राजद
बिहार विधानसभा चुनाव के घोषणा से पहिलहीं छरपा-छरपी के दौर चालू हो गइल बा. एह दौरान विरोधियन के नाथे के कोशिश त होखते बा अपना संघतियनो के जगहा देखावे के कोशिश हो रहल बा. नीतीश आ पासवान में कबो पटल ना बाकिर एह घरी भाजपा नीत राजग में दुनू गोल शामिल बा. एकरा बावजूद एक
इलाका क्रमांक जीतल उम्मीदवार जीतल गोल हारल उम्मीदवार हारल गोल वोट में फरक पहिले के रहल अररिया 9 प्रदीप कुमार सिंह भाजपा सरफराज आलम राजद 137241 तस्लीमुद्दीन (राजद) आरा 32 राज कुमार सिंह भाजपा राजू यादव माले 147285 राज कुमार सिंह (भाजपा) औरंगाबाद 37 सुशील कुमार सिंह भाजपा उपेन्द्र प्रसाद हिअमोसे 72607 सुशील कुमार सिंह
बिहार के 40 गो लोकसभा सीट में से महज अनइसे सीत पर मुसलमान यादवन के पार्टी राजद आपन उमीदवार खड़ा करी. बाकी के सीट महागठबन्हन के दोसरा गोलन के दिआइल बा. लालू आ उनका लाल तेजस्वी के आपन बेंवत के थाह लाग गइल बा. ओह लोग के गोल राजद का साथे बस मुसलमान यादव रह
पटना 28 मार्च (वार्ता). राष्ट्रीय जनता दल के कहना बा कि अगर मंगल का दिने विधानसभा में बिहार विनियोग विधेयक पर भोट गिने के उनुकर माँग माल लीहल जाइत त ओह समय बहुमत ना रहला का चलते नीतीश सरकार गिर जाइत. राजद के ललित यादव विधानसभा में प्रश्नकाल शुरू होखे से पहिले कहलन कि सोमार
पटना 14 मार्च (वार्ता). भभुआ से भाजपा के रिंकी रानी पांडेय कांग्रेस के शंभु पटेल के करीब 16 हजार भोट का अंतर से हरा के एह सीट पर भाजपा के कब्जा बरकरार रखववली. ई सीट उनुके पति आनंद भूषण पांडेय के निधन का चलते खाली भइल रहुवे. जहानाबाद विधानसभा क्षेत्र से मुख्य विपक्षी पार्टी राजद
पटना 11 मार्च (वार्ता). राज्यसभा चुनाव में राजद बिहार से अपना गोल के दू गो उमीदवारन के नाम आजु जारी क दिहलसि. राजद के प्रदेश अध्यक्ष रामचन्द्र पूर्वे राष्ट्रीय महासचिव भोला यादव का मौजूदगी में एहिजा राजद के प्रदेश कार्यालय में संवाददाता सम्मेलन बोला के कहलन कि राजद गोल के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव
राष्ट्रीय जनता दल के बोलतुआ रहल डॉ अशोक सिन्हा मंगल का दिने लालू प्रसाद यादव के बेटा आ नेता विपक्ष के काम करे का तरीका पर नाराजगी जतावत पार्टी से इस्तीफा दे दिहलन आ कहलन कि तेजस्वी जइसन नौसिखिउन का नीचे काम कइल राजद के बड़का नेता लोग के मंजूर नइखे. बॉलीवुड के सुपर स्टार
चारा घोटाला में मुजरिम करार हो चुकल लालू के पूरा परिवार प अब जेल जाए के अनेसा मँड़रात बा. अपना जेल जाए का बेरा अपना मेहरारू के सीएम बनवा के कुरसी प कायम रहे के तिकड़म करे वाला लालू के जब चुनाव लड़े के नाकाबिल बना दीहल गइल त ऊ अपना बेटन के अपना गोल
बिहार के सीएम आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार आजु एक बेर फेरु रेघरिया दिहलन कि ऊ भाजपा का साथे नइखन जाए वाला आ एह तह के कवनो बात बकवास छोड़ कुछ अउर ना ह. साथही इहो कहलन कि राजद के रैली महागठबन्हन के रैली ना ह एहसे ओह रैली में जदयू के दलगत
अपराधी आ बाहुबली नेता त हर दल में मिल जइहें बाकि राजद में भरल बाड़े। चारा चोर लालू के गोल के सांसद रहल नेता प्रभुनाथ सिंह के मशरख से विधायक अशोक सिंह के खून करे का अपराध में आजु उमर कैद के सजा सुना दिहलसि हजारीबाग के एगो अदालत। अलग बात बा कि 23 बरीस
