Go to ...
RSS Feed

राजद

टटका खबर (बिहार से), २६ फरवरी २०१४

भारतीय जनता पार्टी आ रामविलास पासवान के लोक जनशक्ति पार्टी का बीच गठबन्हन के बातचीत अपना आखिरी दौर में बा आ दुनू पार्टी सीट के बंटवारा पर करीब करीब सहमत हो गइल बाड़ी सँ. बतावल जात बा कि लोजपा के बिहार में सात गो भा आठ गो सीट दीहल जाई. हालांकि इहो सुने में आवत

कांग्रेस धरी लालू के हाथ

पटना 19 दिसम्बर (वार्ता) बिहार मे अगिला लोकसभा चुनाव खातिर गठबन्हन ले के उहचुह मे फंसल कांग्रेस के आखिरकार लालू के राजदे के संगे गइल तय लागऽता. प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष अशोक चौधरी नई दिल्ली मे आज कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी आ काल्हु अध्यक्षा सोनिया गांधी से भेंट कइले रहले. एहसे बुझात बा कि गठबन्हन लेके

कांग्रेस जेकरे के आपन नेता बनावे, लालू ओकरे पाछा चलीहें

रांची 17 दिसम्बर (वार्ता) राजद:अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल लालू प्रसाद यादव आजु एगो संवाददाता सम्मेलन में कहलन कि कांग्रेस जेकरे के नेता बनाई उ ओकरे समर्थन करीहें. लालू इहो कहलन कि राहुल गांधी प्रधानमंत्री पद जोग बाड़न. बाकिर लालू का राय में कांग्रेस के चुनाव से पहिले अपना नेता के नाम के

नीतीश सरकार के रिपोर्ट के झूठ के पुलिन्दा बतवलसि राजद

पटना 25 नवम्बर (वार्ता) आठ साल से सरकार चलावत नीतीश कुमार आजु अपना उपलब्धियन के रिपोर्ट जारी कइलन जवना के राजद झूठ के पुलिंदा बतावत एकरा के गरीबन के हित का खिलाफ बतवलसि. राजद के प्रधान महासचिव आ सांसद रामकृपाल यादव कहलन कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जारी रिपोर्ट में झूठ.के अलावा कुछउ नइखे. पिछला

राबड़ी देवी के कहना कि राजद, कांग्रेस आ लोजपा मिल के लड़ें त क्लीन स्वीप

पटना 22 अक्टूबर (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी के कहना बा कि अगर बिहार में राजद, कांग्रेस आ लोजपा मिल के लड़ें त बाकी सगरी पार्टियन के सफाया हो जाई. लोजपा अध्यक्ष रामविलास पासवान से मुलाकात का बाद राबड़ी देवी पत्रकारन से कहली कि नीतीश कुमार आडवाणी के मुखौटा हउवें आ जदयू आ

मोदी के रोके ला लालू जइसन हिम्मत नइखे नीतीश मे, कहली राबड़ी

पटना 21 अक्टूबर (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री रहल आ राजद नेता राबड़ी देवी के कहना बा कि विधि व्यवस्था ला चुनौती बनल लालकृष्ण आडवाणी के रथ के जवना तरह साल 1990 मे तब के मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव रोक दिहले ओइसन हिम्मत नीतीश कुमार नइखन देखा पावत कि पटना आवत नरेन्द्र मोदी के रोक देसु.

लालू का गैरमौजूदगी में राजद के बइठक

काल्हु पटना में राजद के बइठक लालू प्रसाद के गैर मौजूदगी में भइल जवना में तय भइल कि जेल में रहला का बावजूद पार्टी के अध्यक्ष बनल रहीहे लालू प्रसाद आ एह दौरान पार्टी के काम काज राबड़ी देवी देखीहें. एह बइठक में रघुवंश प्रसाद सिंह ना अइले बाकिर राबड़ी देवी, तेजस्वी यादव, तेज प्रताप

राबड़ी आजु लालू से मिलिहें आ छह अक्टूबर के वरीय नेता लोग साथे बइठक करीहे

मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी आजु बुध का दिने रांची मे राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव से मुलाकात करीहे आ ओकरा बाद छह अक्टूबर के पार्टी के चुनिंदा बड़का नेता लोग संगे बइठ के लालू के गिरफ्तारी का खिलाफ “सहानुभूति लहर” के अपना पक्ष मे करे के रणनीति बनइहें. विधानसभा मे राजद विधायक दल के नेता

