महाराजगंज
(बुध, 8 अप्रैल के खबर) यमन से भारत के लोग के सही सलामत बचा निकाले के दौर बियफहु का दिने जारी रही. एह बीच सुने में आवत बा कि एगो गिरोह एगो भारतीय के बन्हक बना लिहले बा. 140 गो नर्सन के निहोरा मानत एक दिन के समय अउर दिहल गइल बा. भारत के एह
(मंगल, 31 मार्च के खबर) रेल गाड़ियन के बढ़त संख्या का चलते होखे वाला देरी कम करे खातिर रेलवे बक्सर से मोकामा का बीच, इलाहाबाद से बक्सर का बीच, आ सोननगर से धनबाद का बीच एगो रेल लाइन अउरी बढ़ावे के फैसला कइले बिया. एहमें समय जरूर लागी बाकिर रेलवे एह पर काम शुरु करे
जौनपुर जिला के महाराजगंज इलाका के कोबा गांव मे शुका का साँझ मछली मरला का बाद तालाब मे नहात घरी दू गो बच्चा डूब गइल जवना से ओकनी के मौत हो गइल. साथे नहात तीन गो दोसर बच्चा बाच गइले. पुलिस बतावत बिया कि राज कुमार के दस साल के बेटा सनी, बसहराकलां के महेन्द्र
आजमगढ जिला के महाराजगंज इलाका के तर्कवारा गाँव में शनिचर का देर रात कुछ अज्ञात हमलावर घर मे घुस के एगो बाइस साल के नवही देवनाथ के गोली मार के हत्या कर दिहले. पुलिस मामिला दर्ज कर के तहकीकात में लागल बिया. (वार्ता)
अतवार के साँझ महाराजगंज के सांसद प्रभुनाथ सिंह के काफिला दाउदपुर इलाका के जैतपुर गांव में चैम्पियन पहलवान रहल सीताराम सिंह के सराध में शामिल होखे जात रहुवे. दाउदपुर टीसन के पछिमारा समपार गेट खुलल मिलल त काफिला आगे बढ़ गइल बाकिर एही बीच सिवान का ओर से बाघ एक्सप्रेस धड़धड़ात आवत रहुवे. संजोग नीमन
नेपाल के बाल्मीकि नगर से छोड़ल पानी से महाराजगंज में नारायणी नदी के धार तेज हो गइल बा आ एकरा चलते स्परन पर दबाव बढ़ गइल बा. बंधा के जर्जर हालत का चलते प्रशासन सकपकाइल बा कि का जाने कब कहवाँ से बंधा टूट जाव. जिला में राप्ती आ रोहिन नदियनो के पानी उफान पर
सिवान जिला के महाराजगंज के काँवरियन से भरल एगो आटो कुंडा इलाका में पलट गइल जवना चलते अठारह गो काँवरिया घवाहिल हो गइले, एहमें से तीन जने के हालत बहुत खराब बा. ई लोग मंदिर में पूजा कइला का बाद नौलखा मंदिर घूमत तपोवन जात रहले जब ई हादसा हो गइल,
सिवान जिला के महाराजगंज में बुध का रात में जरती माई के मंदिर का नियरा नहर के बांध टूट गइल जवना चलते अगल बगल का खेतन में बाढ़ के पानी पसर गइल. बाँध टूटला के जानकारी मिलते इंदौली आ रामापाली के लोग ओकर मरम्मत करे के कोशिश कइल बाकिर नाकाम रहल लोग. एह बीच प्रशासन
मंगल का दिने भइल बइठक में तय भइल बा कि मेला में आर्केस्ट्रा ना बजावल जाई. देवी जागरण में कलाकार खाली भक्ति गीत गइहें. जवना अखाड़ा में एह निर्देश के पालन ना होखी ओह अखाड़ा के दड दिहल जाई.
महाराजगंज लोकसभा सीट पर भइल उपचुनाव में राजद उम्मीदवार प्रभुनाथ सिंह अपना मुकाबिले चुनाव लड़े आइल बिहार के मंत्री पी के शाही के लगभग एक लाख सैंतीस हजार वोट से हरा दिहलें. एह चुनाव के नीतीश कुमार अपना नाक के लड़ाई बनवले रहलें बाकिर सफलता हाथे ना लागल. कांग्रेस के उम्मीदवार जितेन्द्र स्वामी कवनो तरह
महाराजगंज लोकसभा सीट से उपचुनाव में राजद के प्रभुनाथ सिंह जीत का हिसाब से आगे हो गइल बाड़ें आ जदयू उम्मीदवार पी के शाही आपन हार सकार लेले बाड़ें. अबहीं अंतिम परिणाम सामने नइखे आइल. गुजरात से दूनु लोकसभा आ चारो विधानसभा सीट पर भाजपा निर्णायक बढ़त बना लिहले बिया, पश्चिम बंगाल के हावड़ा लोकसभा
बाजार सर्वेक्षण करे वाली एगो संस्था टुडेचाणक्या अपना एक्जिट पोल से अनुमान लगवले बिया कि महाराजगंज के चुनाव परिणाम चउँकावे वाला होखी. वइसे एहिजा के मतगणना काल्हु बुध का दिने होखे वाला बा आ दुपहरिया से पहिले रिजल्ट आ जाए के उमेद बा.
