web analytics

टटका खबर, 29 मार्च 2021, सोमार

रउरा सभे के फगुआ के शुभकामना. पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में का होखे जा रहल बा ओकर आभास होखे लागल बा. अशोकनगर विधानसभा सीट से तृणमूल उम्मीदवार नारायण गोस्वामी ला रोड शो के साटा पर आइल तृणमूल सांसद नुसरत जहाँ रोड शो में एक घंटा से अधिका समय लागत देखि बीचे में निकल गइली. सोशल … Read more

 184 total views,  1 views today

#ArrestKejariwal से सहमल दिल्ली सरकार

बिहारी आ यूपी के प्रवासी मजदूरन का साथे दिल्ली के सरकार चलावत आआपा गिरोह के मयभावत बेवहार देखि के काल्हु पूरा देश आपन नाराजगी जतवलसि. ट्वीटर पर #ArrestKejariwal के मुहिम जोर ध दिहलसि आ राति होखत होखत दिल्ली सरकार आपन चाल पलटि ला मजबूर हो गइल. जान जाईं कि एह प्रवासी मजदूरन का बीच जानबूझि … Read more

 155 total views

दस गो सीट, एगारह परचा : चुनाव मजेदार भइल

लखनऊ 12 मार्च (वार्ता). यूपी से राज्यसभा के दसे गो सीट खाली बा आ ओही पर एगारह जने के परचा आजु आखिरी दिने दाखिल हो गइल. अगर सगरी परचा सही निकलल आ केहु आपन परचा वापिस ना लीहल त चुनाव जरुरी हो जाई. यूपी विधानसभा के गणित का हिसाब से चुनाव जीते ला 37 गो … Read more

 142 total views

बिहार आ यूपी के उपचुनावन ला भाजपा उम्मीदवार घोषित

नयी दिल्ली, 19 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश आ बिहार के तीन गो लोकसभा सीटन अउर बिहार के एगो विधानसभा सीट पर होखे वाला उपचुनाव ला भारतीय जनता पार्टी अपना उम्मीदवारन के एलान क दिहलसि. भाजपा के केन्द्रीय चुनाव समिति उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ का इस्तीफा से खाली भइल गोरखपुर सीट से श्री उपेन्द्र … Read more

 129 total views

बिहार यूपी का बीच डायरेक्ट बस सेवा

बिहार आ यूपी का परिवहन विभागन का बीच पिछला मई महीना में भइल समझौता के लागू करत बिहार सरकार सात गो रूटन प बस चलावे के इजाजत दे दिहलसि. बिहार राज्य परिवहन प्राधिकार के बैठक में एह बसन ला परमिट जारी कइल गइल बा. अब बिहार राज्य पथ परिवहन निगम एह रुटन पर आपन बस … Read more

 95 total views

बलिया न्यूज, 9 मार्च 16

यूपी विधान परिषद के नयका चुनाइल सदस्यन के किरिया धरावल गइल आजु यूपी विधान परिषद के 35 गो नयका चुनाइल सदस्यन के सदस्यता के किरिया धरावल गइल. किरिया धरावे के काम कार्यवाहक सभापति ओम प्रकाश शर्मा कइलन. बाद में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, सभापति ओम प्रकाश शर्मा आ विपक्ष के नेता नसीमुद्दीन सिद्दीकी सभका के बधाई … Read more

 490 total views

यूपी में मेडिकल कॉलेजन में 1740 सीट बढ़ी

यूपी में डाक्टरन के कमी देखत सरकार के फैसला बा कि राज्य में एमबीबीएस कोर्स में दाखिला के 1740 सीट बढ़ावल जाई. सरकार चिकित्सा विभाग के एह दिसाईं सगरी इन्तजाम तेजी से करे के निर्देश दे दिहले बिया. एह काम खातिर पहिले से मौजूद 13 गो मेडिकल कॉलेजन का अलावे जौनपुर, चंदौली आ नजीबाबाद में … Read more

 396 total views

यूपी में वकीलन के हड़ताल

लखनऊ में काल्हु वकीलन पर भइल लाठीचार्ज का खिलाफ आजु यूपी का कई दो जिलन में वकील हड़ताल पर रहलें. ई लोग इलाहाबाद उच्च न्यायालय में जनहित याचिका दायर क के लखनऊ के जिलाधिकारी अउर वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक के ससपेन्ड करे के अरजी लगवले बाड़ें. बियफे का दिने यूपी विधानसभो में एह मामिला के उठावल … Read more

 360 total views

यूपी विधान परिषद चुनाव ला परचा दाखिला जारी

यूपी विधान परिषद के निकाय खण्ड से चुनाए वाला 36 गो सीट से चुनाए बदे परचा दाखिला क काम आजुओ जारी रहल. 15 फरवरी ले ई काम हो सकी आ दाखिल परचन के जाँचे के काम 16 फरवरी का के कइल जाई. 18 फरवरी ले नाम वापिस लीहल जा सकी. 3 मार्च के वोटिंग होखी … Read more

 388 total views

यूपी में पॉलिथिन बैग पर रोक लागू

काल्हु 21 जनवरी से यूपी में हर तरह के पॉलिथिन बैग पर रोक लागू हो गइल. अब एकरा के बनावे, राखे, इस्तेमाल करे, बेचे, बाहर से मंगावे वगैरह के अपराध मानल जाई आ पाँच बरीस ले जेल जाए पड़ सकेला भा एक लाख रपिया जुर्माना लाग सकेला. बाकिर दूध के पैकेट, मट्ठा, ब्रेड, नमकीन वगैरह … Read more

