web analytics

छोट मन वालन के बड़का गोल

कहल जाला कि दुनिया के सबले बड़हन राजनीतिक गोल हवे भाजपा. बाकिर काल्हु आदित्यनाथ योगी के मुख्यमंत्री का पद पर किरिया धराई का मौका पर जवन देखे के मिलल तवना से इहे कहल जा सकेला कि एह बड़हन गोल के चलावे वालन के मन बहुते छोटहन सोच वाला बा. पुराणन में बतावल गइल बा कि … Read more

 208 total views,  1 views today

सब गोलमाल है भाई सब गोलमाल है

कहल जाला कि राजनीति में केहू केकरो ना होखे. सभे अपना ला कुरसी खोजे में लागल रहेला. नेहरु का जमाना से मुसलमान कांग्रेस के वोट बैंक रहलें. एह खाता में कांग्रेस कुछ जमा करत रहे कि ना से त दावा से सच्चरो कमिटी ना जान सकल बाकिर एह खाता से ऊ भरपूर निकालत जरुर रहुवे. … Read more

 254 total views,  1 views today

कोरोना से एकदिन में छह हजार से अधिका मौत

(शुक, जेठ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) एने कुछ दिन से कोरोना के कहर में कमी देखत कई एक राज्यन में लॉकडाउन में ढील देबे के शुरुआत हो गइल रहुवे. एही बीच बियफे का दिन के कोरोना के आंकड़ा जान साँसत में डाल देबे वाला आइल बा. बियफे का दिने अब तक ले के सबले बेसी … Read more

 184 total views,  3 views today

भोजपुरी पट्टी से शुक, 19 जनवरी 2018 के कुछ समाचार

प्रयागराज में होखत माघ मेला में विहिप का संत समागम में चहुँपल यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि मुख्यमंत्री बन गइला का बावजूद उनुका में कवनो बदलाव नइखे आइल, बस कुछ जिम्मेदारी अउर बढ़ गइल बा. संतन से योगी के आग्रह रहे कि सरकार से कुछ कहला मंगला के जरुरत नइखे काहे कि अब … Read more

 133 total views

टटका खबर, शुक, 5 जनवरी 2018

मध्यप्रदेश का इंदौर शहर के कनाड़िया इलाका के बिचौली मर्दाना बाईपास पर शुक का दिने एगो नामी प्राईवेट स्कूल के बस के जोरदार टक्कर सामने से आवत एगो च्रक से हो गइल. एह हादसा में पाँच गो विद्यार्थियन आ ड्राइवर के मौत हो गइल आ दर्जनो घवाहिल हो गइलें. प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी शुक का दिने … Read more

 228 total views

सुशासन बाबू हरदी गुरदी बोल दीहलन

आजु जब सगरी विपक्ष परेशान बा कि साल मौदी का सोझा कवना नेता के खड़ा कइल जाव त घुमा फिरा के बिहार के सीएम नीतीश कुमार के नाम आइए जात बा. बाकि आजु जब पटना के एगो कार्यक्रम में पत्रकार उनुका से एह बारे में पूछलन त कहलन कि हम अतना बूड़बक ना हईं जतना … Read more

 106 total views,  1 views today

टटका खबर, 22 फरवरी 2017, बुध

21 फरवरी का दिने माई भासा दिवस का मौका प भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे ला भोजपुरी जन-जागरण अभियान का बैनर तरे जंतर मंतर पर धरना दीहल लोग. साहित्य अकादमिओ दू दिन चले वाला मातृभाषा संरछन दिवस मनवलसि. एह मौका प राज्यसभा सांसद अनवर अली कहलन कि जब बहुते कम कम लोगन के भासा के … Read more

 154 total views,  1 views today

टटका खबर, 11 फरवरी 2017, शनिचर

सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आपत्तिजनक फोटो पोस्ट करे वाला मोबाइल दूकानदार के गाजीपुर पुलिस गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. कासिमाबाद में मोबाइल के दुकान चलावे वाला सोनबरसा गांव के बरक्कत राईनी अपना मोबाइल से सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री के आपत्तिजनक तस्वीर पोस्ट कइले रहल. एकरा खिलाफ संघ के ब्रजभूषण सिंह आ … Read more

 189 total views

टटका खबर, 25 जनवरी 2017

दुनिया के शेयर बाजारन के रुख आ बजट से पहिले बैंकिंग अउर फाइनेंस कंपनियन के शेयर में भइल जोरदार लिवाली से आजु मुम्बई शेयर बाजार हाल के तीन महीना में सबले ऊँचाई ध लिहलसि. पांच राज्यन में होखे जात विधानसभा चुनाव के देखत चुनाव आयोग भारतीय रिजर्व बैंक से निहोरा कइले बा कि उमीदवारन के … Read more

 170 total views

टटका खबर, अतवार, 27 नवम्बर 2016

मोहाली टेस्ट में दुसरका दिने भारत के पारी लड़खडाइल नजर आइल आ खेल ख़तम होखे बेरा ले छह विकेट का नुकसान पर 271 रन बना पवले बल्लेबाज। मेलबर्न में होखत चार देशन के हॉकी टूर्नामेंट में भारत मलेशिया टीम के 4-1 से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि। बैडमिंटन के होंगकांग ओपन के फाइनल में … Read more

