Go to ...
RSS Feed

मुलायम सिंह यादव

आजमगढ़ से अखिलेश आ आजम लड़ीहें रामपुर से

पिछला लोकसभा चुनाव में अखिलेश यादव के बाबूजी मुलायम सिंह यादव सांसद चुनाइल रहलें. अबकी ओह सीट से अब अपने लड़े के फैसला कइले बाड़न. आजु उनुका गोल से एह बाति के एलान हो गइल. मुलायम सिंह के नाम अबकी सपा के स्टार प्रचारको में शामिल नइखे कइल गइल. हालांकि ऊ सासंदी के चुनाव लड़ीहें

टटका खबर, 7 फरवरी 2017, मंगल

चारा घोटाला में सजा पा चुकल आ राजद गोल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव यूपी विधानसभा चुनाव में काल्हु से अपना दामाद के प्रचार क के समाजवादी गोल ला प्रचार करे के शुरुआत करीहें. जान जाईं जे बिहार में लालू के गोल का साथे सरकार चलावा वाला नीतीश कुमार एह चुनाव में कवनो गोल के

कहे खातिर सभे केहू आपन, आपन कहाए वाला के बा

मुलायम सिंह यादव के पारिवारिक बाकिर समाजवादी नाम से जानल जाए वाला गोल सपा में गुटबाजी के कवनो सीमा नइखे लउकत. कहे खातिर सभे केहू आपन, आपन कहाए वाला के बा, जइसन हाल हो गइल बा सपा में अखिलेश यादव के. जवन नेता चाचा शिवपाल सिंह यादव से लड़ाई में अखिलेश का साथे लउकले ओह

चाचा चोर भतीजा पाजी, केकरा सिर पर जूता बाजी

भोजपुरी इलाका में बचवन का बीच ई कहावत बहुते सुने के मिलेला कि चाचा चोर भतीजा पाजी, चचा का सिर पर जूता बाजी. ई कहावत आजु यूपी के सरकार चलावत समाजवादी पार्टी पर सटीक बइठल बा. चाचा शिवपाल आ भतीजा अखिलेश का बीच असली पावर केकरा लगा बा एकरा ले के अइले दिन रस्साकसी होत

माई के माँस खाइल कबो जायज ना हो सके

सपा मुखिया मुलायम सिंह के छोटकी पतोहु अपर्णा यादव एगो ट्वीट क के कहले बाड़ी कि गाय हमनी के माई जइसन हई आ माई के मांस खाइल कवनो तरह से जायज ना कहल जा सके. अपर्णा यादव लिखले बाड़ी कि उनकर मकसद कवनो मजहब पर कमेंट ना हो के आपन भावना जतावे के बा. गरीबन

टटका खबर : शनिचर, 25 जुलाई 2015 (दुपहरिया)

आजु शनिचर का दिने बिहार चहुँपल पीएम मोदी बिहार खातिर सौगात के पिटारा लेके आइल बाड़न आ 76 हजार करोड़ के योजना के शुुरुआत करे वाला बाड़न. उनुका साथे सरकारी कार्यक्रम में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमारो मौजूद रहीहें मंच पर. पीएम बनला का बाद पहिला बेर बिहार आइल नरेन्द्र मोदी आ बिहार के मुख्यमंत्री

टटका खबर : सबेर (बियफे, 16 जुलाई 2015)

पता ना कवना नक्षत्र के फेर बा कि जब जब पीएम मोदी के वाराणसी दौरा के कार्यक्रम बनेला तब तब बरखा उनकर आइल मुश्किल बना देले. आजुओ उनकर वाराणसी के कार्यक्रम बा आ रातही से रुक रुक के बरखा होखत बा. आजु उनुका एगो बिजली प्रोजेक्ट आ बीएचयू के ट्रामा सेंटर के उद्घाटन करे के

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 7 फरवरी 2015)

(शुक, 6 फरवरी के खबर) बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी देर रात अपना दू गो मंत्रियन – पीके शाही आ लल्लन सिंह -के बरखास्त करे के सिफारिश राज्यपाल का लगे भेज दिहले बाड़न. बाकिर एकरा से पहिलही आपन चाल चलत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव राज्यपाल के लिख भेजले बाड़न कि जीतन का

उत्तर प्रदेश मे मोदी के कवनो असर नइखे आ सरकार तिसरके मोर्चा के बनी, कहलन मुलायम

हरदोई 10 नवम्बर (वार्ता) सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव कहलन कि उत्तर प्रदेश मे नरेन्द्र मोदी के कवनो असर नइखे आ केन्द्र में अगिला सरकार तिसरके मोर्चा के बनी. मुलायम यादव एहिजा नरेश अग्रवाल के पोता आ प्रदेश सरकार मे राज्यमंत्री नितिन अग्रवाल के बेटा के नामकरण संस्कार समारोह में शामिल होखे आइल रहलन आ

सपा मुलायम सिंह के मोदी से बेहतर प्रधानमंत्री साबित होखे के बात कहलसि

लखनऊ 22 अक्टूबर (वार्ता) समाजवादी पार्टी भाजपा. पर पिछडन मे फूट डाले के आरोप लगावत कहलसि कि मुलायम सिंह यादव गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी से बढ़िया प्रधानमंत्री साबित होखीहें. अतिपिछडल सत्रह गो जातियन के अनुसूचित जाति मे शामिल करावे ला अगिला 24 अक्टूबर से शुरु होखत सामाजिक न्याय रथ यात्रा आ अधिकार रथ यात्रा

मुलायम का खिलाफ मामिला बंद कइलसि सीबीआई

केन्द्र के संप्रग. सरकार के बाहर से र्समथन देत समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव आ उनुका परिवार का खिलाफ जायज आमदनी से अधिका के संपति होखे के मुकदमा सीबीआई.अब बंद कर दी काहे कि ओकर कहना बा कि एह लोग का खिलाफ ओकरा लगे सुबूत नइखे. उच्चतम न्यायालय पिछला साल व्यवस्था दिहले रहे

आगरा में सपा राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठक से आजम खाँ गैरहाजिर

आगरा के पाँच सितारा होटल में होखत समाजवादी पार्टी के दू दिन के राष्ट्रीय कार्यकारिणी बइठक से पार्टी के अकेला मुस्लिम चेहरा गैर हाजिर बा. कहल जात बा कि उनुका वायरल बोखार हो गइल बा. बइठक के उद्घाटन करत अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव अपना कार्यकर्ता लोग के अगिला लोकसभा चुनाव ला तइयार रहे के कहलन.