web analytics

टटका खबर, अतवार, वैशाख अँजोरिया चतुर्थी बाकी, 2078 विक्रमी

देश में कोरोना के हालात पर राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के संघचालक मोहन भागवत शनीचर का दिने एगो व्याखानमाला में बोलत कहनी कि ई परीक्षा के घड़ी बा आ हमनी के आपन सकारत्मकता बचवले राखे के जरुरत बा. कोरोना के पहिलका दौर के खतम भइला का बाद सरकार आ जनता सभे बेपरवाह हो गइल रहुवे … Read more

 60 total views

टटका खबर, शनीचर, 10 अप्रैल 2021

ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ द्वितीय के पति प्रिन्स फिलिप के मौत काल्हु 99 बरीस का उमिर में हो गइल. एलिजाबेथ से उनुकर बियाह 1947 में तब भइल रहुवे जब ऊ महारानी ना बनल रहली. ब्रिटेन का इतिहास में सबले अधिका समय ले कवनो महारानी के कन्सॉर्ट रहल प्रिंन्स फिलिप चार बरीस पहिले 2017 में सार्वजनिक … Read more

 67 total views

संघ केहू के पराया ना माने : मोहन भागवत

नागपुर, 07 जून (वार्ता). राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सर संघचालक मोहन भागवत कहलें कि संघ, राष्ट्र आ समाज के विकास खातिर काम करेला आ देश के सगरी लोग के आपन मानेला. ओकरा ले केहू पराया नइखे. नागपुर में हर साल होखे वाला संघ के तिसरका प्रशिक्षण वर्ग के समापन समारोह के संबोधित करत सर … Read more

 79 total views

समाज उठावे आ बढ़ावे खातिर सभका मिलजुल के रहे के पड़ी : भागवत

मेरठ, 25 फरवरी (वार्ता) राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (आरएसएस) के सरसंघचालक मोहन भागवत जी आजु कहनी कि समाज के उठावे आ बढ़ावे खातिर सभका मिलजुल के रहे के पड़ी आ सगरी समाज के आरएसएस बने के होई. सरसंघचालक मोहन भागवत जी आजु एहिजा संघ के समागम ’राष्ट्रोदय’ में बतौर मुख्य अतिथि का रूप में स्वयंसेवकन के … Read more

 36 total views

बँवारा गोलबन्दी के सरकार का मर्जी का खिलाफ तिरंगा फहरवलें संघचालक

आजु गणतंत्र दिवस का मौका पर केरल के पलक्कड़ जिला में भारतीय विद्या निकेतन के एगो स्कूल में पर राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के संघचालक मोहन भागवत तिरंगा फहरवलें. वइसे त हर साल 15 अगस्त आ 26 जनवरी का दिने संघचालक जहँवे रहेलें तहँवे तिरंगा फहरावेलें आ एहमें कवनो खास बाति ना होखे के चाहीं. बाकिर … Read more

 34 total views

टटका खबर – लगातार, 11 अप्रैल 2017, मंगल

भोजपुरी पट्टी बलिया से जुड़ल परिवार के आ झारखंड के धनबाद में रहत उप महापौर रहल नीरज सिंह के हत्या से जुड़ल मामिला में आजु मंगल का दिने केस में नामजद अभियुक्त आ झरिया से भाजपा विधायक संजीव सिंह सरायढेला थाना में सरेंडर क दिहलन. एकरा बाद पुलिस उनुका के जेल भेज दिहलसि. संजीव सिंह … Read more

 64 total views