web analytics

मंदिर में बिआह करे आइल दुनु ओर के लोग पिटाइल

बलिया जिला के रसड़ा श्रीनाथ मठ मंदिर में बुध का दिने बिआह रचावे आइल कनिया आ दुलहा पक्ष के लोग के कुछ बदमाश लाठी से धुन दिहलें. एह हमला में दस गो औरत समेत पचीस लोग घवाहिल हो गइल. बाद में दुनु ओर के लोग जइसे तइसे पेड़ का नीचे बिआह रचावल. बतावल जात बा … Read more

 385 total views

नचनिया संगे नाचे का फेर में लाठी तड़कल

बलिया के रसड़ा इलाका में तुलकी दौपतपुर गाँव में आइल एगो बरात में कुछ बराती नाचेवाली का संगे नाचे का बहाने ओकरा से छेड़खानी करत रहलें. घराती एह तरह के हरकत के बेजा बतावत विरोध कइलन त झगड़ा होखे लागल एह मारपीट में दुनो तरफ के सात लोग घवाहिल हो गइल.  325 total views

 325 total views

दुकान में टाँगल टार्च बम फटला से एक आदमी घवाहिल

बलिया जिला के रसड़ा थाना के जाम गांव में हार्डवेयर का एगो दुकान में एगो पैकेट टाँगल रहल. मकान मालिक के पत्नी के लागल कि केहु नवमी में टोटका कर के कुछ टाँग दिहले बा. ऊ अपने ना उतरली आ अपना आदमी से कहली. टाँगल पैकेट उतारल गइल त ओहमें एगो टार्च रहुवे. अबही टार्च … Read more

 370 total views

रसड़ा में स्कूल बस पलटला से डेढ़ दर्जन विद्यार्थी घवाहिल

रसड़ा सेंट जेवियर्स स्कूल के एगो बस काल्हु उपरि बेरा विद्यार्थियन के स्कूल से घरे लवटावत घरी पावर हाउस का लगे पलट गइल. एह दुर्घटना में डेढ़ दर्जन विद्यार्थी घवाहिल हो गइलें. एहमें से पाँच गो लइकन के हालत अधिका खराब आ ओहनी के बलिया जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा. बतावल जात बा … Read more

 314 total views

रसड़ा में रेलवे फाटक से लड़ गइल टेंपो

बलिया जिला के रसड़ा में प्यारे लाल चौराहा का लगे रेलवे फाटक से मंगल का साँझि एगो टेंपो लड़ गंइल. एह चलते ताप्ती गंगा एक्सप्रेस के ढेर देर ले आउटर सिग्नल पर रोके पड़ल. आ बाद में पुलिस सुरक्षा क बीच एक्सप्रेस ट्रेन के कवनो तरह से खुलल फाटक का बीच रसड़ा स्टेशन ओर भेजल … Read more

 271 total views