Go to ...
RSS Feed

रसूलपुर

पकवाइनार का लगे एगो अधबूढ कचराइल

रसूलपुर चैनपुर सड़क प पकवाइनार का लगे सराँव गाँव के पचपन साल के परदेसी साह सबेर मे दिसा मैदान ला निकलल रहुवन जब एगो मोटरसाइकिल उनुका के कचारत भाग गइल. ओह मोटर साइकिल पर तीनलोग सवार बतावल जात बा.

माधोपुर के लड़िकी पिठौरा में अपना प्रेमी संगे धराइल

एक हफ्ता पहिले माधोपुर के एगो लड़िकी के परिवार वाले रसूलपुर थाना में मुकदमा दर्ज करवले कि उनुका लड़िकी के अपहरण हो गइल. पुलिस अपना जाँच का बाद जब ओकरा के सिवान जिला के धनौती थाना के पिठौरी गाव से बरामद कइलसि त पता चलल कि उ खुदे अपना प्रेमी राकेश बंसफोर संगे चल गइल

सारण १४ जनवरी

मंगल का दिने छपरा के राम जयपाल कालेज में बिहार के उपमुख्य मंत्री रहल स्व॰ राम जयपाल सिंह यादव के 92वीं जयंती मनावल गइल. समारोह के उद्घाटन कइलन मंत्री रहल उदित राय. आजादी के लड़वइया आ महान शिक्षाविद् ब्रजकिशोर बाबू के 136वीं जयंती मंगल का दिने छपरा के ब्रजकिशोर किंडर गार्टन में मनावल गइल. खुफिया

लाकठ छपरा में चइता के आयोजन

रामनवमी का मौका पर सारण जिला के रसूलपुर में लाकठ छपरा के जरती माई मंदिर पर चइता के आयोजन भइल. एह दू गोल चइता में एक गोल ब्यास दशरथ गिरी के रहुवे त दोसर गोल मनोज सहनी के. एह मौका पर आड़ल मनोकामना सिद्धि ट्रस्ट के अध्यक्ष रंजीत सिंह शेड बनवावे खातिर एक लाख आठ

नेपाल के शार्प शूटर घुरापाली में पकड़ाइल

सारण पुलिस बियफे का दिने रसूलपुर थाना के घुरापाली गांव से संतोष साह के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा लगे से पिस्तौल, कारतूस, पाँच गो मोबाइल आ एगो बोलेरो जब्त कइल गइल.बतावल जात बा कि झारखंड के बदनाम अपराधी का तलाश में झारखंड के पुलिस छपरा आइल आ घुरापाली में अमरेन्द्र तिवारी का मकान पर छापा