web analytics

भतरा मरे त मरे, सउतिनिया राँड़ होखे के चाहीं

देश के चार गो राज्यन आ एगो केन्द्र शासित प्रदेश के विधानसभन के चुनाव परिणाम आवल जारी बा. अबहीं आखिरी परिणाम नइखे आइल बाकिर कांग्रेस के खुशी के ढिकाना नइखे. ओकरा लागत बा कि भाजपा के हार हो गइल एहसे बड़हन खुशी का हो सकेला.असम में भाजपा दुबारा सरकार बनाई, पुड्डुचेरी में कांग्रेस के हरा … Read more

Loading

इस्लामिक कानून के जानकार मुफ्ती सुहेल समेत 10 गो आतंकी धरइलें

काल्हु बुध का दिने एनआईए यूपी आ दिल्ली में 17 जगहा छापा मार के देश के बम धमाकन से दहलावे के साजिश में लागल मुफ्ती सुहेल समेत 10 गो आतंकियन के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से बहुते सारा विस्फोटक सामान, असलहा वगैरह बरामद भइल बा. ई मुसलमान गिरोह अंतर्राष्ट्रिय इस्लामी आतंकी संगठन इस्लामिक … Read more

Loading

मुसलमान नइखन चाहत कि तीन तलाक का खिलाफ कानून बने

पटना 15 अप्रैल (वार्ता). इमारत-ए-शरिया का ओर से अतवार का दिने बोलावल गइल “दीन बचाओ, देश बचाओ” सम्मेलन में मुस्लिम नेता लोग एक चुर से नरेन्द्र मोदी सरकार से तीन तलाक बिल वापस लेबै के मांग कइल आ कहलसि लोग कि मुसलमानन के डरवावे के कोशिश बंद करे के कदम उठावे सरकार. आरोप लगावल लोग … Read more

Loading

दलितन के प्रदर्शन में जमके शामिल भइलें देशद्रोही आ हिन्दू विरोधी जमात

नयी दिल्ली 02 अप्रैल. अनुसूचित जाति अउर जनजाति अत्याचार निवारण अधिनियम में से तत्काल गिरफ्तारी के प्रावधान पर सुप्रीम कोर्ट के रोक लगवला का बाद देश के विपक्षी गोलन के मौका मिल गइल देश भर में दलितन के उकसा के बवाल करे आ हिन्दूवन के अपने में लड़ावे भिड़ावे के. एहमें मुसलमान अनेरियो सब खुलेआम … Read more

Loading

टटका खबर, 11 फरवरी 2017, शनिचर

सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आपत्तिजनक फोटो पोस्ट करे वाला मोबाइल दूकानदार के गाजीपुर पुलिस गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. कासिमाबाद में मोबाइल के दुकान चलावे वाला सोनबरसा गांव के बरक्कत राईनी अपना मोबाइल से सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री के आपत्तिजनक तस्वीर पोस्ट कइले रहल. एकरा खिलाफ संघ के ब्रजभूषण सिंह आ … Read more

Loading

सरकार अब से ना बताई कि पुलिस में कतना मुसलमान

केन्द्र सरकार फैसला कइले बिया कि अब से पुलिस महकमा में मुसलमानन के गिनती के आंकड़ा जाहिर ना कइल जाई. बरीस 1999 में राजगे का सरकार का समय एह आंकड़ा के जारी करे के फैसला लीहल गइल रहुवे. खास बात बा कि एह तरह के आंकड़ा खाली मुसलमानने का बारे में दीहल जात रहुवे. दोसरा … Read more

Loading

टटका खबर : अतवार, 2 अगस्त 2015 (सबेर)

भाजपा सरकार में पद ना मिलला से कुछ लोग के पादे के आदत पड़ गइल बा आ गाहे बगाहे कुछ ना कुछ बोकरत रहेला लोग. आतंकी याकूब के खुलेआम पैरवी करे वाला बिहारी बाबू का बाद अब यूपी के वरुण बाबू सामने आइल बाड़न. वरुण के कहना बा कि अधिका फाँसी गरीबे आ मुसलमानन के … Read more

