web analytics

भाजपा विधायक सुरेशो राणा के जमानत मिलल

मुजफफरनगर 13 नवम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुजफ्फंरनगर जिला मे हिंसा भडकावे के आरोप मे गिरफ्तार भाजपा. विधायक सुरेश राणा के जमानत अरजी जिला जज मंजूर क लिहले. एकरा पहिले उनुका प लगावल रासुको अदालत हटा लिहले रहुवे. अब सुरेश राणा के काल्हु बयफे का दिने जेल से रिहा क दीहल जाई.  193 total views,  5 views … Read more

 193 total views,  5 views today

जमानत मिलला का बाद भाजपा विधायक संगीत सोम जेल से रिहा भइले

मुजफफंरनगर 11 नवम्बर (वार्ता) सहारनपुर जिला के देवबंद मे भडकाऊ भाषण देबे का आरोप मे मुजफ्फंरनगर जेल में बंद भाजपा विधायक संगीत सोम के अदालत से जमानत मिलला का बाद आजु रिहा क दीहल गइल. जान जाईं कि मेरठ जिला के सरधना विधानसभा सीट से भाजपा विधायक संगीत सोम का खिलाफं देवबंद पुलिस 17 जुलाई … Read more

 178 total views,  5 views today

दंगा के सीबीआई जांच होखो आ कवनो बेकसूर के मत फँसावल जाव रालोद

फैजाबाद से वाराणसी जाए में जौनपुर में आजु पत्रकारन से बतियावत .रालोद. के प्रदेश अध्यक्ष मुन्ना सिंह चौहान माँग कइलें कि मुजफ्फरनगर दंगा के .सीबीआई जांच करावल जाव आ दोषियन के कड़ेर सजाय दिहल जाव. बाकिर कवनो बेकसूर के फँसावल मत जाव. मुन्ना सिहं के कहना रहे कि राज्य सरकार सगरी मोर्चा पर फेल हो … Read more

 199 total views,  5 views today

मुजफ्फरनगर मे दू गो हत्या का बाद फेरू तनाव

हालही के दंगा का बाद हालात अबहीं पूरा सुधरल ना तबले कोतवाली इलाका में दू गो हत्या अउर हो गइल. एह दुनु के गोली मारल गइल बा. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया. (वार्ता)  165 total views,  5 views today

 165 total views,  5 views today

सेकूलर ताकत मिल के निपटे भाजपा से येचुरी

देश में बढ़त साम्प्रदायिक घटनन ला संघ आ भाजपा के जिम्मेदार ठहरावत माकपा नेता सीताराम येचुरी कहले बाड़न कि एह लोग के नापाक मंसूबा के पर्दाफाश करे ला लोकतांत्रिक सेकूलर आ वाम ताकतन के एकजुट कोशिश करे के चाहीं. ई बात येचुरी पार्टी के मुखपत्र पीपुल्स डेमोक्रेसी के ताजा अंक मे प्रकाशित अपना संपादकीय मे … Read more

 157 total views,  10 views today

हिन्दुअन के उत्पीडन ना रुकल त आरपार के लडाई होखी : योगी आदित्यनाथ

गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा. सांसद योगी आदित्यनाथ कहले बाड़न कि मुजफफरनगर मे सत्ता के संरक्षण मे हिन्दुअन के नरसंहार भइल आ सपा सरकार एकतरफा कार्रवाई करके हिन्दुअन के प्रताडित कइलसि. लखनऊ में जारी बयान में योगी कहले बाड़न कि मुजफ्फरनगर के घटना के सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव का तरफ से जातीय संघर्ष कहल … Read more

 206 total views,  5 views today

मुजफ्फरनगर दंगा का बाद से मुसलमान नाराज बाड़ें सपा से

उत्तर प्रदेश के राजनीति झकझोर के राख देबे वाला मुजफ्फरनगर दंगा समाजवादी पार्टी के मुश्किल बढा दिहले बा काहे कि सपा के मजबूत वोट बैंक मुसलमानन में बहुते नाराजगी लउकत बा सपा से. आगरा में भइल सपा के कार्यकारिणी में अनेके मुस्लिम नेता कहलन कि फोकट में लैपटाप बँटला का बजाय गरीबन के जान बचावे … Read more

 198 total views,  5 views today

कर्फ्यू मे पौने दू घण्टा के ढील. अब ले ४२ गो मौत

यूपी के मुजफफरनगर में काल्हु पौने दू घंटा के ढील दिहल गइल. एह दंगा में अबले ४२ गो मौत के खबर बा आ 975 लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा. एहमें से नौ जने पर रासुका लगा दिहल बा. आजुओ तीन चार घंटा के ढील मिले के उमेद बतावल जात बा. एह बीच मुजफ्फरनगर के … Read more

 133 total views,  5 views today

पूरा ताकत लगा के दंगा कचारल जरूरी बतवलन योगी आदित्यनाथ

गोरखपुर के गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि मुजफ्फरनगर समेत राज्य के अउरियो जगहन पर होखत दंगा के पूरा ताकत लगा के कचारल जरूरी हो गइल बा. योगी आरोप लगवलन कि प्रदेश में दंगा सत्ता के संरक्षण मे होखत बा. अब त ई जेहादी ताकत मीडियो के निशाना पर … Read more

 230 total views,  5 views today

मुजफ्फरनगर दंगा ला राज्य सरकार के जिम्मेदार बतवले राज्यपाल

पिछला दू हफ्ता से दंगा के आग में झँउसत मुजफ्फरनगर का बारे में केन्द्र सरकार का लगे भेजल अपना रिपोर्ट में राज्यपाल बीएल जोशी राज्य सरकार के जिम्मेदार ठहरवले बाड़न. बतावल जात बा कि राज्यपाल कहले बाड़न कि एगो छोट घटना राज्य सरकार के लापरवाही का चलते अतना बड़ बवाल हो गइल. अबही ले नाहियो … Read more

 191 total views,  5 views today