web analytics

टटका खबर, 25 जनवरी 2017

दुनिया के शेयर बाजारन के रुख आ बजट से पहिले बैंकिंग अउर फाइनेंस कंपनियन के शेयर में भइल जोरदार लिवाली से आजु मुम्बई शेयर बाजार हाल के तीन महीना में सबले ऊँचाई ध लिहलसि. पांच राज्यन में होखे जात विधानसभा चुनाव के देखत चुनाव आयोग भारतीय रिजर्व बैंक से निहोरा कइले बा कि उमीदवारन के … Read more

 41 total views,  1 views today

यूपी बोर्ड के फार्म 20 अगस्त ले भरल जा सकी

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के हाई स्कूल आ इंटर के परीक्षा देबे ला 20 अगस्त ले अनलाइन फारम भरल जा सकेला. ई फारम नियमित आ प्राइवेट दुनु तरह के परीक्षार्थी भर सकीहें. बाद में स्कूल कालेजन के संस्थागत विद्यार्थी ₹ 50 के हरजाना का साथे 20 सितम्बर ले भर पइहेंं. निजी विद्यार्थियन के ₹ … Read more

 36 total views

यूपी बोर्ड के सचिव के काम शकुंतला यादव का जिम्मे

यूपी बोर्ड के मौजूदा सचिव उपेंद्र कुमार आजु रिटायर होखे जात बाड़न. उनका बाद एह पद के जिम्मेदारी अपर निदेशक शकुंतला यादव तबले सम्हरीहें जब ले नया सचिव के नियुक्ति नइखे हो जात. वइसे इहो उमेद बा कि इनके के एह पद पर नियमित कर दिहल जाई.  75 total views,  5 views today

 75 total views,  5 views today

यूपी बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा के रिजल्ट निकलल

आजु शनिचर का दिने उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद आपन हाईस्कूल परीक्षा के नतीजा निकाल दिहलसि जवना में कुल 86.63 फीसदी परीक्षार्थी सफल भइले. एहु में लड़िकियन के पास प्रतिशत लड़िकन से अधिका रहल. पिछला कई साल का मुकाबिले एह साल के रिजल्ट बढ़िया बा. हो सकेला कि सपा सरकार में विद्यार्थियन के मिलल आजादी … Read more

 58 total views,  5 views today

मैट्रिको बोर्ड में बाराबंकी के लड़िकी बाजी मरली सँ

शुक का दिने प्रकाशित यूपी बोर्ड के मैट्रिक रिजल्ट में इंटरे लेखा बाराबंकी के दू गो लड़िकी टॉप कइली सँ आ तिसरको जगहा पर ओहिजे के एगो लड़िका आइल बा. इंटर में लखनऊ के ई खुशी मिलल रहुवे. मैट्रिक बोर्ड में लड़िकियन के पास प्रतिशत ८८.९ रहल जबकि लड़िकन के पास प्रतिशत ७९.६ रहल. जेल … Read more

 57 total views,  5 views today