सिवान के कुख्यात क्रिमिनल आ राजद सांसद रह चुकल सैयद शहाबुद्दीन के जेल से रिहाई के राह बनवा देला का बाद नीतीश सरकार के किरकिरी हो रहल बा. कुरसी के मोहपाश में पड़ल नीतीश चारा घोटाला में सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद से गाँठ जोड़ के बिहार के मुख्यमंत्री त बनि गइलन बाकिर उनुकर छवि हमेशा
बिहार के लोकप्रिय हिन्दी अखबार हिन्दुस्तान के सिवान ब्यूरो चीफ राजदेव रंजन के कुछ अपराधी टाउन थाना इलाका में ओवरब्रिज का लगे आजु सँझिया करीब साढ़े सात बजे गोली मार दीहलें. गोली मुड़ी से सटा के मारल गइल. एगो गोली माथ में आ दोसर गोली गरदन में लागल. बहुते घवाहिल एह पत्रकार के मौत अस्पताल
सिवान जिला के एगो विशेष अदालत काल्हु राजद का तरफ से सिवान के सांसद रह चुकल नेता शहाबुद्दीन के हत्यारा मान लिहलसि. एगारह बरीस पहिले दू गो नवहियन पर तेजाब डाल के ओहनी के हत्या करे का मुकदमा में अदालत काल्हु शहाबुद्दीन समेत चार जने के हत्यारा मान लिहलसि. एहमें से बाकी तीन जने –
आजु अतवार का दिने सारण जिला के मढ़ौरा में भाजपा के चुनाव सभा के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि परम आदरणीय लोकतांत्रिक नीतीश बाबू आ परम आदरणीय हिंदुस्तान के सबले बड़ तांत्रिक होखे के दावा करे वाला लालू जी, बिहार के जनता रउरा से पूछल चाहत बिया कि बिहार के नवहियन के बाहरी के
(मंगल, 13 जनवरी के खबर) राजद अध्यक्ष अध्यक्ष लालू प्रसाद आजु साफ कहलन कि जदयू आ राजद के आपस में घोरा जाए के कवनो उमीद नइखे. कहलन कि होखी त जनता पार्टी परिवार के सगरी गोल के घोल ना त केहू के ना. सुने में आवत बा कि मुलायम सिंह यादव सगरी गोल के घोल
कुछ दिन पहिले बिहार के मुख्यमंत्री के बयान आइल रहे कि अगर चुनाव में जदयू राजद कांग्रेस गठबन्हन के बहुमत मिलल त नीतीश कुमार मुख्यमशत्री बनीहे. एह बयान का बाद बिहार के राजनीति गरमा गइल बा. राजद के कहना बा कि अबहीं एह तरह के कवनो बातचीत भा फैसला नइखे भइल. एह बयान का चलते
अगिला 21 आगस्त के बिहार विधानसभा के 2 गो सीट ला होखे वाला उपचुनाव में नीतीश कुमार के जदयू, लालू प्रसाद के राजद आ कांग्रेस तीनो मिल के लड़ीहे. राजद चार सीट प, जदयू चार सीट प आ कांग्रेस दू सीट पर लड़ी. अइसहीं वाममोर्चा के भाकपा माले पाॅच गो प, माकपा तीन गो प
बिहार में दस गो विधानसभा सीट पर होखे जात उपचुनाव ला एक तरफ भाजपा नीत राजग आ दोसरा तरफ जदयू, राजद, कांग्रेस, वाम दल वगैरह पार्टियन के घेराबन्दी शुरु हो गइल बा. भाजपा के कहना बा कि राजग के सगरी दल एह उपचुनाव ला पूरा से तइयार बाड़े. ओने जदयू नेता आ बिहार के मुख्यमंत्री
बिहार में राजद अपना लोकसभा उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि. एकरा बाद लालू के सबले बड़का सिपहसालार आ राज्यसभा सांसद रामकृपाल यादव राजद से इस्तीफा दे दिहले. उनुकर मन रहे कि पाटलीपुत्र सीट से चुनाव लड़सु बाकिर लालू ओहिजा से अपना बेटी मीसा के टिकट दे दिहले. अब कहल जात बा कि रामकृपाल भाजपा
भारतीय जनता पार्टी आ रामविलास पासवान के लोक जनशक्ति पार्टी का बीच गठबन्हन के बातचीत अपना आखिरी दौर में बा आ दुनू पार्टी सीट के बंटवारा पर करीब करीब सहमत हो गइल बाड़ी सँ. बतावल जात बा कि लोजपा के बिहार में सात गो भा आठ गो सीट दीहल जाई. हालांकि इहो सुने में आवत
Older Posts››