web analytics

छपरा न्यूज, 14 अप्रेल 2018, शनिचर के 9 खबर

दरियापुर, अमनौर, इसुआपुर, परसा, जलालपुर समेत कई जगहा भइल अगलगी के हादसन में लाखौं के फसल, घर आ संपति राख होखे के खबर बा. हरदिया चँवर के आग बुतावे में पाँच गो दमकल लगली सँ तब जा के आगि पर काबू पावल जा सकल. अमनौर के मनौरपुर कानू टोला में कई गो मड़ईयन के राख … Read more

 107 total views

मढ़ौरा में महतारी का साथे दू गो बचवनो के मौत

सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के सेमलसराय गाँव में मंगल का राते खटिया पर सूतल अनिता आ ओकरा एगो बेटा आ बेटी के आग में जर के मौत हो गइल. दीनानाथ महतो के मेहरारु अनिता देवी के भाई ससुरालवालन पर केस दर्ज करवले बाड़न कि ई लोग तीनो के हत्या कइले बा. गाँव वालन के … Read more

 452 total views

उपप्रमुख हत्या के केस में चार जने के नाम आइल

पिछला बुध का दिने सारण के मढ़ौरा इलाका में मिर्जापुर निवासी उप प्रमुख सुरेश्वर दीक्षित के हत्या के अछरंग ओही गाँव के मिडिल स्कूल के हेडमास्टर आ भूरिया टोला के निवासी दिनेश सिंह समेत तीन जने अउर लोग के नामे लागत बा. पुलिस के कहना बा कि ढेर दिन से चलल आवत विवाद में ई … Read more

 356 total views

उपप्रमुख के गोली मार के हत्या

काल्हु बुध के साँझे कुछ बदमाश सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के मिर्जापुर गाँव के उपप्रमुख सुरेश्वर चौधरी के गोली मार के हत्या क दिहले सं. हत्यारा तीन गो रहलन स. हत्या पर नाराजगी जतावत खिसियाइल लोग एगो पुलिस वाहन के जरा दीहल आ देर ले रोड जाम क के राखल आ बहुते समुझवला बुझवला … Read more

 305 total views

मढ़ौरा रेल फैक्ट्री ला करार हो गइल

एह परियोजना में हर साल एक हजार लोको इंजन बनीहें सँ. अगिला तीन बरीस का भीतर फैक्ट्री बन जाए के उमेद बा. एह पर एक हजार करोड़ के लागत आई. एकरा साथही मधेपुरा परियोजनो के मंजूरी मिल गइल बा. मढ़ौरा में डीजल इंजन आ मधेपुरा में बिजली इंजन बनावल जइहें सँ. मधेपुरा फैक्ट्री पर 1860 … Read more

 249 total views,  5 views today

मढ़ौरा नगर पंचायत के मुख्य पार्षद अब उर्मिला देवी

सारण जिला के मढ़ौरा नगर पंचायत के मुख्य पार्षद रहल सुनीता देवी का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव मंगल का दिने पारित हो गइल. 16 सदस्य वाला एह नगर पंचायत में उर्मिला देवी 12 गो वोट बटोर लिहली जबकी सुनीता देवी के महज चार गो वोट मिल पावल. चुनाव एसडीएम राजेश कुमार के देखरेख में भइल.  387 total … Read more

 387 total views

छपरा से छिटपुट

झाड़ू डंडा ले के अवैध शराब के धंधा के खिलाफ प्रदर्शन दाउदपुर (सारण) दाउदपुर थाना के दुधैला गांव में बियफे का दिने अवैध शराब के धंधा पर अंकुशा लगावे के माँग ले के एहिजा के औरत सब हाथ में झाड़ू-डंडा लेके सड़क प प्रदर्शन कइली साथ में कुछ मरद आ लड़िको रहले सँ. आरा पुल … Read more

 380 total views

दवा प्रतिनिधि के गोली मार के हत्या

सारण जिला के मढौरा इलाका के गौरा बाजार मे काल्हु देर रात निपनिया सलेमपुर के दवा प्रतिनिधि शशिकांत सिंह के पहिले से घात लगवले बदमाश गोली मार दिहले सँ. घवाहिल बयालिस साल के शशिकांत सिंह के सदर अस्पताल छपरा ले जाइल गइल जहाँ उनुका के पटना खातिर रेफर कर दिहल गइल. बाकिर रास्ते में उनकर … Read more

 292 total views

मढ़ौरा के सिल्हौड़ी में एगो आदमी बिजली के करंट से मरल

सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के शिल्हौड़ी में बियफे के रात पोल पर टूट के गिरल बिजली के तार में बहत करंट के चपेटा में अइला से एगो आदमी के मौत हो गइल आ दु गो मेहरारु झउँसा गइल बाड़ी सँ. घवाहिलन के अस्पताल में भरती करा दिहल गइल बा.  313 total views

 313 total views

पुलिस का लापरवाही से लइका के जान गइल

सारण जिला के मढ़ौरा से शनिचर का दिने बिसमिल्ला अंसारी के सात साल के बेटा याजदान गायब हो गइल त ऊ थाना में अपहरण के केस दर्ज करावे गइलन. बाकिर थाना के लोग अपहरण के मामिला दर्ज ना कइल आ कहल कि जा कहीं एने ओने चल गइल होई, जा के खोजऽ. जबकि ऊ बतवले … Read more

 336 total views

मढ़ौरा में होली के लोक गीत परोसल आकाशवाणी के टीम

छपरा के मढ़ौरा में होखत भारत निर्माण जनसूचना अभियान के तीन दिना कार्यक्रम में शुक का साँझे भइल सांस्कृतिक कार्यक्रम में आकाशवाणी पटना के टीम आपन शानदार कार्यक्रम परोसलसि. एहमें फगुआ गीत का साथही पूरबी, झूमर आ मैथिलिओ गीत पेश कइल गइल. मंच से अपना सोझा चौपाल देख सुन के श्रोता गदगद हो गइलें. एह … Read more

 318 total views

मढ़ौरा में चली भारत निर्माण जन सूचना अभियान

२२ से २४ मार्च ले सारण जिला के मढ़ौरा में चले वाला भारत निर्माण जन सूचना अभियान के उद्घाटन राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद करीहें. आयोजन केन्द्र सरकार के पत्र सूचना कार्यालय का तरफ से होखी. एहमें दू दर्जन से अधिका स्टाल लगावल जाई आ भारत निर्माण से जुड़ल कार्यक्रमन के जानकारी दिहल जाई.  220 total views

 220 total views

घरेलू गैस वितरण में गड़बड़ी पर सड़क जाम

मढ़ौरा के इडेन गैस एजेंसी गैस सिलिण्डर बाँटे में धाँधली करत बिया आ एकरा खिलाफ काल्हु अनेके लोग एसडीओ आवास के सोझा का सड़क पर जाम लगा दिहले जवना से आइल गइल बन्द हो गइल. बार बार बतावल जाला कि फलाँ दिन गैस के गाड़ी आई बाकिर भर भर दिन इंतजार कइला का बाद वापस … Read more

 335 total views