Go to ...
RSS Feed

रंगदारी

खेसारी से दू करोड़ के रंगदारी मांगल गइल

छपरा 03 अगस्त (वार्ता). भोजपुरी फिलिमन के बड़का स्टारन में शुमार अभिनेता खेसारी लाल यादव (शत्रुघ्न यादव) थाना में केस लिखववले बाड़न कि उनुका से बिहार के सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह के भतीजा दू करोड़ रुपिया रंगदारी मंगले बा आ ना दिहला पर जान से मारे के धमकी देले बा. सारण जिला के रसूलपुर थाना

आरा न्यूज, 14 अप्रेल 2018, शनिचर के 6 गो खबर

उदवंत नगर के पूरबी डेमहां गांव के परमहंस यादव के बेटा जीतेन्द्र (25 बरीस) शुक का दिने आरा सासाराम रोड पर गाँवे का लगे सड़क किनारा बन गइल गड़ही में अपना भईंसियन के नहवावे ले गइल रहुवे. गड़ही के गहराई के थाह ना लगला का चलते ऊ ओहिमें डूब गइल. जब भईंस घरे आ गइली

साधु यादव पर रंगदारी मांगे के अछरंग

लालू के सार साधु यादव पर रंगदारी मांगे के अछरंग लगवले बाड़न पटना के बिल्डर अनिल सिंह. उनकर कहना बा कि उनुका के जान से मरवावे के धमकी देत पचास लाख रुपिया के रंगदारी मांगल गइल बा. ओने साधु यादव केस लिखवले बाड़न कि उनुका पर झूठ अछरंग लगा के बदनाम करे के साजिश होखत

बड़ा बाबू घूस लेत गिरफ्तार, जेल में बंद अपराधी रंगदारी मंगले स

निगरानी जांच ब्यूरो आजु बियफे का दिने पूर्वी चंपारण जिला में मोतिहारी के सर्किल कार्यालय के बड़ा बाबू के दस हजार रुपिया के घूस लेत गिरफ्तार क लिहलसि. भोजपुर जिला में आरा केन्द्रीय जेल में बंद दू गो अपराधी एगो ठेकेदार से बीस लाख रूपिया रंगदारी म॓गले बाड़न स. बतावल जात बा कि विधायक रहल

डीपी ज्वेलर्स से रंगदारी माँगे का मामिला में पाँच गो बदमाश धरइले

बलिया के मशहूर गहना व्यापारी डीपी ज्वेलर्स से पचास लाख रुपिया के रंगदारी मांगे वाला बदमाशन के बियफे साॅझ के माल्देपुर का नियरा पुलिस ध लिहलसि. एहनी में डीपी के एगो कर्मचारियो शामिल बा जवन सगरी प्लान बनवले रहुवे. एह बदमाशन में जीरा बस्ती के संतोष कुमार सोनी, चितबड़ागांव के अशोक कुमार पांडेय, मिठवार के

बलिया डीपी ज्वेलर्स से पचास लाख के रंगदारी माँगल गइल

गँवे गँवे बलियो में अपराधी हावी होखे लागल बाड़े सँ. अब हाल ई बा कि शहर के एगो बड़हन आ प्रतिष्ठित गहना दुकान डीपी ज्वेलर्स के मालिक पिंटू सर्राफ से पचास लाख रुपिया रंगदारी माँगल गइल बा. अपराधियन के बार बार आवत फोन से हलकान हो के व्यापारी थाना में रपट दर्ज करवले बाड़न जहाँ

रंगदारी मांगे वाला गिरफ्तार

वाराणसी 06 जनवरी (वार्ता) वाराणसी पुलिस आजु एगो व्यापारी से रंगदारी मांगे वाला हिस्ट्रीशीटर बदमाश के मछोदरी पार्क से गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस बतवलसि कि आदमपुरा के रहे वाला इ बदमाश मनीष सारस्वत इलाके के एगो व्यापारी सागर शर्मा से तीस लाख रुपिया रंगदारी मांगत रहुवे . व्यापारी का शिकायत प पुलिस एह बदमाश के