Go to ...
RSS Feed

मोतिहारी

भोजपुरी पट्टी से 15 गो खबर, 7 मई 2018, सोमार

जहराइल खाना खा के 100 लोग बीमार आरा 07 मई (वार्ता) भोजपुर जिला के पीरो इलाका के बरौली गांव के अक्षय लाल का घरे शादी का दौरान खाना खइला का बाद करीब 100 लोग के तबियत खराब होखे लागल आ कै करे लागल लोग. सभका के आरा आ पीरो के अस्पतालन में भर्ती करावल गइल.

गैंग रेप का बाद नाबालिग बच्ची के हत्या

मोतिहारी 15 अप्रैल (वार्ता). पूर्वी चंपारण जिला के सुगौली इलाका के रौशनपुर सपहा गांव में दिशा मैदान ला गइल नाबालिग से गांवे पूर्व मुखिया के बेटा अपना संघतियन साथे रेप क के ओकर गला दबाके मुआ दिहलसि. पुलिस सूत्र बतवलें कि रौशनपुर सपहां गांव में अपना भउजाई साथे शनिवार राति घर से दिशा मैदान ला

प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी घूस लेत धराइल

मोतिहारी, 05 अप्रैल (वार्ता). बिहार राज्य सतर्कता अन्वेषण ब्यूरो आजु पूर्वी चम्पारण जिला में एगो प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी के 65 हजार रुपिया घूस लेते में धर लिहलसि. ब्यूरो के आधिकारिक सूत्र बतवलें कि पकड़ीदयाल इलाका के राजेपुर नवादा निवासी शिक्षक कृष्णदेव राम ब्यूरो से लिखित शिकायत कइले रहलन कि पिछला नव महीना से उनुकर तलखाह

मोतिहारी में एगो नवही के लाश मिलल

मोतिहारी 04 अप्रैल (वार्ता). पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी नगर इलाका के आर्यनगर जानपुर मुहल्ला से पुलिस आजु एगो नवही के लाथ बरामद कइलसि. पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि आर्यनगर जानपुर मुहल्ला को बँसवारी में एगो पेड़ पर एह नवही के लाश लटकल रहुवे. ऊ एही मुहल्ला के रहे वाला 22 बरीस के अफरोज रहल.

भोजपुरी पट्टी से 14 गो खबर, 21 मार्च 2018, बुधवार

सोनभद्र में ट्रक के धक्का से एक आदमी के मौत सोनभद्र, 21 मार्च (वार्ता) चोपन इलाका में कोटा ग्राम पंचायत के रानीताली के ओम प्रकाश (40) बुध का साँझ वाराणसी-शक्तिनगर सड़क पार करत रहलें जह डाला का ओर से आवत एगो ट्रक उनुका के धक्का मार दिहलसि आ ऊ गिर के ओकरा चक्का का नीचे

File Photo of Sushil Modi

टटका खबर, 5 मार्च 2018, सोमार

बिहार में वित्तीय प्रबंधन प्रणाली 01 अप्रैल से ऑनलाइन हो जाई पटना 05 मार्च (वार्ता). बिहार के उप मुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी सोमार का दिने एलान कइलन कि राज्य का वित्तीय प्रबंधन में पारदर्शिता ले आवे खातिर 01 अप्रैल से ऑनलाइन व्यापक वित्त प्रबंधन प्रणाली (सीएफएमएस) लागू हो जाई आ सरकार के

मुगलसराय अब दीनदयाल

यूपी के चंदौली जिला में स्थित मुगलसराय टीसन के नाम जनसंघ के अध्यक्ष रहल स्व. दीनदयाल उपाध्याय का नाम प राखे के प्रस्ताव के केन्द्र सरकार मंजूरी दे दिहलसि. हालांकि ‘मुगल’ सराय में रहे वाला विपक्ष एकरा विरोध में बा. मोतिहारी में एगो समारोह में राज्य के परयटन मंत्री प्रमोद कुमार कहलन कि बिहार के

बबलू दुबे के गोली मारेवालन के ध लिहलसि पुलिस

कुछ देन पहिले बेतिया व्यवहार न्यायालय में केस का चलते पेश करावल गइल बदनाम अपराधी बबलू दुबे के अदालते परिसर में गोली से भू्ंज दीहल गइल रहुवे. गैंगवार के एह घटना में आजु पुलिस दूगो शूटरन के गिरफ्तार क लिहले बिया. एगो शूटर बेतिया के ह आ दोसरका मोतिहारी के. पुलिस एह अपराधियन के नाम

बसिया खबर, 13 मार्च 2017, सोमार

हर साल कपड़ा-फाड़ होली खेले वाला लालू प्रसाद के करेजा अबकी यूपी विधानसभा चुनाव अइसन फाड़ दिहलसि कि सादा होली खेललन आजु फगुआ का दिने. सोचले रहलन कि बिहारे के तरह यूपीओ में मोदी के हरा दीहि टीपू आ पप्पू के जोड़ी, बाकिर जनता अइसन हाल बना दिहलसि कि फगुआ खेले के मने ना भइल.

