web analytics

तबादला करे के मौका ना मिलला से परेशान मंत्री के इस्तीफा

(टटका खबर,, शुक, आषाढ़ अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी) बिहार सरकार में समाज कल्याण मंत्री मदन सहनी काल्हु इस्तीफा देबे के आपन ट्वीट में कहलन कि जदयू विधायक राज्य के अधिकारियन के मनमानी से परेशान बाड़ें. मंत्री का स्तर से होखे वाला तबादला पोस्टिंग अधिकारिए स्तर पर हो रहल बा. एह हालात में मंत्री बनल रहला … Read more

 117 total views

मायावती जतवली समय से पहिले लोकसभा चुनाव होखे के अनेसा

चंडीगढ़,15 मार्च (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी सुप्रीमो आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल मायावती आजु अनेसा जतवली कि लोकसभा चुनाव समय से पहिले करावल जा सकेला. बसपा गोल के संस्थापक कांसीराम के जयंती का मौका पर एहिजा आयोजित पांच राज्यन के राज्य स्तरीय कार्यकर्ता सम्मेलन के संबोधित करत मायावती सचेत कइली कि आराम से … Read more

 75 total views

मूर्ति तूड़ला के खबरन से खिसिअइली मायावती

लखनऊ, 07 मार्च. लखनऊ आ पूरा प्रदेश में अपना जिनिगेए में आपन मूरती लगवावे वाली बसपा अध्यक्षा मायावती हाल के घटनन से बहुते नाराड बाड़ी. कहले बाड़ी कि भाजपा हिंसा आ नफरत के राजनीति करत बिया आ पूर्वोत्तर राज्यन में जीत के मद में चूर भाजपा कार्यकर्तन के तांडव से लोग डेरा गइल बा. आजु … Read more

 64 total views

बसपा वाली बहिना बीचे में चुनाव के बाति कहली

सोमार का दिने बसपा वाली बहिना कुमारी मायावती अनेसा कहीं भा आशा जतवली कि पीएम मोदी लोकसभा चुनाव समय से पहिलहीं करा सकेलें. आ अपना लोगन के एहला तइयार रहे के कहली. उनुका हिसाब से कांग्रेस आ भाजपा दूनू मौसेरा भाई हउवें आ दूनू दलितन के खिलाफ रहेलें. ऊ एह बाति के साफे अनदेखी क … Read more

 77 total views

उपराष्ट्रपति चुन के यौगी आ मौर्य के इस्तीफा

काल्हु भइल उपराष्ट्रपति चुनाव का बाद यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य लोकसभा सांसदी से आपन इय्तीफा दे दिहलें. योगी गोरखपुर से आ केशव फुलपुर से सांसद चुनाइल रहले हँ. एकरा साथही फुलपुर में भाजपा के अगिनपरीक्षा के संभावना बन गइल बा. सुने में आवत बा कि बसपा सुप्रीमो मायावती … Read more

 71 total views

बसपा के बहिन मायावती के नौटंकी

राय्जसभा सांसद आ बसपा के बहिन मायावती आजु राज्यसभा से इस्तीफा दे दिहली. बाकिर पूरा धेयान रखली कि उनुकर इस्तीफा सकरा ना सके. पुरनिया सांसद होखला का चलते उनुका निकहा से मालूम बा कि सांसदी से इस्तीफा महज एक लाइल के होखेला आ इस्तीफा का साथे कवनो कारण ना दीहल जा सके. बाकिर बसपा के … Read more

 78 total views

टटका खबर, 26 जनवरी 2017

आजु देश भर में 68वां गणतंत्र दिवस धूमधाम आ खुशी उल्लास का साथे मनावल जात बा. एह मौका प दिल्ली के राजपथ पर देश के सैनिक ताकत, प्रौद्योगिकी आ पुरहर सांस्कृतिक विरासत के शानदार झलक देखे के मिलल. परेड का बाद प्रंधानमंत्री दर्शक दीर्घा का लगे आ के लोगन के अभिवादन कइलें. गणतंत्र दिवस परेड … Read more

