Go to ...
RSS Feed

मेडिकल काॅलेज

चन्दौली में मेडिकल काॅलेज

वाराणसी के अगल बगल के इलाका के लोग के बढ़िया इलाज मुहैया करावे ला यूपी सरकार चंदौली में सरकारी मेडिकल काॅलेज खोले के फैसला लिहले बिया. एही महीना में एकर नींवो डाल दीहन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव. एह मेडिकल काॅलेज में 150 सीट पर एमबीबीएस कोर्स के दाखिला मिले के बात बतावल जात बा. मोदी सरकार

बिहार सरकार पाँच गो नया मेडिकल काॅलेज खोले के एलान कइलसि

बियफे का दिने स्वास्थ्य विभाग के समीक्षा बइठक में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बिहार के स्वास्थ्य क्षेत्र के बरियार बनावे ला अनेके बड़हन फैसला लिहलन. राज्य में पाँच गो नया मेडिकल काॅलेज, सगरी मेडिकल कॉलेजन में नर्सिग कॉलेज, अनुमंडलन में एएनएम स्कूल आ हर जिला में जीएनएम स्कूल खोले के फैसला लीहल गइल बा.