Loading

पिछड़ा वर्ग के आरक्षण मे से दू तिहाई हिस्सा मुसलमानन के देबे के साजिश

एटा 16 जनवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल एटा के सांसद कल्याण सिंह आरोप लगवले बाड़न कि कांग्रेस, सपा आ बसपा मिल के पिछड़ा वर्ग के मिलल आरक्षण के फायदा मुसलमानन के देबे के साजिश रचत बाड़ी स. कहलन कि मुस्लिम आरक्षण का बाद पिछड़ा वर्ग के मिले वाला सताइस फीसदी आरक्षण में … Read more

Loading

मुजफ्फरनगर दंगा का बाद से मुसलमान नाराज बाड़ें सपा से

उत्तर प्रदेश के राजनीति झकझोर के राख देबे वाला मुजफ्फरनगर दंगा समाजवादी पार्टी के मुश्किल बढा दिहले बा काहे कि सपा के मजबूत वोट बैंक मुसलमानन में बहुते नाराजगी लउकत बा सपा से. आगरा में भइल सपा के कार्यकारिणी में अनेके मुस्लिम नेता कहलन कि फोकट में लैपटाप बँटला का बजाय गरीबन के जान बचावे … Read more

Loading

जब गुजरात के मुसलमान भाजपा के वोट दे सकेलें त बाकीओ देश के मुसलमान काहे ना

आजु दिल्ली में भाजपा के चुनाव अभियान समिति के बइठका में भाजपा के सगरी नेता मौजूद रहलें. एहमें अध्यक्ष राजनाथ सिहं, पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी. लोकसभा में नेता विपक्ष सुषमा स्वराज आ राज्यसभा में नेता विपक्ष अरुण जेटली समेत सगरी बड़का नेता मौजूद रहलें. बइठक के अध्यक्षता गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी कइलन. बइठक में … Read more

Loading

जेल में बंद मुसलमानन का बारे में निमेष रिपोर्ट सकारल लिहलसि यूपी सरकार

उत्तर प्रदेश के सपा सरकार जेलन में बंद मुसलमानन का बारे में निमेष आयोग के रिपोर्ट सकार लिहले बिया आ अब एकरा के विधानसभा के अगिला सत्र में सदन में राख दिहल जाई. ओने इलाहाबाद उच्च न्यायालय अपराधियन पर से मुकदमा हटावे के यूपी सरकार के कोशिश पर रोक लगा दिहले बिया.

Loading

मुलायम के चुनौती दीहें बुखारी

दिल्ली जामा मस्जिद के शाही इमाम अहमद बुखारी कुछ दिन पहिले सपा से नाराज होके आपन नाता तूड़ लिहले रहुवन. अब मुलायम का इलाका में सभा कर के बुखारी मुलायम के पोल खोले के धमकी दिहले बाड़न. २१ अप्रेल के एगो सभा में बुखारी मुसलमानन संगे मुलायम के धोखेबाजी के पोल खोलीहें. ओने सपा के … Read more

Loading

इमाम बुखारी सपा से नाता तूड़लन

दिल्ली जामा मस्जिद के शाही इमाम अहमद बुखारी शनिचर का दिने सपा से नाता तूड़े के एलान करत कहलन कि उनका दामाद विधान परिषद सदस्य उमर अली खाँ आ नागरिक सुरक्षा परिषद के अध्यक्ष वसीम अहमद खाँ के इस्तीफा मुलायम सिहं यादव का लगे भेज दिहल गइल बा. इमाम के आरोप बा कि सपा अपना … Read more

Loading

कचहरियन मे भइल विस्फोट के मुकदमा वापिस ना लिहल जाई

उत्तर प्रदेश सरकार विधानसभा में साफ कर दिहलसि कि लखनऊ, फैजाबाद, आ गोरखुपुर के कचहरियन में कइल विस्फोट से जुड़ल मुकदमा सरकार वापिस ना ली. कहलन कि सरकार एह पर कवनो सोचो विचार नइखे कइल जात. एहिजा ई बतावल जरूरी लागत बा कि सपा अपना चुनावी वादा में कहले रहुवे कि ढेर दिन से जेल … Read more

Loading