Go to ...
RSS Feed

रसड़ा

भोजपुरी पट्टी से 18 अगस्त 2018 के चार गो खबर

देवरिया में अदालत ने सेक्स कांड के तीन आरोपी को भेजा रिमांड पर देवरिया 18 अगस्त (वार्ता). उत्तर प्रदेश में देवरिया के अपर सत्र न्यायाधीन के अदालत मां विंध्यवासिनी महिला प्रशिक्षण एवं समाज सेवा संस्थान से संचालित बाल गृह बालिका, बाल गृह शिशु और सुधार गृह के तीन गो आरोपियन के तीन दिन ला रिमांड

टटका खबर, 29 जनवरी 2017

अखिलेश के राहुल से साथ से खिसियाइल मुलायम सिंह आजु एलान क दिहलन कि ऊ एह गठबन्हन ला प्रचार ना करीहन. कहलन कि एकर कवनो जरुरत ना रहल आ सपा अकेले सरकार बनावे लायक जीत हासिल क लीत अब पाँच बरीस के मौका गँवा दिहलन अखिलेश. उनुका इहो शिकायत बा कि कई लोग के टिकट

रंगदार सिपाहियन का खिलाफ रसड़ा कोतवाली के घेर लीहल लोग

रसड़ा के तीन गो बदनाम आ रंगदार सिपाही छठ के रात मोटरसाइकिल से जात एगो नवही के पकड़ लिहलें आ धौंस में लेबे खातिर गरियावे लगलन. नवही विरोध कइलसि त तीनो सिपाही ओकरा के पीटे लगलन आ पिटाई का बाद हवालात में डाल दिहलन. लोग के मालूम भइल त लोग कोतवाली घेर लीहल. एह बात

बलिया न्यूज : 11 जुलाई 2015

बलिया जिला में नदियन के बढ़त पानी से किनार के लोग दहशत में आए लागल बा. गंगा में हर घंटा दू सेन्टीमीटर पानी चढल जात बा. हालांकि घाघरा के पानी दू दिन से थिराइल बा त ओहिजा के लोग राहत के साँस लेत बा. बिल्थरारोड इलाका में चैनपुर गांव का नियरा घाघरा के कटान तेज

बलिया न्यूज : 10 जुलाई 2015

सदर कोतवाली के महावीर घाट हनुमान मंदिर का नियरा बियफे का साँझ मोटर साइकिल सवार दू गो बदमाश मोहन छपरा गांव के प्रधान सुरेंद्र प्रसाद बाइक पर पीछै बइठल प्रापर्टी डीलर विजय ठाकुर के गोली मार के भाग परइलें सँ. ठावें पर उनकर मौत हो गइल बाकिर लथपथ देह लेके लोग जिला अस्पताल चहुँपल जहाँ

बलिया न्यूज : 9 जुलाई 2015

बलिया काल्हु अपना दाढ़़ी बाबा युवा तुर्क आ देश के प्रधानमंत्री रहल स्व. चंद्रशेखर के जयन्ती मनवलसि आ कई जगहा एकर कार्यक्रम आयोजित भइल. बलिया जिला में कमाई करत झोला छाप डाक्टरन के धरे पकड़े खातिर एगो टीम बनावल गइल बा जवना में एसडीएम, सीओ अउर ओह इलाका के डिप्टी सीएमओ रहीहें. फर्जी कंपनी खोलके

बाप के डाँट का बाद बेटा फांसी प लटक गइल

बलिया जिला के रसड़ा इलाका के डेहरी गांव में बुध का भोर मे बाप से डटईला से नाराज होके बेटा फांसी लगा लिहलसि. कई दिन से स्कूल ना जाए से नाराज बाप डटलन त उ अपना कोठरी मे चल गइल आ दरवाजा बंद क के फांसी लगा लिहलसि. कुछ देर बाद लोग कोठरी खोलवावे के

आठ गो मवेशियन के ले जात दू गो पशु तस्कर धरइले

बलिया जिला के रसड़ा कोतवाली इलाका के बुलाकी दास मठिया का नियरा सोमार का रात पुलिस पिकअप पर मवेशी लदले दू तस्करन के गिरफ्तार क लिहलसि. एह बीच मौका के फायदा उठावत पिकअप के ड्राइवर भाग निकलल.

बिजली चोरावे का फेर मे दू जने झँउसले

बलिया जिला के रसड़ा के सरायभारती गांव में शनिचर का भोर मे खंभा से तार जोड़त एगो नवही के करंट ध लिहलसि. ओकरा के सटल देखि दोसर जने ओकरा के छोड़ावे का फेर मे अपने सट गइलन. बाद मे गाँव के लोग लाठी से एह लोग के छोड़ावल. झँउसल दुनू जने के इलाज अस्पताल में