 448 total views

टटका खबर, शनिचर, 26 नवम्बर 2016

पुलिस अधिकारियन के सम्मेलन में पीएम मोदी दिल्ली का बाहर तिसरका बेर हो रहल बाकि पुलिस महानिदेशकन के 51वाँ सालाना सम्मेलन आजु हैदराबाद पुलिस अकादमी में होखत बा. एह सम्मेलन में पीएम मोदी, गृहमंत्री राजनाथ सिंह, राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल, रॉ चीफ राजेन्द्र खन्ना, आ आईबी चीफ दिनेश शर्मा शामिल बाड़ें. पुलिस महानिदेशकन के … Read more

 196 total views

घुमा फिरा के हिन्दुवन के एकता तूड़े में लागल मीडिया का फेर में पड़लन मोदी

अपना देश के मीडिया हर समय एही फेर में लागल रहेले कि कसहूं हिन्दुवन के अपने में लड़वले राखल जाव जेहसे कि हिन्दू विरोधी काम बदस्तूर जारी रह सको. अबकी एह लोग के साथ खुद पीएम मोदी दे दिहलन जब ऊ कुछ नकली गऊरक्षकन का खिलाफ बयान दे दिहलन. मोदी के बयान के मीडिया एह … Read more

 176 total views,  2 views today

टटका खबर (बियफे, 8 अक्टूबर 2015)

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बियफे से शुक का बीच बिहार में छह गो चुनावी सभा के संबोधित करीहें. बियफे के दिन पीएम मोदी सबेरे दस बजे मुंगेर में, साढ़े एगारह बजे बेगूसराय में, दुपहरिया में एक बजे समस्तीपुर में, आ दुपहरिया दू बजे नवादा में चुनाव सभा करीहें. जान जाईं कि पीएम मोदी बिहार में चुनाव … Read more

 305 total views

टटका खबर (अतवार, 16 अगस्त 2015, देश दुनिया)

यूएई के दौरा पर चहुँपल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार का दिने अबू धाबी में बनल दुनिया के सबले बड़हन आ शानदार शेख जायद मस्जिद चहुँपले त ओहिजा हजारन हजार लोग के भीड़ उनका स्वागत में मौजूद रहुवे. पीएम मोदी पहिला बेर कवनो मस्जिद में चहुँपल रहले आजु. यूएई सरकारो उनका स्वागत में कवनो कोर कसर … Read more

 210 total views

खबर भोजपुरी में (बियफे, 5 फरवरी 2015)

(बुध, 4 फरवरी के खबर) विकलांग प्रमाण पत्र बनवावेवालन के एह काम में होखे वाला फजीहत के विरोध करत भाजपा विधायक उपेन्द्र तिवारी बलिया जिला अस्पताल में धरना पर बइठ गइले तब अधिकारी लोग भरोसा दिहल कि एह समस्या के समाधान पन्द्रह दिन में कर दिहल जाई. बाद में विधआय के मौजूदगी में डाक्टर लोग … Read more

 160 total views

जनता मोदी के मामर हेठ क दी, कहले मुलायम

बदायूं 20 दिसम्बर (वार्ता) सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव आजु बदायूं में एगो रैली में बोलत कहलन कि एहिजा के लोग मोदी के मामर हेठ क दी. मुलायम सिंह के कहना रहे कि मोदी गुजरात मे कत्ले आम करवले. मोदी आ मुलायम दुनू के नाम म अक्षर से शुरू होला एह बेर लडाई … Read more

 100 total views

मोदी के रैली से पहिले नमाज अता करवावे के कवनो कार्यक्रम नइखे

वाराणसी 19 दिसम्बर (वार्ता) नरेन्द्र मोदी के वाराणसी रैली से पहिले ओहिजा नमाज अता करवावे का बारे में अफवाह पसर गइल बा कि ओहिजा पहिले नमाज अता करवावल जाई. प्रदेश अध्यक्ष डा॰ लक्ष्मीकांत बाजपेयी कहले बाड़न कि कुछ अखबारन में एह तरह के खबर छपल बा जवन बेबुनियाद बा. कहलन कि रैली राजनीतिक कार्यक्रम ह … Read more

 148 total views

नमो के पोस्टर हटवला से भाजपा कार्यकर्ता नाराज

पटना 25 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा. के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के बिहार आवे का बारे में राजधानी पटना मे लगावल पोस्टर आ होर्डिग के आज हटा दिहला से पार्टी कार्यकर्ता बहुते नाराज बाड़े. बिहार सरकार में मंत्री रहल आ पार्टी के बड़ नेता गिरिराज सिंह आरोप लगवले कि राज्य सरकार के इशारा पर … Read more

 445 total views

मोदी प्रधानमंत्री बनीहें त हमरा खुशी होखी, कहलन आडवाणी

भाजपा.के पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी बुध का दिने गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के भरपूर बड़ाई करत कहलन कि अगर अगिला चुनाव बाद मोदौ प्रधानमंत्री बनत बाड़े त आडवाणी के खुशी होखी. आडवाणी अहमदाबाद में इन्स्टीट्यूट आफ इन्फ्रास्ट्रक्चर रिसर्च एंड मैनेजमेट.के उद्घाटन पर संबोधन देत रहले. एहसे पहिले आडवाणी साबरमती नदी फ्रंट पार्क के उद्घाटन … Read more

 412 total views

आडवाणी आ अटल के घरे जाके आशीर्वाद लिहलन नरेन्द्र मोदी

भाजपा से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार घोषित कइल गइला का बाद गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी काल्हु पार्टी के वरिष्ठ नेता लालकृष्ण आडवाणी आ प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी से ओह लोग का घरे जा के आशीर्वाद लिहलें. (वार्ता)  354 total views

 354 total views