Go to ...
RSS Feed

मिर्जापुर

टटका खबर, 2 फरवरी 2017, बियफे

पंजाब आ गोआ में विधानसभा चुनाव ला प्रचार के काम आजु बियफे के साँझे खतम हो गइल. एह दूनू राज्यन में परसों 4 फरवरी के वोट डालल जाई. गोपालगंज जिला के दशम अपर मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के अदालत 18 बरीस पुरान हत्या के मामिला के सुनवाई करत केस डायरी पेश ना भइला से पुलिस अधीक्षक

टटका खबर, 1 फरवरी 2017, बुध

पहिले विदेश राज्यमंत्री रह चुकल सांसद ई अहमद के मौत का बावजूद देश के अम बजट आजुवे पेश होखे जात बा. वित्त मंत्री अरूण जेटली आजु सबेरे राष्ट्रपति भवन जा के एकर औपचारिक अनुमति ले लीहलन. अबकी के बजट में रेलो के बजट शामिल रहे वाला बा आ अब रेल बजट अलगा से पेश ना

टटका खबर, 25 जनवरी 2017

दुनिया के शेयर बाजारन के रुख आ बजट से पहिले बैंकिंग अउर फाइनेंस कंपनियन के शेयर में भइल जोरदार लिवाली से आजु मुम्बई शेयर बाजार हाल के तीन महीना में सबले ऊँचाई ध लिहलसि. पांच राज्यन में होखे जात विधानसभा चुनाव के देखत चुनाव आयोग भारतीय रिजर्व बैंक से निहोरा कइले बा कि उमीदवारन के

जमीन के धंधा करे वाली मेहरारू के खून

मिर्जापुर शहर के विजयपुर कोठी मुहल्ला में मंगल का रात करोड़न के संपति के मालकिन 45 बरीस के मीना सिंह के मुँह में कपड़ा ठूंस के मुआ दीहल गइल. मौकाए वारदात पर मिलल सबूत देख के लागत बा कि कवनो जाने पहचान वाला आदमी ई खून कइले होखी. बतावल जात बा कि मीना सिंह के

अपराध आ हादसा के खबर

यूपी के बड़का भठियारन में गिनाए वाला नोएडा के चीफ इंजीनियर रहल यादव सिंह के फेरू दू दिन के रिमांड पर दिहल गइल बा. बसपा आ सपा दुनू सरकारन के दुलरुआ रहल यादव सिंह पर करोड़ों के घोटाला करे के आरोप बा. 11 फरवरी से गायब बलिया के पकड़ी इलाका के वीरपुर गाँव के दस

दुर्घटना आ अपराध के खबर

बस्ती जिला के वाल्टरगंज इलाका के खरखरा गांव का नियरा एगो गाड़ी के धक्का से दुपहिया सवार दू जने के ठाँवे पर मौत हो गइल बलिया के भीमपुरा इलाका के अहिरौली गाँव का लगे ट्रक से गिट्टी उतारत घरी भहरात गिट्टी संगे गिरे से बाँचे खातिर एगो मजदूर हड़बड़ी में उपर से जात बिजली के

रेल इंजन में आग

नयी दिल्ली से पटना जात सम्पर्क क्रांति एक्सप्रेस रेलगाड़ी के इंजन में काल्हु भोरे बिजली के शार्ट सर्किट से आग लाग गइल. आग देखते एकरा के मिर्जापुर जिला के अहिरौरा टीसन पर रोक दीहल गइल. दमकल बोलवा के आग पर काबू पावल गइल. इह बीच दोसर इंजन मंगवा के च्रेन के आगे भेजल गइल. एह

पूर्वांचल से अपराध आ हादसा के खबर

बलिया नगर से विधायक आ सपा सरकार में मंत्री रहल नारद राय का खिलाफ फर्जीवाड़ा करे का आरोप में आखिरकार केस लिखे के पड़ गइल बलिया पुलिस के. नारद राय पर आरोप बा कि उ अपना चुनाव के परचा में गलत जानकारी दिहले बाड़न. साल भर पहिले पूणे में एगो नाबालिग से कुकर्म के अछरंगी

अपराध आ हादसा के खबर पूर्वांचल से

बलिया टीसन पर शुक का दिने प्लेटफार्म संख्या 2 पर एगो अधेड़ के मौत पाला से ठिठुर के हो गइल. बतावल जात बा कि बियफे साँझे से ओकर लाश प्लेटफार्म पर पड़ल रहुवे बाकिर केहु ओहपर धेयान ना दीहल. आवत जात लोग ओकरा के सूतल सोच आगे बढ़ जात रहुवे. बाकिर शुक का दिन में

मजबूरी के फायदा उठावे का फेर में मैनजर धराइल

मिर्जापुर जिला में जीवन बीमा निगम के रामबाग शाखा के मैनेजर कमलाकर पाण्डेय के अतवार का दिने पुलिस गिरफ्तार कर लिहलस. कमलाकर पर अछरंग बा कि ऊ एगो मजबूर लड़िकी के मजबूरी के फायदा उठावे का फेर में ओकर दैहिक शोषण कइल चाहत रहुवे. बतावल जात बा कि एगो मरद मेहरारू के मौत का बाद

