Go to ...
RSS Feed

मेडिकल कॉलेज

छपरा न्यूज, 29 मई 2016

जेपी विश्वविद्यालय के तिसरका दीक्षान्त समारोह में बिहार के राज्यपाल आ कुलाधिपति रामनाथ कोविंद जी का हाथे 14 गो छात्रावन समेत कुल्ह 267 गो विद्यार्थियन के उपाधि दीहल गइल. एह मौका पर कुलाधिपति कोविंद सारण के माटी के सपूतन – देशरत्न राजेन्द्र प्रसाद, मजहरुल हक, गौतम ऋषि, ऋषि दधिचि, राजा मोरध्वज, भिखारी ठाकुर, राहुल सांस्कृत्यायन,

यूपी में मेडिकल कॉलेजन में 1740 सीट बढ़ी

यूपी में डाक्टरन के कमी देखत सरकार के फैसला बा कि राज्य में एमबीबीएस कोर्स में दाखिला के 1740 सीट बढ़ावल जाई. सरकार चिकित्सा विभाग के एह दिसाईं सगरी इन्तजाम तेजी से करे के निर्देश दे दिहले बिया. एह काम खातिर पहिले से मौजूद 13 गो मेडिकल कॉलेजन का अलावे जौनपुर, चंदौली आ नजीबाबाद में

सरकारी मेडिकल कॉलेजन का अगल बगल में कवनो नर्सिंग होम ना रही

बिहार सरकार अपना मेडिकल कॉलेज के दुर्दशा से परेशान होके सोचत बिया कि सरकारी मेडिकल कॉलेजन के पाँच किलोमीटर के दायरा में नर्सिंग होम खोले पर रोक लगा दिहल जाव. सरकार इहो तय कइले बिया कि दरभंगा आ भागलपुर मेडिकल कॉलेजन में दू दू सौ विद्यार्थियन के पढ़ावे लायक सुविधा मौजूद करा दिहल जाव. अबहीं

बिहार में बीस गो अउरी मेडिकल कॉलेजन के जरूरत बा

काल्हु देवकली बलदारीचक में लार्ड बुद्धा इंटरनेशनल इंस्टीच्यूट आफ मेडिकल साइन्सेज के शिलान्यास करत नीतीश कुमार बतवलें कि राष्ट्रीय मानक का हिसाब से राज्य मे बीस गो अउरी मेडिकल कॉलेजन के जरूरत बा आ सरकार एह दिसाईं लागल बिया, अबहीं बिहार में छह गो मेडिकल कॉलेज बाड़ी सँ. एह साल बेतिया आ पावापुरी के दू

पटना के आईजीएमआई में एडमिशन पर लागल रोक हटवलसि आईएमसी

पटना के इंदिरा गाँधी आयुर्विज्ञान संस्थान मे नया सत्र में विद्यार्थियन के दाखिला पर लगावल रोक मेडिकल काउन्सिल हटा लिहलसि आ अब एह संस्थान में एह साल एडमिशन होखी. साथ ही बेतियो के सरकारी मेडिकल कॉलेज में नया दाखिला पर लागल रोक हटे के उमेद बन गइल बा. एह मेडिकल कॉलेज में सौ सीट पर

मधेपुरा में मेडिकल कॉलेज के शिलान्यास कइलें नीतीश कुमार

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु मधेपुरा में बिहार के सातवाँ मेडिकल कॉलेज के शिलान्यास कइलें. एकरा के चार साल का भीतरे बना लिहल जाई आ तबले मेडिकल कॉलेज अस्पताल मधेपुरा के सदर अस्पताल में चलावल जाई. कहलन कि सगरी पद बना लिहल गइल बा, एक सौ विद्यार्थियन के नामो लिखा गइल बा.

जनदाहा में मेडिकल कॉलेज के शिलान्यास

वैशाली जिला के जनदाहा में आजु एगो निजी मेडिकल कॉलेज के शिलान्यास करीहें मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे आ शिक्षा मंत्री पी॰के॰ शाही मौजूद रहीहें. एह कालेज के स्थापना डा॰ अजय कुमार करावत बाड़न. बतावल जात बा कि एह मेडिकल कॉलेज में एक सौ सीट पर प्रवेश लिहल जाई. बिहार के

डेढ़ सौ डाक्टरन के डाक्टरी करे पर रोक

सुप्रीम कोर्ट के आदेश का बाद देश के तीन गो मेडिकल कॉलेज से पास होके निकलल डेढ़ सौ डाक्टरन के प्रैक्टिस खातिर अयोग्य घोषित कर दिहल गइल बा. सुप्रीम कोर्ट के आदेश दिल्ली अउर पंजाब आ हरियाणा हाईकोर्टन के आदेश के पलट के आइल बा. सु्प्रीम कोर्ट कहले बा कि कवनो कॉलेज अपना मनमर्जी से