लालू पर फैसला का बाद राजद मुख्यालय पर सन्नाटा

राजद.अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के चारा घोटाला मामिला में जेल जातही पटना में राजद मुख्यालय पर सन्नाटा पसर गइल. पार्टी कार्यालय का पिछला हिस्सा मे अलगा से बनल कोठरियन में रहे वाला कुछ लोग निराशा जतावत कहल कि अइसन फैसला के उमेद ना रहल. पार्टी पदाधिकारियन के कक्ष पूरा खाली

धर्मनिरपेक्षता के ढोंग करत बाड़े नीतीश, कहलन राजद के रामकृपाल

राजद.के प्रधान महासचिव आ सांसद रामकृपाल यादव बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर धर्मनिरपेक्षता के ढोंग करे के आरोप लगावत कहले कि .भाजपा से गठबन्हन तूड़ के नीतीश धर्मनिरपेक्षता के झूठ मुखौटा पहिन लिहले बाड़न. जनता उनका ढोंग के बढ़िया से बूझत बिया आ अगिला चुनाव में नीतीश के बढ़िया से जवाब दी. राजद नेता

नरेन्द्र मोदी आ भाजपा के आरएसएस क मुखौटा बतवले लालू

राजद.अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव नरेन्द्र मोदी आ भाजपा.के आरएसएस. के.मुखौटा बतावत कहलन कि एह लोग के असली ताकत संघे ह जेकरा इशारा पर ई लोग देश मे साम्प्रदायिक सद्भाव बिगाड़ल चाहऽता. लालू प्रसाद यादव आज पटना में अपना पार्टी के अकलियत मुहिम रथ के हरिय झंडी देखा रवाना कइला का बाद कहलन कि एह रंथ

कोर्ट में पेश शहाबुद्दीन के जयकारा लगवले समर्थक

सोमार का दिने सिवान के सांसद रहल राजद के शहाबुद्दीन के अदालत में पेश कइल गइल त पूरा कोर्टकंपाउंड उनुका समर्थकन से खचाखच भरल रहे. ऊ लोग शहाबुद्दीन आ लालू राबड़ी के जयकार लगावत रहल. कहत रहे लोग कि जल्दिए शहाबुद्दीन बाइज्जत बरी हो जइहें. समर्थकन के आरोप रहे कि नीतीश सरकार एक ओर त

राजद नेता कामेश्वर सिंह मुन्ना गोल बदलीहें

अपना पार्टी से नाराज कामेश्वर कुमार सिंह मुन्ना जे पिछला चुनाव में एकमा विधानसभा से राजद उम्मीदवार का तौर पर चुनाव लड़ल रहलें अब जदयू में शामिल होखे के एलान कइले बाड़न. एह एलान से पहिले ऊ अपना समर्थकन संगे बइठक कइलें.

सिवान में राजद कार्यकर्तन के पिटाई

शहर के सराय मोड़ का लगे शनिचर के सबेरे एगो कोचिंग छात्र के कुछ राजद कार्यकर्ता कवनो बात पर पीट दिहलें. एह घटना के बाद ओकर साथी छात्र बिटोराए लगले आ घूम घूम के शहर में लगावल राजद के बैनर आ गेट तूड़े लगले. एह बीच कई जगहा राजद कार्यकर्तन के पिटाइओ कइल गइल.

गोपालगंज में लालू के परिवर्तन रैली

आजु शुक का दिने गोपालगंज में लालू के राजद परिवर्तन रैली निकाले वाला बा जवना खातिर पूरा शहर के क आउट आ झंडा बैनर से पाट दिहल गइल बा. राजद एह रैली के सफल बनावे ला आपन पूरा ताकत झोकं दिहले बिया. रैली का बाद दू बजे दिन में गोपालगंज के मिंज स्टेडियम में लालू

राजद के पेश कइल अविश्वास प्रस्ताव के कांग्रेस समर्थन ना दिहलसि

आजु बिहार विधानसभा में पेश अविश्वास प्रस्ताव एह काम खातिर जरूरत भर विधायक ना जुटा पवला का चलते खारिज कर दिहल गइल. अविश्वास प्रस्ताव खातिर तेइस गो विधायकन के समर्थन चाहत रहुवे जबकि प्रस्ताव पेश करे वाली पार्टी राजद के आपने चार गो विधायक गैर हाजिर रहलें. कांग्रेस आ भाकपा विधायको एकर समर्थन ना कइले.

आरा में राजद नेता के बेटा के गोली मार दिहल गइल

भोजपुर जिला के आरा नगर थाना इलाका में राजद जिला इकाई के सचिव मोहम्मद एकराम के बेटा के सोमार के रात गोली मार के मुआ दिहल गइल. मोहम्मद आफताब आलम एगो निकाह में शामिल होखे जात रहल जब धरहरा मठ के नियरा पहिले से घात लगा के बइठल कुछ बदमाश उनुका के गोली मार दिहलन.

‹‹Newer Posts