web analytics

सु्प्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि मायावती पर फेर से मुकदमा खोले के याचिका

उत्तर प्रदेश की पूर्व मुख्यमंत्री आ बसपा सुप्रीमो मायावती का खिलाफ आमदनी से अधिका के संपति होखे के मुकदमा फेर से खोलवावे के याचिका सु्प्रीम कोर्ट में खारिज हो गइल. एह फैसला का बाद मायावती के बहुते राहत मिलल होखी बाकिर अब कांग्रेस खातिर समस्या पैदा हो सकेला काहे कि अब मायावती के अंकुसा लगावे … Read more

 64 total views

संघ, विहिप आ बजरंग दल पर प्रतिबंध लगावे के माँग कइली मायावती

बसपा के जातीय सम्मेलनन के सही ठहरावत मायावती अतवार का दिने कहली को कोर्ट के लगावल रोक का बाद अब बसपा सर्वसमाज भाईचारा का नाम पर सम्मेलन कइल करी. कहली कि जाति सम्मेलन रोके से अधिका जरूरी विहिप, संघ, आ बजरंग दल जइसन संगठनन के रैली पर रोक लगावल बा जे धरम का नाम पर … Read more

 49 total views

प्रधानमंत्री बने के दावा कइली मायावती

‘तिलक तराजू और तलवार इनको मारो जूते चार’ के नारा लगावे वाली बसपा के मुखिया मायावती काल्हु ब्राह्मणन के बसपा से जोड़े खातिर लखनऊ में एगो ब्राह्मण सम्मेलन कइली जवना में लगभग तीसेक हजार लोग जुटल. मंच पर सतीश मिश्रा खास रुप से दमकत रहलें. प्रधानमंत्री बने के आपन सोच जतावत मायावती कहली कि अगर … Read more

 50 total views

मायावती सरकार में कैबिनैट सचिव रहल शशांक शेखर सिंह के निधन

बिना आईएएस रहते मायावती सरकार में कैबिनेट सचिव बने वाला शशांक शेखर सिह के लमहर बेमारी का बाद काल्हु रात दिल्ली के एगो अस्पताल में मौत हो गइल. बतावल जात बा कि उनुका कैंसर हो गइल रहे.  57 total views

 57 total views

बसपा सुप्रीमो मायावती फेर ब्राह्मणन के सहारे

काल्हु लखनऊ में आयोजित ब्राह्मण भाईचारा सम्मेलन में मायावती ब्राह्मणन के पटावे क भरपूर कोशिश कइली. ३६ गो सीट पर संसद के चुनाव के उम्मीदवारन के घोषणा कइली जवना में से१७ गो पर ब्राह्मण उम्मीदवार दिहले बड़ी. देवरिया से कमलेश शुक्ला आ बलिया से विरेन्द्र पाठक टुन जी के टिकट मिलल बा.  68 total views

 68 total views

मायावती यूपीए के साथ ना छोड़ीहें

जइसन कि उमेद रहल यूपी के मुख्यमंत्री रहल आ बसपा सुप्रीमो मायावती केन्द्र के यूपीए सरकार से समर्थन वापसी के हड़बड़ी में नइखी. आजु लखनऊ में कहली कि बसपा कार्यसमिति उनुका के अधिकार दे दिहलसि कि सही समय पर ऊ फैसला कर सकेली. पूरा खबर पढ़ी  29 total views

 29 total views

हम त साल भर कहले रहीं बाकिर एहीजा दूइये महीना में हालत खराब हो गइल बा.

यूपी के मुख्यमंत्री रहल मायावती काल्हु अपना पत्रकार सम्मेलन में अखिलेश यादव सरकार पर हमला बोलत कहली कि हम त कहलें रही कि साल भर का भितरे लोग के अहसास हो जाई कि गलती हो गइल सपा सरकार ले आ के. बाकिर हालात अतना खराब बा कि दुइये महीना में लोग मानल शुरु कर दिहल … Read more

 65 total views