web analytics

नेपाल के मधेसी आन्दोलन के खिलाफ बवाल करे लगलन माओवादी

नेपाल के नयका संविधान से शिकायत राखे वाला मधेसियन के आन्दोलन के कचारे खातिर नेपाल सरकार का साथही अब सत्ताधारी माओवादी बवाल पर उतर गइल बाड़ें. काल्हु भारतीय दूतावास के एगो कार के जरा दीहल गइल. हालांकि दूतावास एह खबर के खंडन करते कहले बावे कि ओकर कवनो गाड़ी नइखे जरावल गइल. अब मधेसी आन्दोलन … Read more

 60 total views

कट्टर माओवादी गिरफ्तार

मोतिहारी 05 नवम्बर (वार्ता) पूर्वी चंपारण जिला के पकडी दयाल इलाका के सिसहनी गांव से सोमार के देर रात पुलिस एगो कट्टर माओवादी उग्रवादी के गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस बतवलसि कि सूचना मिलला प सिसहनी गांव के एगो ठिकाना प छापेमारी कइल गइल त कट्टर माओवादी हरि दास के गिरफ्तार क लीहल गइल. ओकरा के … Read more

 50 total views,  5 views today

कैदी आ जेलकर्मियन के झड़प में एगो जवान घाहिल

छपरा 05 नवम्बर (वार्ता) छपरा मंडल जेल मे कैदियन आ जेल कर्मियन का बीच भइल झड़प में पुलिस के एगो जवान घाहिल हो गइल बा. आधिकारिक सूत्र बतवले कि मंडल जेल मे बंद दू दर्जन माओवादी कैदियन के भागलपुर आ सितामढ़ी मंडल जेल भेजल जात रहुवे. माओवादी एकरा खिलाफ पाँच दिन से आंदोलन करत रहले. … Read more

 51 total views

25 हजार के इनामी समेत सात गो माओवादी गिरफ्तार

मोतिहारी 24 अक्टूबर (वार्ता) नेपाल से लगल पूर्वी चंपारण जिला के कुरवाचैनपुर इलाका के गोरगामां गांव से पुलिस एगो पचीस हजार के इनामी माओवादी समेत सात गो उग्रवादियन के असलहा समेत गिरफ्तार कइले बिया. पुलिस अधीक्षक विनय कुमार बतवलन कि खुफिया जानकारी मिलला का बाद अपर पुलिस अधीक्षक.अभियान. संजय सिंह आ केन्द्रीय रिर्जव पुलिस बल.सीआरपीएफ. … Read more

 49 total views

औरंगाबाद मे विस्फोट का बाद अगल बगल के जिलन में तलाशी अभियान

बिहार के औरंगाबाद जिला में सात लोग के मरइला का बाद उग्रवाद प्रभावित गया आ रोहतास जिलन मे माओवादियन का खिलाफ तलाशी अभियान चलावल जात बा. पुलिस बतावत बिया कि औरंगाबाद से लगले गया जिला के उग्रवाद से सबले अधिका प्रभावित डुमरिया आ इमामगंज थाना के घन जंगलन मे माओवादियन के गिरफतारी ला सघन तलाशी … Read more

 73 total views

कट्टर माओवादी गिरफ्तार

सारण जिला के परसा इलाका से पुलिस एगो कट्टर माओवादी उग्रवादी के गिरफ्तार कर लिहलसि. पुलिस के सूचना मिलल रहुवे कि माओवादी दारोगा राम अपना एगो ठिकाना पर आवे वाला बा. एकरा बाद पुलिस घेरा बंदी कर के ओकरा के ध दिहलसि. हालांकि ऊ भागे के कोशिश कइलसि बाकिर भाग ना पावल. (वार्ता)  43 total views

 43 total views

भाकपा माओवादी के कट्टर उग्रवादी डा.इंदौर ठाकुर गिरफ्तार

पूर्वी चंपारण जिला के राजेपुर इलाका के उझीलपुर गांव से बियफे का दिने पुलिस एगो कट्टर उग्रवादी डा.इंदौर ठाकुर के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा मौजूदगी के खबर पा के पुलिस सीआरपीएफ का संगे छापा मरलसि आ इंदौर ठाकुर के गिरफ्तार कर लिहलसि. बतावल जात बा कि गिरफ्तारी का समय ओकरा लगे कवनो हथियार ना मिलल. … Read more

 63 total views