web analytics

उ.प्र.मे दिन अउरी ठंडा भइल

लखनऊ 13 जनवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ समेत करीब पूरा राज्य आजु थोड़ देर ला तनिका घाम निकलला का बावजूद जाड़ा से काँपल. दिन के तापमान सामान्य से नौ डिग्री सेल्सियस कम रहल. गोरखपुर मे न्यूनतम तापमान 08.4 डिग्री सेल्सियस आ वाराणसी मे 08.9 डिग्री रहल. अगिला 36 घंटा आसमान साफं रहे के … Read more

 497 total views

बिहार में अधिकतर जगहा होखत बरखा से तापमान अउरी गिरल

पटना 11 जनवरी (वार्ता) बिहार मे काल्हु देर रात से लगातार होखत बरखा बूनी का चलते तापमान मे अचानके अउरी गिरावट भइला से आम जनजीवन प्रभावित भइल बा. मौसम विभाग के कहना बा कि अगिला चौबीस घंटा में छिटपुट बरखा के अनेसा बनल बा. बलियो मे काल्हु साँझ से बूनी पड़त बा जवना से गलन … Read more

 330 total views

छपरा बलिया में ठिठुरन से लोग बेहाल

पटना 10 जनवरी (वार्ता आ दोसरो माध्यम) बिहार आ पूर्वांचल में आजु दुसरको दिने सूरज चमक ना पवले. काल्हु रात अनेके जगहा भइल बरखा बूनी से हालात अउरी बिगड़ गइल बा. पूरा जन जीवन अस्तव्यस्त हो गइल बा. कई जगहा स्कूलन के बारह जनवरी ले बंद क दीहल गइल बा. ट्रेनो बहुते देरी से चलत … Read more

 389 total views

देश भर मे मौसम के खबर

पुणे, 09 जनवरी (वार्ता) उत्तर पद्रेश के कुछ इलाका मे शीत लहर के प्रकोप जारी बा, जबकि असम, मेघालय, पश्चिम बंगाल, सिक्किम, ओडिशा आ बिहार के कुछ इलाकन मे तापमान सामान्य से बहुते नीचे चलत बा. झारखंड, पूर्वी उत्तर प्रदेश, सौराष्ट्र आ कच्छ मे तापमान सामान्य से नीचे चलत बा. पश्चिमी मध्य प्रदेश, पूर्वी राजस्थान, … Read more

 355 total views

उ.प्र.मे बूंदाबादी आ शीतलहर गलन बढ़ल

लखनऊ 04 जनवरी (वार्ता) लखनउं समेत प्रदेश मे कई जगहा भइल बूंदाबादी आ शीतलहर से तापमान गिर गइल बा आ गलन बढ गइल बा. गोरखपुर मे न्यूनतम तापमान 06.8, वाराणसी मे 05.6, आ इलाहाबाद मे 07.3 डिग्री दर्ज भइल. अतवारो का दिन कुछ जगहा बूदाबूंदी हो सकेला आ सबेर का समर कुहासा घेर सकेले.  434 total … Read more

 434 total views

उ.प्र. मे ठंड बढल. कुहासा से ट्रेन पभावित होखे लगली सँ

लखनऊ 14 दिसम्बर (वार्ता) उत्तराखंड में पड़ल बरफबारी का बाद ठंड बढ़े लागल बा आ उत्तर प्रदेश के अधिकतर हिस्सन मे तापमान सामान्य से नीचे चल गइल बा. कुहासा का चलते लमहर दुर जाए वाली गाड़ियन प असर पड़ल बा आ देर से चलत बाड़ी सँ. राज्य में सबले ठंडा जगह रहल मुजफफंरनगर जहाँ तापमान … Read more

 330 total views

बिहार आ यूपी के अनेक इलाका में ठनका गिरला से डेढ़ दर्जन लोग मरल

काल्हु बिहार आ उत्तरप्रदेश के अनेके इलाका में आँधी पानी आ ठनका गिरला का चलते नाहियो त तीन दर्जन से अधिका लोग मर गइल आ पाँच दर्जन लोग के झँउसला के खबर बा. अकेले बिहार से चौबीस लोग के मरे के आ तीस लोग के झँउसे के खबर बा. कैमूर जिला के अघौरा थाना के … Read more

 368 total views

पिछला तीन दिन से होत बरखा का चलते मौसम ठंढाइल

उत्तर प्रदेश के अनेके इलाका में पिछला तीन दिन से रुक रुक के होखत बरखा का चलते गरमी खतम हो गइल बा आ गोरखपुर का अगल बगल का इलाका में दिन के अधिकतम तापमान में २८ डिग्री के कमी दर्ज भइल बा. इहां ले कि सबले कम तापमानो में चार डिग्री के कमी आइल बा. … Read more

 354 total views

बिहार में बरखा भइल

आजु बिहार के कई इलाका में तेज हवा का संगे भइल बरखा का बाद से मौसम खुशगवार हो गइल बा. पटना में १६.२ मिमी बरखा रिकार्ड भइल आ न्यूनतम तापमान सामान्य से छह डिग्री कम दर्ज कइल गइल. मौसम विभाग के कहना बा कि अगिला चौबीस घंटा में बदरी छपले रही आ कुछ जगहा बरखो … Read more

 381 total views