राजदरी आ देवदरी वाटर फाॅल के सुन्दर बनावल जाई

चंदौली जिला के राजदरी आ देवदरी वाटर फाॅल के अउरी सुन्दर आ पर्यटन जोग बनावे खातिर केन्द्र सरकार अढ़ाई करोड़ रुपिया खरच करे के मंजूरी दिहले बिया. एहीजा गेस्ट हाउस आ संपर्क मार्ग पहिले से बा आ ओकर जीर्णोद्धार कइला का साथही अउरीओ काम करावल जाई जेहसे एह इलाका में पर्यटन के बढ़ावा मिलो. केन्द्र

उपप्रमुख हत्या के केस में चार जने के नाम आइल

पिछला बुध का दिने सारण के मढ़ौरा इलाका में मिर्जापुर निवासी उप प्रमुख सुरेश्वर दीक्षित के हत्या के अछरंग ओही गाँव के मिडिल स्कूल के हेडमास्टर आ भूरिया टोला के निवासी दिनेश सिंह समेत तीन जने अउर लोग के नामे लागत बा. पुलिस के कहना बा कि ढेर दिन से चलल आवत विवाद में ई

उपप्रमुख के गोली मार के हत्या

काल्हु बुध के साँझे कुछ बदमाश सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के मिर्जापुर गाँव के उपप्रमुख सुरेश्वर चौधरी के गोली मार के हत्या क दिहले सं. हत्यारा तीन गो रहलन स. हत्या पर नाराजगी जतावत खिसियाइल लोग एगो पुलिस वाहन के जरा दीहल आ देर ले रोड जाम क के राखल आ बहुते समुझवला बुझवला

हादसा से मौत

उत्तर रेलवे के वाराणसी-जंघई रेलखण्ड पर भदोही जिला के मोढ़ टीसन का लगे आजु सबेरे एगो मालगाड़ी के एक दर्जन डिब्बा पटरी से उतर गइला का चलते एह रूट पर आवाजाही बन्द हो गइल बा. मिर्जापुर जिला के पड़री इलाका के भोजपुर पहाड़ी गांव के दू गो नवहियन के मौत एगो रेलगाड़ी से कटा के

यूपी : अपराध आ हादसा

गुजरात से कमाई क के घरे लवटत एगो नवही ट्रेन से वाराणसी आइल आ ओहिजा से प्राइवेट बस पकड़ के गाजीपुर चहुँपल. एहिजा रौजा बस स्टैंड पर उतरत घरी ओकरा के पीछे से आवत एगो ट्रक कचारत निकल गइल आ ओकर ओहिजे मौत हो गइल. नवही सुहवल थाना के बड़ौरा गाँव के रहुवे. मिर्जापुर के

मिर्जापुर के स्कूल में बिजली के तार गिरला से एक दर्जन बच्चा झउँस गइले.

मिर्जापुर जिला के मडिहान इलाका के कुबरी पटरा गांव के प्राइमरी स्कूल में काल्हु मंगल का दिने बिजली के तार गिर पड़ला का बाद करंट से एक दर्जन बच्चा झउँस गइल बाड़े. एह में चार गो के हालत खराब रहे के खबर बा.

मिर्जापुर मझवां के विधायक रह चुकल रामचन्द्र मौर्य के निधन

मझवां से विधायक रह चुकल रामचन्द्र मौर्य के शनिचर का दिने लमहर बीमारी का बाद निधन हो गइल. उनुका के लोग वाराणसी अस्पताल ले जात रहुवे बाकिर राहे में मौत हो गइल. भदोही के खम्हरिया के निवासी रामचन्द्र मौर्य भाजपा आ मिर्जापुर के कालीन आ जमीन व्यापार से जुड़ल रहलें.

रिटायर्ड जज के बेटी के अपहरण करे वाला गिरफ्तार

मिर्जापुर के देहात कोतवाली गाँव के रहे वाला एगो न्यायायिक अधिकारी बिहार के दरभंगा में जज रहलन आ रिटायर्ड भइला का बाद अपना पैतृक गाँव में आ के बस गइल रहलन. पिछला 17 तारीख के उनुका निजी गाड़ी के ड्राइवर उनका साथही एहिजा आइल रहुवे आ उनुका बेटी के घुमावे ले गइल त लवटल ना.

बलिया न्यूज (अतवार, 13 सितंबर 2015)

यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के सपना सपने रह गइल काहे कि इलाहाबाद हाई कोर्ट एह लोग के सहायक शिक्षक बना के सरकार के नियमित सेवा में ले आवे के फैसला के रद्द कर दिहलसि काहे कि एह लोग के बहाली सही तरीका से ना कइल गइल रहुवे. अदालत कहलसि कि सहायक शिक्षक

टटका खबर : अतवार, 26 जुलाई 2015 (अबेर)

257 लोग के जान लेबे वाला आतंकी याकूब मेनन के पैरवी कइला का बाद आलोचना के बाढ़ देख बालीवुड स्टार सलमान खान आपन ट्विट वापिस कर लिहलन आ लोग से माफी मँगलन कि अइसन ट्विट करे के गलती क दिहलन. बाकिर एह बीच 40 जने राष्ट्रपति का लगे गोहार लगवले बाड़न कि याकूब के फाँसी

Older Posts›› ‹‹Newer Posts