web analytics

छरपू कुशवाहा के गोल से विधायक छरपलें

मोदी सरकार में मंत्री रहल बिहार के रालोसपा अध्यक्ष उपेन्द्र कुशवाहा अउरी मलाई काटे का लालच में एनडीए से छरप के बिहार के महागठबन्हन में शामिल हो गइल रहलें. उनुका अपना ओकात से बेसी सीट चाहत रहुवे लोकसभा चुनाव लड़े खातिर. दमड़ी के चाम गइल, कुकुर के जाति चिन्हाइल वाला कहाउत के साँच करत लोकसभा … Read more

 119 total views,  1 views today

चीन अनेरिया का साथे त कांग्रेस गद्दारन का साथे

जेल में बन्द चारा चोर लालू के ट्वीट आ फेसबुकिया बयानबाजी पर चुनाव आयोग नजर टेढ़ कइले बावे. आयोग पता लगावत बा कि लालू जेल में रहला का बादो कइसे सोशल मीडियन पर आपन बयानबाजी जारी रखले बावे. ऊ आपन अकाउन्ट खुदही चलावत बा कि ओकरा नाम के इस्तेमाल ओकर कवनो आदमी करत बा. जाँच का बादे सोचल जाई कि ओकरा पर कवन कार्रवाई कइल जाव भा ना कइल जाव.

 105 total views

महागठबन्हन के जीत का बाद एनडीए समर्थकन के पिटाई

बिहार में लालू के समर्थन से बने जा रहल नीतीश सरकार के किरिया धराई से पहिलहीं बिहार में गुण्डागर्दी आ जबरदस्ती के बोलबाला हो गइल बा. पिछला दस साल से सत्ता से अलग रहल राजद समर्थक अब आपन मनमानी शुरू क दिहले बाड़ें. एह सब गुण्डागर्दी का खिलाफ भाजपा के बड़का नेतन में शामिल सुशील … Read more

 240 total views,  5 views today

आजम खाँ के इस्तीफा : 2017 के तइयारी आ कि अफवाह

आजु मंगल का दिने यूपी के कद्दावर नेता आ मंत्री आजम खाँ के इस्तीफा के खबर जोर पकड़ लिहलसि. बतावल जात बा कि मुलायम सिंह से बहस कइला का बाद आजम खाँ इस्तीफा दे दिहलन. एह खबर के ना त सकारल जात बा ना ही नकारल. बतावल जात बा कि आजम खाँ चाहत बाड़न कि … Read more

 314 total views

अगिला साल से छोटका नौकरियन ला इंटरव्यू ना होखी

पीएम मोदी काल्हु अतवार का दिने अपना मन का बात में बतवलन कि पहली जनवरी से छोटका बहालियन में इंटरव्यू के सिस्टम खतम क दीहल जाई. केन्द्र सरकार के लागत बा कि इंटरव्यू का चलते बहाली में बदहाली आ बेईमानी के बोलबाला रहेला जबकि एह पदन खातिर इंटरव्यू के जरूरत ना होखे के चाहीं. सीधे … Read more

 235 total views

खेल शुरु होखे से पहिलहीं हरदी गुरदी बोले लागल कांग्रेस

यूपी कांग्रेस के आपन बेंवत आ औकात के बढ़िया से पता बा एही चलते अबहिऐं से बात उठे लागल बा कि यूपीओ में बिहारे का तरह भाजपा विरोधी गोलन के एकजुट क के ओही गठबन्हन में लड़े कांग्रेस. अकेले लड़ला से ओकर औकात के पता लाग जाई आ मुट्ठी भर सीट से अधिका ना जीत … Read more

 270 total views

यूपी के मंत्री ने महागठबंधन के नेतवन के धोखेबाज बतवलन

बिहार विधानसभा चुनाव में महागठबन्हन से मिलल धोखा के बात बतावत यूपी के पर्यटन मंत्री ओम प्रकाश सिंह शुक का दिने मांझी विधानसभा क्षेत्र के दाउदपुर समेत अनेके जगहा पर चुनाव सभा में बतवलन. कहलन कि ई लोग सपा आ मुलायम सिंह का साथे धोखा कइले बा आ जनता के एह लोग के झाँसा में … Read more

 225 total views

नौ मन तेल हो जाई त राधा जी नाचे लगीहें

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि एह चुनाव में अगर महागठबन्हन जीतल त देश में एगो गैर भाजपा फ्रंट बने के राह खुल जाई जवना में कांग्रेस समेत सगरी छोटका दल मिल के भाजपा के मुकाबला करे के फ्रंट बनइहें. बाकिर ई ना बतवलन कि अगर चुनाव में महागठबन्हन के बाजा बाज … Read more

 295 total views

लालू गबड़ा गइलें आ नीतीश घबड़ा ग‎इले

मानीं त विधान परिषद के 24 गो सीट खातिर करीब पूरा बिहार में करावल गइल चुनाव विधानसभा चुनाव से दू महीना पहिले करावल सर्वेक्षण कहल जा सकेला. अतना बढ़िया सैम्पल शायदे कवनो सर्वे में होला जवना में समाज के हर वर्ग, हर उमिर, आ हर तरह के लोग शामिल रहल. परिषद चुनाव के वोटर कवनो … Read more

 266 total views