मुख्तार अंसारी
लोग के उमेद तूड़त मुख्तार अंसारी के जियतं बाँदा जेल चहुँपवलसि यूपी पुलिस. 900 किलोमीटर के सफर 16 घंटा में तय करे में पुलिस आपन रुट तून बेर बदललसि. जान जाईं कि एह पूरा सफर में मीडिया मुख्तार के ले आवत एंबुलेंस का साथे लागल रहली सँ. ओहू लोग के उमेद रहल होखी कि कुछ
बदनाम बाहुबली विधायक मुख्तार अंसारी का सेवा में लागल पंजाब के कांग्रेसी सरकार के एगो चूक मुख्तार का खिलाफ एगो अउरी मुकदमा के माहौल बना दिहलसि. मुख्तार के रोपड़ जेल ले जाए वाला एंबुलेंस जाँच अधिकारिन का निगाह में आ गइल बा. बुलेट प्रूफ एह एंहुलेंस के तहकीकात नया नया मामिला सोझा ले आवे लागल
मशहूर अभिनेता रजनीकांत के साल 2019 के दादासाहेब फाल्के पुरस्कार से सम्मानित करे के एलान सूचना आ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावडेकर कइले. उनुका के ई पुरस्कार अगिला महीना के 3 तारीख के दीहल जाई. घोषणा करत जावडेकर कहलन कि पचास बरीस से रजीकांत फिल्मी दुनिया के बेताज बादशाह बाड़न. उनुकर काम सूरज जइसन दमकेला. अपना
करीब बीस बरीस पहिले सारण जिला के मशरक से विधायक अशोक सिंह के भइल हत्या के दोषी मानल गइल बाहुबली आ सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह अउर उनुका भाई दीनानाथ सिंह के हजारीबाग अदालत से सुनावल गइल उमिरकैद के सजा के राँची हाई कोर्ट बहाल रखलसि. ई लोग हाई कोर्ट से गोहार लगवले रहुवे कि एह
बागपत/लखनऊ 09 जुलाई (वार्ता). उत्तर प्रदेश के बागपत जेल में आजु सोमार का सबेरे माफिया डॉन आ शार्प शूटर प्रेम प्रकाश सिंह उर्फ मुन्ना बजरंगी के गोली मारके मुआ दीहल गइल. आधिकारिक सूत्र बतावत बाड़ें कि एह मामिला के गंभीरता से लेत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दोषियन पर सख्त कार्रवाई करे के निर्देश देत घटना के
वाराणसी में बियफे का दिने देश के प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री के पुण्यतिथि पर अनेके कार्यक्रम आयोजित कइल गइल. एगो समारोह उनुका पैतृक निवास रामनगर में आयोजित भइल. राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ लखनऊ के लाल बहादुर शास्त्री भवन में आयोजित समारोह में शामिल भइनी आ आपन पुष्पांजलि अर्पित कइनी. योगी जी
नई दिल्ली में दुनिया के तमाम देशन से आइल भारतीय मूल के सांसदन के पहिलका सम्मेलन के संबोधित करत पी एम मोदी ओह लोग से गोहार कइनी कि भारत के विकास बढ़ावे में उत्प्रेरक के आपन भूमिका निबाहे. चीन के नाम लिहले बिना पीएम मोदी के कहना रहल कि भारत कबहियों कवनो दोसरा देश के
सेना आजु बुध का फजीरहीं म्यांमार का सीमा से लगल इलाका में नागा उग्रवादी संगठन नेशनल सोशलिस्ट काउंसिल ऑफ नगालिम (खापलांग) का खिलाफ एगो बड़हन कार्रवाई क के बहुते उग्रवादियन के मार गिरवलसि. सेना के कवनो जवान के हताहत होखे के खबर नइखे. कार्रवाई अपने देश के इलाका में भइल आ सीमा पार करे के
सपा से फेंका के बसपा के आँचर के छाँह लिहले बाहुबली मुस्लिम नेता मुख्तार अंसारी के पैरोल प रिहाई के आदेश के आजु दिल्ली उच्च न्यायालय रद्द क दिहलसि आ अब उनुका जेल का भितरे से चुनाव लड़े के पड़ी. मुख्तार अंसारी के मिलल पैरोल का खिलाफ चुनाव आयोग दिल्ली उच्च न्यायालय में गोहार लगवले
आजु देश भर में 68वां गणतंत्र दिवस धूमधाम आ खुशी उल्लास का साथे मनावल जात बा. एह मौका प दिल्ली के राजपथ पर देश के सैनिक ताकत, प्रौद्योगिकी आ पुरहर सांस्कृतिक विरासत के शानदार झलक देखे के मिलल. परेड का बाद प्रंधानमंत्री दर्शक दीर्घा का लगे आ के लोगन के अभिवादन कइलें. गणतंत्र दिवस परेड
दुनिया के शेयर बाजारन के रुख आ बजट से पहिले बैंकिंग अउर फाइनेंस कंपनियन के शेयर में भइल जोरदार लिवाली से आजु मुम्बई शेयर बाजार हाल के तीन महीना में सबले ऊँचाई ध लिहलसि. पांच राज्यन में होखे जात विधानसभा चुनाव के देखत चुनाव आयोग भारतीय रिजर्व बैंक से निहोरा कइले बा कि उमीदवारन के
कौमी एकता दल के नेता मुख्तार अंसारी अबकी वाराणसी सीट से चुनाव ना लड़ीहें जबकि पिछला चुनाव ऊ महज सतरह हजार वोट से हारल रहले. अबकी वाराणसी सीट से नरेन्द्र मोदी चुनाव लड़े वाला बाड़न आ उनका खिलाफ हिन्दुत्व विरोधी जमात के एक होके चुनाव लड़े के बात होखत बा. आ आपा पार्टी के अरविंद