफे का दिने उमेद जतवले कि लोकपाल विधेयक संसद में पारित हो जाई आ सगरी सांसदन से सहयोग करे के निहोरा कइलन. कर्नाटक के मुख्यमंत्री डी॰वी॰ सदानन्द गौड़ा बियफे का दिने विधान परिषद उपचुनाव जीत लिहले. गायब भंवरी देवी के पति अमरचंद के अदालत न्यायिक हिरासत

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 21 दिसंबर) देश पहिले केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल ए. राजा के तब के एगो सहयोगी बुध का दिने अदालत के बतवलसि कि ओकरा अपना निजी जानकारी से मालूम बा कि कलैगनार टीवी टाटा स्काई सेवा में देखावल जाये वाला चैनल में शामिल रहे. इंदौर परिक्षेत्र के पुलिस महानिरीक्षक अनुराधा शंकर कहले बाड़ी कि झांसी

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 20 दिसंबर) देश वार रूम लीक मामला में लंदन के अदालत ने रविशंकरन के प्रत्यार्पण का बारे में सबूत सकार लिहलसि. झारखण्ड के 82 विधायकन में से 19 गो विधायक अबले अपना संपत्ति के घोषणा कइले बाड़े. एहमे कवनो मंत्री शामिल नइखन. राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील आजु नौसेना दिवस पर आईएनएस सुभद्रा पर सवार होके

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 18 दिसंबर) देश अतवार का दिने जयपुर में केंद्रीय संचार राज्यमंत्री सचिन पायलट एगो नया योजना के शुरूआत कइलन जवना में लोग आपन फोटो वाला डाक टिकट पच्चीस रुपिया में लगा के डाक भेज सकी. हालैन्ड में ई सुविधा पहिले से बा आ ओहिजा केहु के फोटो वाला डाक टिकट छपवावल आ इस्तेमाल कइल

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर, 17 दिसंबर) देश आजु अदालत में गवाही देत सुब्रह्मण्यम स्वामी दावा कइलन कि 2जी घोटाला में तब वित्त मंत्री रहल चिदम्बरम शामिल रहलें. रूस के आपन दौरा पूरा कर के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह देश खातिर रवाना हो गइलें. एह दौरा में कई गो सफलता हासिल भइल बा. अन्ना हजारे शनिचर का दिने बेंगलुरू में

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 16 दिसंबर) देश 2जी घोटाला में केंद्रीय दूरसंचार सचिव रहल सिद्धार्थ बेहुरा के जमानत याचिका खारिज आजु शुक का दिने खारिज कर दिहलसि अदालत. चिदम्बरम के इस्तीफा माँगत विपक्ष के हंगामा जा चलते संसद के कार्यवाही सोमार ले टार दिहल गइल. एगो निजी कंपनी के नाजायज फायदा चहुँपावे का आरोप का चलते विपक्ष गृह

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बियफे, 15 दिसंबर) देश प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु बियफे का दिने कहलन कि रूस दौरा पर उनुकर कोशिश दुनु देश के मौजूदा व्यापार 8.5 अरब डॉलर से बढ़ावे के रही. कहलन कि जोर रक्षा, ऊर्जा, अंतरिक्ष तकनीक अउर स्वास्थ्य क्षेत्र पर दिहल जाई. अन्ना हजारे आजु बियफे का दिने कहलन कि अगर समय के कमी

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(सोमार, 12 दिसम्बर) देश भोपाल गैस पीड़ितन के कहना बा कि भोपाल गैस दुर्घटना वाली कंपनी डाओ केमिकल्स ओलम्पिक समिति के खरीद लिहले बिया जवना चलते आयोजन समिति के अध्यक्ष सेबेस्टीन कोए ओकर बचाव करत बाड़न. 2जी मामला में एस्सार समूह के मालिकन का खिलाफ धोखाधड़ी के आरोप लगावल गइल बा. खगड़िया जिले के पसराहा

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 11 दिसम्बर) देश छत्तीसगढ़ के दूर-दराज इलाकन में सड़क बनावे खातिर राखल 3000 करोड़ रुपिया के इस्तेमाल कई साल से नइखे हो पावत काहे कि विकास आ मानवता विरोधी नक्सलियन के आतंक का चलते कवनो ठेकेदार काम करावे के तइयार नइखे होखत. जिंदगी के तरह तरह के रंगन के अपना कैनवास पर जियतार करे

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर, 10 दिसम्बर) देश कोलकाता अग्निकांड के न्यायिक जांच करावे के एलान कइली मुख्यमंत्री ममता बनर्जी. कोलकाता अग्निकांड त्रासदी के अपना तरीका से सम्हारे खातिर प्रणब मुखर्जी ममता बनर्जी के प्रशंसा कइलना. ममता बनर्जी काल्हु घंटनो ओहिजा एगो फेंड़ का नीचे प्लास्टिक के कुर्सी पर बइठ के हालात सम्हारे में लागल रहली. राजस्थान के ऊर्जा

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बियफे, 8 दिसंबर) देश राजस्थान के भंवरी अपहरण आ हत्या मामिला में भँवरी के मरद अमरचंद के गिरफ्तार कर लिहल गइल जे ओकरा अपहरण आ हत्या के आरोप मंत्री महिपाल मदेरणा पर लगवले रहुवे. सीबीआई के कहना बा कि अमरचंद ठीक से आ सही जबाब नइखे देत आ भागे के कोशिश कइलसि एहीसे ओकरा के

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 7 दिसंबर) देश राज्य सरकार का पसंद के लोकायुक्त बहाल करे से कर्नाटक राज्यपाल के इंकार पर भाजपा नाराजगी जतवलसि. हिमाचल प्रदेश के एगो बौद्ध मठ से जनवरी में जब्त भइल सात करोड़ रुपिया के विदेशी मुद्रा का मामिला में दायर आरोप पत्र में तिब्बती धार्मिक प्रमुख आ 17वाँ करमापा उग्येन त्रिनले दोरजी के

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(सोमार, 5 दिसंबर) देश भारत, जापान अउर अमेरिका का बीच तितरफा बातचीत 19 दिसम्बर के वाशिंगटन में होखे वाला बा जवना में एशिया प्रशांत इलाका के ढेरहन मुद्दन पर बातचीत होखी. विधानसभा में धान के बोरी लिहले चहुँपले एगो विधायक. एह चलते विधानसभा में नियुक्त तीन गो पुलिस अधिकारियन के मुअत्तल कर दिहल गइल. आंध्र

Older Posts››