बिहार यूपी का बीच डायरेक्ट बस सेवा

बिहार आ यूपी का परिवहन विभागन का बीच पिछला मई महीना में भइल समझौता के लागू करत बिहार सरकार सात गो रूटन प बस चलावे के इजाजत दे दिहलसि. बिहार राज्य परिवहन प्राधिकार के बैठक में एह बसन ला परमिट जारी कइल गइल बा. अब बिहार राज्य पथ परिवहन निगम एह रुटन पर आपन बस

मोतिहारी में महात्मा गांधी केंद्रीय विश्वविद्यालय के शैक्षणिक सत्र शुरु

कोल्हु केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री प्रकाश जावड़ेकर मोतिहारी में महात्मा गांधी केंद्रीय विश्वविद्यालय के विधिवत शुरुआत करत कहलन कि 21वीं सदी में शिक्षे तरक्की के आधार ह. कहलन कि मोदी सरकार सबका ला शिक्षा आ नीमन शिक्षा का दिशाईं काम करत बिया. शोध आ अनुसंधान के बढावा दीहल जात बा. जावडेकर भरोसा जतवलन कि

मोतिहारी में काल्हु से केन्द्रीय विश्वविद्यालय के सत्र शुरु

मोतिहारी में काल्हु से महात्मा गाँधी केन्द्रीय विश्वविद्यालय के सत्र के शुरुआत हो जाई. मोतिहारी जिला स्कूल के मैदान में केन्द्रीय मंत्री प्रकाश जावडेकर अउर केन्द्रीय राज्यमंत्री उपेन्द्र कुशवाहा का हाथे विश्वविद्यालय के पहिलका सत्र के उदघाटन होखी. केन्द्रीय कृषि अउर किसान कल्याण मंत्री राधामोहन सिंह काल्हु मीडिया के ई जानकारी देत कहलन कि चंपारण

टटका टटका

मोतिहारी से तीन हप्ता से गायब रहल नीरज उपाध्याय आजु शनिचर का दिने पचपकड़ी ओपी के बेलवा घाट पर बागमती नदी का किनारे बोरे में बंद क के फेंकल मिलले. इनकर उलाज ढाका रेफरल अस्पताल में कइल जा रहल बा. लागत बा कि किडनैपर पुलिसिया दबाव का चलते इनका के फेंक भगले सए.

सोमार का रात आइल तूफान से बेतिया आ गोपालगंज में बहुते नुकसान

सोमार का रात हर घंटे 70 किलोमीटर के दूरी पार करत आइल तूफान से बिहार के चार गो जिला झकझोरा गइल. चंपारण आ गोपालगंज में बहुते संपति के नुसान भइला के खबर बा. एह आंधी का साथही आइल बरखा आ बनरी गिरला से आम आ लीची के फसल के बहुते नुकसाल भइल बा. नरकटियागंज, रक्सौल,

छपरा सासाराम आ मोतिहारी से बंगाल खाति बस

बिहार आ पश्चिम बंगाल का बीच आजु दुनू राज्यन के परिवहन सचिवन का बीच एगो करार पर दस्तखत भइल जवना का बाद दुनू राज्य का बीच नौ सौ से अधिका बस चलावल जइहें सँ. एकरा ला 45 गो रुट चुनल गइल बा. छपरा से सिलिगुड़ी, सासाराम से कोलकाता, आ मोतिहारी से सिलिगुड़ी, पटना से दुर्गापुर

अपराध आ हादसा के खबर बिहार से

पश्चिम चम्पारण जिले के बैरिया इलाका के बगही नाथ बाबा चौक का नियरा से एगो तस्कर के चार किलो चरस का साथे ध लिहलसि पुलिस. चरस के दाम एक करोड़ बतावल जात बा. रोहतास जिला में अभियान चला के पुलिस 33 गो वारंटियन के गिरफ्तार करे में सफल हो गइल आ सात गो का घर

मोतिहारी में डाका डाल के 7 लाख लूट लीहल गइल

मोतिहारी के बनकट गांव में हरदेव चौधरी के घरे अतवार देर रात डकैती पड़ गइल. डकैत घर में घूस के सगरी बेकत के बंधक बना लिहले सँ आ मारपीट के कई जने के घवाहिल कइला का बाद सात लाख के नकदी आ गहना लूट ले गइले सँ. घवाहिल परिवार वालन के एगो नर्सिंग होम में

भोजपुरी पट्टी का साथही देश दुनियो के खबर (30 अगस्त 2015, अतवार)

शनिचर का दिने एगो भव्य समारोह में राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी का हाथे राष्‍ट्रीय खेल पुरस्कार दीहल गइल. स्‍टार टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के राजीव गांधी खेल रत्न से नवाजल गइल. उनुका एगो पदक आ प्रमाणपत्र का साथे साढ़े सात लाख रुपिया नगदी मिलल. अउरी सम्मानित खिलाड़ियन में शामिल रहलें बैडमिंटन खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत, निशानेबाज जीतू

भोजपुरी पट्टी का साथही देश दुनियो के खबर (29 अगस्त 2015, शनिचर)

जम्‍मू कश्‍मीर के आर एस पुरा सेक्‍टर से लागल देश के सिवान पर पाकिस्तानी सेना के गोलीबारी में काल्हु शुक का दिने तीन गो नागरिक के मौत हो गइल आ 17 जने घवाहिल हो गइले. जबाबी कार्रवाई में ओनियो कई लोग के जान जाए आ घवाहिल होखे के खबर बा. जम्मू कश्मीर में शुक का

Older Posts››