महाराजगंज संसदीय सीट के उपचुनाव में काल्हु सैंतालिस फीसदी वोट पड़े के खबर बा. पिछला बेर साल २००९ का चुनाव में पड़ल वोट से ई तनिके ज्यादा बा. पिछला बेर ४५.६८ फीसदी वोट पड़ल रहे. एहसे पता चलत बा कि राजनीतिक गोलन के तमाम कोशिश का बावजूद वोटरन में उछाह ना आ पावल. काल्हु २६
महाराजगंज से राजद सांसद उमाशंकर सिंह का निधन का बाद होखत लोकसभा सीट के उपचुनाव ला आजु वोट डलात बा. राजद एहिजा से उमाशंकर सिंह के धुर विरोधी रहल आ जदयू से राजद में आइल प्रभुना्थ सिंह के उम्मीदवार बनवले बिया जबकि उमाशंकर सिंह के बेटा जितेन्द्र स्वामी कांग्रेस का टिकट पर चुनाव लड़त बाड़ें.
महाराजगंज लोकसभा सीट पर होखे वाला चुनाव ला प्रचार आजु साँझ पाँच बजे से थथम जाई. एके साल खातिर होखत एह चुनाव के नीतीश कुमार आ लालू प्रसाद के नाक के सवाल बना दिहल गइल बा. दुनु तरफ से जीत खातिर हर दाँव खेले के तइयारी बा. बीच में कांग्रेसो आपन पूरा जोर लगवले बिया
महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव शांति आ बिना पक्षपात करावे ला जिला प्रशासन पन्द्रह लोग के जिलाबदर कर दिहले बा. आ सैंतीस जने के अपना थाना में सबेरे साँझ हाजिरी लगावे के आदेश दिहले बा. जिलाबदर होखे वालन में घुरापाली के राकेश सिंह भुअरा, बेलदारी गांव के खेलाड़ी राय, कोपा टंड़वा के कन्हैया सिंह, जानकी नगर कोपा
महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में सगरी दल अपना उम्मीदवार के जितावे खातिर प्रचार करे में जी जान से लागल बाड़ी सँ. सभे दावा करत बा कि ओकरे उम्मीदवार जीती बाकिर भितरे भीतर सभकर पसीना छूटत बा काहें कि जनता के मूड के थाह नइखे लागत.
सारण आ सिवान जिला के इलाका वाला महाराजगंज संसदीय सीट के उपचुनाव में दाखिल परचा में से दू गो परचा काल्हु खारिज कर दिहल गइल. अब छह जने मैदान में बाचल बाड़े. जदयू से पी के शाही, राजद से प्रभुनाथ सिंह,आ कांग्रेस से जितेन्द्र स्वामी का अलावा जनवादी पार्टी सोशलिस्ट के ओमप्रकाश सिंह, भारतीय एकता
राजद सांसद उमाशंकर सिंह के निधन से खाली भइल महाराजगंज लोकसभा सीट पर होखत उपचुनाव में स्व॰ उमाशंकर सिंह के पुत्र जितेन्द्र स्वामी कांग्रेस का ओर से उम्मीदवार बनावल गइल बाड़न. आजु मंगल का दिने ऊ आपन परचा दाखिल करीहें. आजुए राजद का ओर से प्रभुनाथो सिंह परचा भरीहें. जदयू का ओर से उम्मीदवार पी॰
राजद सांसद उमाशंकर सिंह का निधन से खाली महाराजगंज संसदीय सीट पर होखे वाला चुनाव खातिर जदयू का ओर से बिहार के मौजूदा शिक्षा मंत्री पी के शाही आजु सोमार का दिने आपन परचा दाखिल करीहें. राजद का ओर से प्रभुनाथ सिंह के उम्मीदवार बनावल गइल बा आ ऊ मंगल का दिने आपन परचा दाखिल
Older Posts››