Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

मशरख

मशरख का करमपुरा मठिया में गन फैक्टरी

सारण जिला के मशरख इलाका के करनपुरा मठिया में गैर कानूनी असलहा बनावे वाला एगो फैक्टरी के खुलासा करत सारण पुलिस ओकरा संचालक के मय असलहा गिरफ्तार करे में कामयाब हो गइल. ई फैक्टरी ओहिजा बरीसन से चलत रहुवे. मशरख में प्रेशर कूकर मरम्मति के धंधा करे वाला ई बचन शर्मा राति बेरा देशी असलहा

मशरख में सड़क हादसा से एक जने के मौत

अतवार का साँझ सारण जिला के दोकरी निवासी पेंटर तारकेश्वर साह अपना बेटा संगे घरे जात रहलन जब मशरख मलमलिया रोड पर चंदेश्वर मोड़ का लगे एगो ट्रक धक्का मार दिहलसि. धक्का लागते बेटा बाइक से फेंका गइल. दुनू जने के कचारत ट्रक वाला भाग निकलल. बाप के मौत ओहिजे हो गइल आ अस्पताल में

मिड डे मील हादसा में अर्जुन राय के झूठ पकडाइल

छपरा 13 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के मशरख के गंडामन गांव के प्राथमिक विद्यालय मे जहर वाला मिड डे मील खा के तेइस बचवन के मौत के आरोपी ओह घरी के प्रधानाध्यापिका मीना देवी के बचावे ला मीना देवी के पति अर्जुन राय के झूठ पकड़ा गइल. पुलिस अधीक्षक वरूण कुमार बतवले कि अर्जुन राय

बूढ़ के पीट पीट के मुआ दीहल गइल

छपरा 04 नवंबर (वार्ता) सारण जिला के मशरख इलाका के सपही गांव मे आजु एगो बूढ़ के पीट पीट के मुआ देबे के खबर बा. पुलिस बतावत बिया कि सपही गांव के पचास साल के सुदामा भगत के झगड़ा कवनो बात ला गाँवे के एगो लड़िका से हो गइल. एकरा बाद ओह लड़िका के परिवार

छपरा से छिटपुट

झाड़ू डंडा ले के अवैध शराब के धंधा के खिलाफ प्रदर्शन दाउदपुर (सारण) दाउदपुर थाना के दुधैला गांव में बियफे का दिने अवैध शराब के धंधा पर अंकुशा लगावे के माँग ले के एहिजा के औरत सब हाथ में झाड़ू-डंडा लेके सड़क प प्रदर्शन कइली साथ में कुछ मरद आ लड़िको रहले सँ. आरा पुल

मशरख के मीडडे मील हादसा मे प्रधानाध्यापिका आ उनुका मरद पर आरोप पत्र दाखिल

छपरा 21 अक्टूबर (वार्ता) सारण जिला के गंडामन में प्राथमिक विद्यालय मे तीन महीना पहिले भइल जहरीला मीड डे मील हादसा में 23 बचवन के मौत का मामिला में विद्यालय क तब प्रधानाध्यापिका मीना देवी आ उनुका मरद अर्जुन राय का खिलाफ पुलिस छपरा के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के अदालत मे आरोप पत्र दाखिल कर

मिड डे मील हादसा के अभियुक्त अर्जुन राय पालिग्राफी करावे से मना कइले

मशरख के बहु्चर्चित मिड डे मील हादसा के अभियुक्त अर्जुन राय के पुलिस काल्हु सोमार का दिने अदालत में पेश कइलसि. अर्जुन राय आपन पालिग्राफी टेस्ट करावे से मना कर दिहले बाड़न. (सुसा)

मशरख मिड डे मील के आरोपी कोर्ट में सरेंडर कइले

सारण जिला के मशरख के धर्मासती गंडामन प्राथमिक विद्यालय में १६ जुलाई का दिने भइल मिड डे मील हादसा के आरोपी अर्जुन राय आज छपरा के न्यायालय में सरेंडर कर दिहलन. मुख्य न्यायायिक दंडाधिकारी ए के झा के न्यायलय में सरे्डर कइला का बाद अर्जुन राय के चौदह दिन के न्यायायिक हिरासत में भेज दिहल

जदयू नेता हीरालाल राय प्रिंसिपल के निधन

सोमार का सबेरे जदयू के बड़ नेता आ प्रिंसिपल रहल हीरालाल राय के निधन हार्ट फेल भइला का चलते हो गइल. हीरालाल राय सड़सठ साल के रहलन बाकिर मोत अचके में हंदयगति रुकला से भइल. उनका निधन के जानकारी मिलते लोग उनुका गाँवे मशरख के दखिन टोला में जुटे लागल. एहमें पूर्व विधायक डा. हरेन्द्र

मशरख का स्कूल के जहर कांड में बीमार छात्रन के अस्पताल से छूट्टी मिलल

पिछला सोलह जुलाई के मशरख के धरमसती गंडामन प्राइमरी स्कूल में जहर वाला मिड डे मील खा के बीमार पड़ल छात्रन में से बाइस गो के काल्हु पटना मेडिकल कालेज से छूट्टी दे दिहल गइल. अब दू गो विद्यार्थी आ खाना बनावे वाली महिले अस्पताल में रह गइल बाड़ी. एह घटना में तेइस गो विद्यार्थियन

Older Posts››