Go to ...
RSS Feed

योगी आदित्यनाथ

टटका खबर : 11 सितंबर 2014

टटका बिहार पटना पुलिस कार्यालय में पेंशन प्रभारी के पद पर काम करत प्रशिक्षु अवर निरीक्षक दिनेश कुमार सिंह के बुध का दिने चार हजार रूपिया घूस लेत घरी गिरफ्तार कर लिहल गइल. मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के कहना बा कि उनुका सरकार में कैबिनेट में शमिल होखे का बारे में फैसला राजद आ कांग्रेस

टटका खबर : 9 सितंबर 2014

टटका बिहार सिवान जिला के बड़हरिया में अतवार का दिने निकलल महाबीरी जुलूस के कुछ लोग चैन छपरा गाँव के मस्जिद का लगे से ना निकले दिहल जवना का बाद इलाका में तनाव पसर गइल बा. भारी पुलिस बंदोबस्त लगावल गइल बा कि हालात बिगड़े मत. इलाका में सोमारो का दिने कुछेक जगहा आगजनी, पथराव

नेपाल के रास्ते होखत घुसपैठ सख्ती से रोकल जाए, भाजपा

गोरखपुर 07 नवम्बर (वार्ता) गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ कहलन कि भारत नेपाल सीमा पर सुरक्षा व्यवस्था कड़ा होखे चाहीं काहे कि खुला सीमा का चलते आतंकवादी घुसपैठ के अनेसा हमेशा बनल रहेला. योगी आदित्यनाथ नेपाल सीमा से भारत मे होखत पाकिस्तान परस्त आतंकवादियन के घुसपैठ पर दावा कइलन कि पिछला डेढ़

महेसरा सेतु बनवावे खातिर योगी के धरना

गोरखपुर 25 अक्टूबर (वार्ता) गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ कहलन कि पूरा धन रहला का बावजूद महेसरा सेतु बनवावे में होखत लापरवाही माफिया प्रवृत्ति के ठेकेदारन आ भठियारा नौकरशाही के गठजोड के जीयत जागत नमूना बा. एह बारे में आयोजित धरना के संबोधित करत योगी आदित्यनाथ कहलन कि अगर 10 नवम्बर ले

संकल्प यात्रा खातिर निकलल योगी आदित्यनाथ गिरफ्तार, बाद में रिहा

अयोध्या में 18 अक्टूबर का दिन होखे वाला विहिप के संकल्प सभा पर रोक लगवला आ अयोध्या के तगड़ा घेराबंदी कइला का बावजूद विहिप कार्यकर्ता बड़हन संख्या में कारसेवकपुरम चहुँप के संकल्प लेबे में सफल रहले. खबर दबावे ला प्रशासन कारसेवकपुरम मे पत्रकारो लोग के ना जाए दिहलसि बाकिर लाउडस्पीकर पर संकल्प लेबे के आवाज

मुजफ्फंरनगर मामिला में एकतरफा कार्रवाई होखे के आरोप लगवले योगी आदित्यनाथ

गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा.सांसद योगी आदित्यनाथ उत्तर प्रदेश सरकार पर मुजफ्फरनगर हिंसा का मामिला में एकतरफा कार्रवाई करे के आरोप लगावत कहले बाड़न कि ई बाति न्याय का हित मे नइखे. कहलन कि अब सभे जान गइल बा कि एज दंगा का पीछे सपा. सरकार के बड़का मंत्री आ सरकार से जुडल लोग रहुवे.

बदहाल सडक आ बिजली वगैरह के समस्या ले के गोरखपुर में 16 से आन्दोलन

भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ आजु कहलन कि गोरखपुर महानगर आ जिला के बदहाल सडक. बिजली संकट, इन्सेफलाइटिस से होखत मौत, आ कानून व्यवस्था के खराब हालात का खिलाफ अगिला 16 से 25 सितम्बर ले आन्दोलन चलावल जाई. कहलन कि धन रहला का बावजूद सड़कन के मरम्मत नइखे होखत. पिछला छह महीना से प्रशासन से गोहार

पूरा ताकत लगा के दंगा कचारल जरूरी बतवलन योगी आदित्यनाथ

गोरखपुर के गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि मुजफ्फरनगर समेत राज्य के अउरियो जगहन पर होखत दंगा के पूरा ताकत लगा के कचारल जरूरी हो गइल बा. योगी आरोप लगवलन कि प्रदेश में दंगा सत्ता के संरक्षण मे होखत बा. अब त ई जेहादी ताकत मीडियो के निशाना पर

आदित्यनाथ आ मुलायम में तिताईल बहस

लोकसभा में आजु विहिप के चौरासी कोसी परिक्रमा रोके का मुद्दा पर भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ आ सपा सांसद आ सुप्रीमो मुलायम सिंह का बीचे तिताईल बहस सुने के मिलल. आजए फूड सेक्यूरिटी बिलो पेश होखे वाला रहुवे बाकिर परिक्रमा रोके का मुद्दा पर योगी प्रश्नकाल रोके के माँग कइले रहलें. एह मुद्दा पर तूतू

योगी आदित्यनाथ के ट्रेन से उतरवा लिहलसि यूपी पुलिस

झाँसी में जलाभिषेक करे जात गोरखपुर के भाजपा सांसद आ महंथ योगी आदित्यनाथ के कानपुर सेंट्रल स्टेशन पर पुलिस जबरदस्ती उतार लिहलसि. प्रशासन के कहना बा कि ओहिजा माहौल खराब बा आ अइसन में योगी आदित्यनाथ के चहूँपला से हालात अउर बिगड़ सकेला. एह खातिर पुलिस पहिलही से तइयार रहुवे आ कुशीनगर एक्स्प्रेस के चहुँपते

गोरखपुर के योगी आदित्योनाथ मोदी का खिलाफ खड़ा भइलन

गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री खातिर उम्मीदवार मत बनावे भाजपा आ एह पद ला सबले बढ़िया रहीहें लालकृष्ण आडवाणी. योगी के कहना बा कि जइसे पहिले आडवाणी अपना लोकप्रियता का बावजूद अटल जी के साथ जोड़ी बनवलन आ राजग के सरकार बन गइल वइसहीं अब मोदी

देश के नेतृत्व दे सकेला बिहार

गुठनी के बिहारी खुर्द में विष्णू महायज्ञ में आइल योगी आदित्यनाथ कहलें कि बिहार में बेंवत बा कि ऊ देश के नेतृत्व कर सके. बिहारे में बुद्ध के ज्ञान मिलल रहे आ महर्षि विश्वामित्र आपन आश्रम बिहारे का बक्सर में बनवलें,

‹‹Newer Posts