 95 total views

हाथी के चार सौ एगो साथी

यूपी चुनाव ला सबले पहिले आपन उम्मीदवारन के लिस्ट जारी क दिहली हाथी के पिलवान मायावती. आजु जारी लिस्ट में 101 नाम का साथ बसपा के 401 गो उमीदवारन के नाम के एलान हो गइल. सोनभद्र के दू गो सीट अबहीं ले तय नइखे कि जनरल रहे वाला बा कि रिजरभ. जसहीं तय होखी तसहीं … Read more

 78 total views

12 सितम्बर के कुछ अउर खबर

खा पी के हाथ झार के चल गइलें कांग्रेस के युवराज राहुल गाँधी. ना ऊ सोचलन ना उनुकर लगुआ भगुआ कि गरीब परिवार उनुका आवभगत के खरचा से कइसे निबटी. अब खबर बा कि राहुल के खाना खिआवे ला करजा उठावा वाला स्वामीनाथ के गरीब परिवार कइसे उतारी ई करजा. वइसे संस्कार रहीत एह नेता … Read more

 352 total views

सकेता में पड़ल मायावती के सफाई आजु आवे वाला बा

बसपा के नेतवन के गाली गलौज करे आ एगो नाबालिग लइकी का खिलाफ बदजुबानी कइला पर मचल बवाल का चलते सकेता में घेराइल बसपा सुप्रीमो मायावती आजु लखनऊ में मीडिया का सोझा आपन सफाई पेश करीहें. उमेद त इहो बा कि खराब तरीका से घेगा गइल मायावती अपना गोल के कुछ बड़कन नेतवन के बाहर … Read more

 140 total views

मेहरारुवन के अपमान करे वाला नसीमुद्दीन सिद्दीकी पर मुकदमा दर्ज

शुक का दिने यूपी भाजपा के उपाध्यक्ष पद से हटावल गइल दयाशंकर सिंह के पत्नी स्वाति सिंह आ महतारी का तरफ से बसपा नेता नसीमुद्दीन सिद्दीकी आ अउरिओ लोग का खिलाफ मुकदमा लिखावल गइल, मायावती के तुलना वेश्या से कइला का खिलाफ बसपा के लोग दयाशंकर सिंह का खिलाफ जुलूस निकलले रहुवे आ उहो लोग … Read more

 162 total views

प्रोमोशनो में आरक्षण देबे के माँग कइली बीएसपी सुप्रीमो मायावती

आजु राज्यसभा में सांसद आ बसपा सुप्रीमो मायावती कहली कि दलितन आ जनजातियन के सरकारी आ निजी दुनू क्षेत्र में प्रोमोशनो में आरक्षण के सुविधा दीहल जाव. संगही संगे सवर्णो लोग के रिझावे खातिर कहली कि गरीब सवर्णनो के आर्थिक आधार पर आरक्षण मिले के चाहीं. जानते बाड़ी कि अइसन होखे वाला नइखे त बाँग … Read more

 341 total views

मायावती यूपी में राष्ट्रपति शासन लगावे के मांग कइली

उत्तरप्रदेश के कानून व्यवस्था के हालात में दिन पर दिन आवत गिरावट देखत बसपा सुप्रीमो आ यूपी के मुख्यमंत्री रहल मायावती एक बेर फेरू राज्य में राष्ट्रपति शासन लगावे के माॅग कइले बाड़ी. उनकर कहना बा कि राज्य के कानून व्यवस्था रोजे बिगड़ल जात बा आ भाजपो के लोग सपा से मिल जुल के हालात … Read more

 247 total views

मायावती के जनमदिन सादगी से मनी

लखनऊ 13 जनवरी (वार्ता) बसपा सुप्रीमो मायावती के 58वाँ जनमदिन प ना त केक काटल जाई ना ही हैप्पी बर्थडे टू यू बोलल जाई. मायावती अइसन फैसला मुजफ्फरनगर के दंगा पीडितन के बेबसी आ बदतर हालत देख लिहले बाड़ी. बर्थडे भले सादगी से मनावल जाई बाकि महारैली के योजना वइसने रही जवना के योजना बनावल … Read more