 322 total views

ब्लाक प्रमुखन के चुनाव 28 जनवरी का दिने

यूपी राज्य निर्वाचन आयोग ब्लाक प्रमुख पद के चुनाव करावे के प्रस्ताव पंचायती राज विभाग के भेज दीहले बावे. अब पंचायती राज विभाग एह बारे में अधिसूचना जल्दिये जारी करी. यूपी के चौहत्तर जिलन में 819 गो ब्लाकन के प्रमुख पद खातिर राज्य निर्वाचन आयोग का तरफ से अधिसूचना 18 जनवरी के जारी होखी. ओकरा … Read more

 313 total views

यूपी के विकास से ‘गदगद’ टाटा ग्रुप सपा सरकार से हाथ मिलवलसि

आजु टाटा संस आ यूपी सरकार का बीच शिक्षा आ स्वास्थ्य से जुड़ल अनेके काम खातिर समझौता पर दस्तखत कइल गइल. एह मौका पर मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ टाटा संस के अध्यक्ष रतन टाटा मौजूद रहलें. टाटा टंस्ट्स के अधिशासी ट्रस्टी आर. वेंकट रमन बतवलन कि टोरंटो विश्वविद्यालय के प्रोफेसरन के मदद से यूपी के … Read more

 351 total views,  5 views today

चन्दौली में मेडिकल काॅलेज

वाराणसी के अगल बगल के इलाका के लोग के बढ़िया इलाज मुहैया करावे ला यूपी सरकार चंदौली में सरकारी मेडिकल काॅलेज खोले के फैसला लिहले बिया. एही महीना में एकर नींवो डाल दीहन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव. एह मेडिकल काॅलेज में 150 सीट पर एमबीबीएस कोर्स के दाखिला मिले के बात बतावल जात बा. मोदी सरकार … Read more

 355 total views

यूपी के सरकारी कर्मचारियन के महँगाई भत्ता बढ़ल

यूपी सरकार अपना कर्मचारियन के महँगाई भत्ता में जुलाई 2015 से 6 फीसदी के बढ़ोतरी करे के एलान कइले बिया. एकर बकाया के पहिलका किश्त जनवरी में दे दीहल जाई. सरकारी कर्मचारियन के अब उनुका मूल वेतन के 119 फीसदी महंगाी भत्ता में मिलल करी. सरकार के एह फैसला से युपी के 18 लाख कर्मचारियन … Read more

 304 total views

ई यूपी ह एहिजा कुछऊ हो सकता

आगरा विश्वविद्यालय बीएड के इम्तिहान में 12800 परीक्षार्थी बइठलें बाकिर जब रिजल्ट तइयार होखे चलल त पता चलल कि बीस हजार कापी जंचा गइल बा। एह बात के जानकारी मिलते रिजल्ट के तईयारी रोक दीहल गइल बा अब जांच के आदेश दीहल गइल बा कि गड़बड़ी कइसे भइल आ के कइल।  338 total views

 338 total views

खेल शुरु होखे से पहिलहीं हरदी गुरदी बोले लागल कांग्रेस

यूपी कांग्रेस के आपन बेंवत आ औकात के बढ़िया से पता बा एही चलते अबहिऐं से बात उठे लागल बा कि यूपीओ में बिहारे का तरह भाजपा विरोधी गोलन के एकजुट क के ओही गठबन्हन में लड़े कांग्रेस. अकेले लड़ला से ओकर औकात के पता लाग जाई आ मुट्ठी भर सीट से अधिका ना जीत … Read more

 330 total views

टटका खबर : (शुक, 17 जुलाई 2015) अबेर संस्करण

राजद नेता लालू प्रसाद के कहना बा कि भाजपा के परिवर्तन रथन का जवाब में ऊ एक हजार टमटम से आपन चुनाव प्रचार शुरू करीहें. जान जाई कि राजनीतिक नौटंकीबाजी आ लबरई मे लालू के आजु ले कवनो सानी नइखे. उत्तर आ दक्खिन बिहार के जोड़े वाला पटना से सोनपुर का बीच गंगा नदी पर … Read more

 397 total views

टटका खबर : सबेर (बियफे, 16 जुलाई 2015)

पता ना कवना नक्षत्र के फेर बा कि जब जब पीएम मोदी के वाराणसी दौरा के कार्यक्रम बनेला तब तब बरखा उनकर आइल मुश्किल बना देले. आजुओ उनकर वाराणसी के कार्यक्रम बा आ रातही से रुक रुक के बरखा होखत बा. आजु उनुका एगो बिजली प्रोजेक्ट आ बीएचयू के ट्रामा सेंटर के उद्घाटन करे के … Read more

 404 total views

यूपी आ बलिया न्यूज – 25 मई 2015

वाराणसी में अपना मंत्रालय के रिपोर्ट कार्ड जारी करत रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा कहलन कि सरकार के पूरा कोशिश बा कि ट्रैक कंजेशन के कम कइल जाव. एह चलते ना त कवनो नया ट्रेन चलावल जात बा ना ही कवनो नया परियोजना शुरू होखी. सगरी जोर एह बात पर रही कि पुरनका परियोजनन के … Read more

 431 total views

यूपी आ बलिया न्यूज 24 मई 2015

बलिया जिला के बाँसडीह इलाका के एगो नर्सिंग होम में दू गो कर्मचारियन पर ओहिजा के एगो मरीज के बेटी अपना साथे संभोग करे के आरोप लगवले बिया. पुलिस दुनू आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. पुलिस मामिला के तहकीकात करे में लागल बिया आ एगो तिसरका साथी होखे के अनेसा जतावत बिया. देवरिया के … Read more

 416 total views