रवि किशन
बरीस 1979 में आइल फिलिम जनता हवलदार के एगो गाना आजु बहुते याद आइल. ओह गीत के लिंक नीचे देले बानी. गीत के एगो पंक्ति रहुवे – हमपे इल्जाम है यह, चोर को क्यों चोर कहा काहे सही बात कही, काहे ना कुछ और कहा. एह गीत के याद करे के मौका दिहली सदी के
गोरखपुर के सांसद आ अभिनेता रवि किशन आजु केन्द्रीय सूचना अउऱ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावड़ेकर के पाती भेजि के निहोरा कइलन कि देशभर के सिनेमाघरन के दैहिक दूरी बनवले राखत खोले के अनुमति दीहल जाव. अपना पाती में रवि किशन लिखले बाड़न कि लॉकडाउन शुरू भइला का समये से पूरा देश के सगरी सिनेमाघर बन्द
तजिया निकाले के इजाजत देबे से मना कर दिहलसि सुप्रीम कोर्ट. यूपी के शिया नेता सैयद कल्बे जव्वाद अदालत से गोहार लगवले रहलें कि मोहर्रम पर तजिया जुलूस निकाले के इजाजत दीहल जाव जइसे कि पुरी रथयात्रा के दीहल गइल रहुवे. अदालत कहलसि कि पुरी रथ यात्रा से तजिया के तुलना ना कइल जा सके.
पहिलहीं एक महीना के सांसदी के तनखाह पीएम राहत कोष में दे चुकल रविकिशन अब ओह लोग के सहायता ला आगे अइलें जे एह घरी भोजन के संकट झोलत बाड़ें. फिल्म इंडस्ट्री के तकनिशियनन के अपना घरे बोला के राहत सामग्री के रूप में राशन बँटले. साथही एगो फोन नंबर 9161606666 जारी कइलन आ कहलन
कुआलालंपुर 22 जुलाई (वार्ता). मलेशिया के राजधानी कुआलालंपुर में मनावल गइल चउथका अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी फ़िल्म अवार्ड समारोह में भोजपुरी के मेगा स्टार रवि किशन कॆ भोजपुरी फिलिमन के जन्मदाता नजीर हुसैन के नाम से शुरू कइल गइल नजीर हुसैन अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. उनुका साथही अउरिओ कलाकारन के कई श्रेणी में अवार्ड बाँटल गइल.
जौनपुर 17 मार्च (वार्ता). भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार रवि किशन काल्हु राति जौनपुर के शाही किला में हो रहल तीन दिन के जौनपुर महोत्सव में शामिल भइलें. एह मौका पर कहलें कि उन्नाव में फिल्म सिटी बनावे के प्रस्ताव स्वीकार हो गइल बा. फिल्म सिटी बनला से प्रदेश में फिल्म उद्योग के बढ़ावा मिली. रवि
कोलकाता 15 मार्च (वार्ता). भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार रवि किशन के कहना बा कि कोलकाता में भोजपुरी सिने अवार्ड के कार्यक्रम कइला से दर्शकन के रुझान भोजपुरी फ़िलिमन का ओर बढ़ी. जान जाईं कि पांच मई के कोलकाता के नेताजी इनडोर स्टेडियम में भोजपुरी सिने अवार्ड के आयोजन होखे जा रहल बा. रवि किशन बतवलें