 315 total views

मायावती के जन्मदिन से बसपा के चुनाव अभियान शुरू होखी

लखनऊ 17 दिसम्बर (वार्ता) बसपा आपन चुनाव अभियान अपना सुप्रीमो पार्टी अध्यक्ष मायावती के जनमदिन 15 जनवरी का दिने लखनऊ में एगो बड़हनरैली क के करी. एह बाबत काल्हु का बइठका में लीहल गइल. एह महारैली में राज्य के सगरी 403 विधानसभा इलाका के लोग शामिल होखी. हर विधानसभा इलाका से कम से कम पाँच … Read more

 55 total views

सपा आ भाजपा आपस मे मिलल बाड़े, कहली मायावती

लखनऊ 09 नवम्बर (वार्ता) बसपा अध्यक्ष आ उत्तर प्रदेश के पहिले मुख्यमंत्री रहल मायावती आरोप लगवली कि समाजवादी पार्टी आ भारतीय जनता पार्टी अपना में मिलल बाड़े आ दुनु फिरकावाराना जहर फैलावत वोट के ध्रुवीकरण करावे मे लागल बाड़े. कहली कि भाजपा मे लाल कृष्ण आडवाणी, नरेन्द्र मोदी आ राजनाथ सिंह मे मतभेद बा एह … Read more

 290 total views

मायावती कांग्रेस पर दलित विरोधी होखे के अछरंग लगवली

केन्द्र सरकार के बाहर से समर्थन देत बसपा के राष्ट्रीय अध्यक्षा मायावती काल्हु कांग्रेस पर दलित विरोधी होखे के अछरंग लगावत कहली कि जब कांशीराम के निधन भइल त एको दिन के राष्ट्रीय शोक ना घोषित कइल गइल. कहली कि ई कांग्रेस के जातिवादी सोच के सबूत ह. काल्हु कांशीराम के सातवीं पुण्यतिथि पर दिल्ली … Read more

 266 total views

मायावती का खिलाफ मामिला बंद कर दी सीबीआई

सीबीआई के सूत्र बतावत बाड़े कि जाँच एजेन्सी जल्दिए उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल आ बसपा सुप्रीमो मायावती का खिलाफ आमदनी से अधिका के सम्पत्ति होखे के मामिला बंद कर दी. कुछ समय पहिलही सीबीआई सपा मुखिया मुलायम सिंह यादवो का खिलाफ अइसने मुकदमा बंद कर दीहले रहे. सपा आ बसपा केन्द्र में यूपीए सरकार … Read more

 299 total views

राष्ट्रपति से अखिलेश सरकार बर्खास्त करे के मांग कइली मायावती

बसपा सुप्रीमो मायावती आजु अपना पार्टी के नेता लोग साथे राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी से मुलाकात क के उत्तर प्रदेश मे अखिलेश सरकार के बर्खास्त क के राष्ट्रपति शासन लगावे के माँग कइली. राष्ट्रपति के मुजफ्फरनगर आ शामली के दंगन का बारे में बतावत मायावती कहली कि प्रदेश में कानून व्यवस्था चरमरा गइल बा आ जंगल … Read more

 309 total views

अखिलेश के मंत्री मायावती के गुंडी कहले

यूपी के स्वतंत्र प्रभार राज्यमंत्री राजेंद्र सिंह राणा सहारनपुर में लैपटाप बाँटत घरी सहारनपुर में कहलन कि मायावती त गुंडी हई जे गरीबन के धन मुर्तियन में लगा दिहली. मायावती कहत बाड़ी कि सपा में गंडन के राज बा त एहिजा त चार पाँचे गो गुंडा बाड़न जिनका के उ खुद आ बलराम यादव ठीक … Read more

 317 total views