web analytics

हिन्दू मंदिरन के सरकारी कब्जा से मुक्त करे के कहलसि विहिप

(टटका खबर, सोमार, आषाढ़ अँजोरिया दशमी, 2078 विक्रमी) विश्व हिंदू परिषद देश भर के मंदिरन आ मठन से सरकारी कब्जा हटवावे के मांग कइले बा. काल्हु फरीदाबाद के मानव रचना विश्वविद्यालय में पूरा भइल दू दिन के केंद्रीय प्रन्यासी मंडल आ प्रबंध समिति के बइठक का आखिरी दिने हिंदू मंदिरन के सरकारी नियन्त्रण से मुक्ति … Read more

 211 total views,  1 views today

कोरोना से एकदिन में छह हजार से अधिका मौत

(शुक, जेठ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) एने कुछ दिन से कोरोना के कहर में कमी देखत कई एक राज्यन में लॉकडाउन में ढील देबे के शुरुआत हो गइल रहुवे. एही बीच बियफे का दिन के कोरोना के आंकड़ा जान साँसत में डाल देबे वाला आइल बा. बियफे का दिने अब तक ले के सबले बेसी … Read more

 237 total views,  1 views today

टटका खबर, बुध, चईत अँजोरिया दूज, 2078 विक्रमी

काल्हु मंगल का दिने वीडियो कांफ्रेंसिंग का जरिए रायसीना संवाद के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहनी कि आर्थिक विकास ला आन्हर दौड़ में आदमी अइसन अझूराइल कि मानवता के कल्याण पीछे छूट गइल. कहलन कि एही आपाधापी के परिणाम बा कि सगरी दुनिया आजु महामारी का गिरफ्त में आ गइल बा. कहलन कि दू … Read more

 147 total views,  1 views today

जौनपुर से मुंबई खातिर ट्रेन

काल्हु केन्द्रीय बिजली राज्य मंत्री पीयूष गोयल जौनपुर में ग्रामोदय से भारत उदय कार्यक्रम के तहत पंडित दीनदयाल उपाध्याय ग्रामीण विद्युतीकरण योजना के शुरुआत कइलन. कहलन कि केन्द्र सरकार के योजना बा कि साल 2019 ले यूपी के हर गाँव ले बिजली चहुँपा दीहल जाव. पहिले एकरा के 2022 ला पुरा करे के योजना रहुवे. … Read more

 505 total views

अदालत पूछलसि कि छठ पूजा में सेलिब्रिटी के का जरूरत

मुंबई में छठ पूजा का मौका पर जुहू बीच पर एगो कार्यक्रम आयोजित करे खाति बिहारी फ्रंट नाम के संगठन के अनुमति दिहला का बाद प्रशासन एह आयोजन में कवनो सेलिब्रिटी के बोलावे पर रोक लगा दिहले बावे. एकरा बाद बिहारी फ्रंट शिकायत ले के अदालत चहुँपल त अदालत से सवाल सुने के मिलल कि … Read more

 411 total views

परचा लीक करे का आरोप में चौदह जने गिरफ्तार

मुम्बई पुलिस पिछला महीना मुम्बई विश्वविद्यालय के दू गो इंजीनियरिंग परीक्षा के परचा लीक करे का आरोप में चौदह जने के गिरफ्तार कइले बिया आ ओह लोग के ८ जून ले पुलिस हिरासत में भेज दिहल गइल बा. एह लोगन में दू गो प्रोफेसर, चार गो चपरासी आ पांच गो छात्र शामिल बाड़े. एह लोगन … Read more

 436 total views