Go to ...
RSS Feed

यशवंत सिन्हा

बइठक त हो गइल बाकिर बोलावल के

राकांपा नेता शरद पवार का दिल्ली वाला निवास पर आजु देश के विरोधी गोलन के बइठक त हो गइल बाकिर भरम साफ करे के पड़त बा कि बइठक बोलवले के रहुवे. कांग्रेसी गोल के शिकायत बा कि एह बइठक में ओकरा के ना बोलावल गइल रहुवे आ ई गैर-भाजपा गैर-कांग्रेसी गठजोड़ बनावे के शरद पवार

देश के विरोधी गोल अब गिरोह बना के लड़ीहें

बंगाल में ममता आ तमिलनाडु में स्टालिन के जितवावे के श्रेय लेबे वाला प्रशांत किशोर का इशारा पर नाचे ला तइयार देश के विरोधी गोलन के चुनिंदा लोगन के एगो बइठक आजु मंगल का दिने दिल्ली में बोलावल गइल बा.एह बइठक के बोलावा भाजपा से निकल के तृणमूलिया बन गइल यशवंत सिन्हा के राष्ट्र मंच

भाजपाई बहारन यशवंत सिन्हा तृणमूल का घूरा पर

डूबते को तिनके का सहारा कहावत के सही साबित करत भाजपा के बहारन, बाकिर कबो बाजपेयी सरकार में उनुकर वित्त मंत्री रहल, यशवंत सिंहा आजु तृणमूल कांग्रेस में शामिल हो गइलन. उनुका एह फैसला से तृणमूल के भा खुद यशवंत के का फायदा होथे जा रहल बा एकरा के त कवनो बड़का राजनीतिक गुरु घंटालो

अनेरियन से हाथ मिलइहें अब भजपो के अनेरिया

वाराणसी, 21 जून (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के उनुका गढ़ में घेरे ला स्वघोषित अनेरिया गोल आआपा भाजपा के बागी सांसद शत्रुघ्न सिन्हा अउर पहिले वित्त मंत्री रहल यशवंत सिन्हा के आपन मंच मुहैया कराई. आआपा नेता मुकेश सिंह बतावत बाड़न कि उनुकर गोल 25 जून का दिने बेनिया बाग के राजनारायण पार्क में एगो

खबर हमेशा दिहले ना जाव, कबो कबो लिहलो जाला

पटना 21 अप्रैल. केन्द्र में भाजपा सरकार बनला का बाद गोल भा सरकार में कवनो भाव ना मिलला से रिसियाइल यशवंत सिन्हा भाजपा से सगरी नाता रिश्ता तूड़ लिहलें आ अब शायद जेपी बने के सपना देखत बाड़ें. कहतारें कि अब से दलगत राजनीति ना करीहें आ आवे वाला दिनो में कवनो पद ना चहीहे.

यशवंत सिन्हा नाराज हो गइल बाड़े

बतावल जात बा कि भाजपा के बड़का नेता में से एगो यशवंत सिन्हा झारखंड भाजपा के अध्यक्ष पद पर रवींद्र राय के बइठावे का खिलाफ नाराज हो गइल बाड़ें आ ई नाराजगी एह हद ले बा कि ऊ भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणीओ से इस्तीफा देबे का मूड में आ गइल बाड़ें. हालांकि अबहीं इस्तीफा दिहले