राजनीति
गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा. सांसद योगी आदित्यनाथ कहले बाड़न कि मुजफफरनगर मे सत्ता के संरक्षण मे हिन्दुअन के नरसंहार भइल आ सपा सरकार एकतरफा कार्रवाई करके हिन्दुअन के प्रताडित कइलसि. लखनऊ में जारी बयान में योगी कहले बाड़न कि मुजफ्फरनगर के घटना के सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव का तरफ से जातीय संघर्ष कहल
बियफे का दिने सुशील मोदी भाजपा के शीर्ष नेता लालकृष्ण आडवाणी पर टिप्पणी कइलें कि आडवाणी जी जनता के मूड भाँपे में फेल कर गइल बानी. दोसरा तरफ आडवाणी के सहयोगी रहल सुधीन्द्र कुलकर्णी नरेन्द्र मोदी के आलोचना करत कहलन कि मोदी देश के प्रधानमंत्री बने जोग नइखन. (वार्ता)
केन्द्रीय मंत्री रह चुकल आ कांग्रेस के वरिष्ठ नेता दशई चौधरी बियफे का दिने अपना समर्थकन के साथे भाजपा: मे शामिल हो गइलें. एह मौका पर उनकर कहना रहे कि ऊ गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के व्यक्तित्व से प्रभावित होके ई फैसला कइलन. दशई चौधरी के शामिल करावे ला पटना में भाजपा के प्रदेश
आगरा में भइल सपा कार्यकारिनी का बइठक में आजम खाँ के गैरहाजिर रहला का बाद अनेके सपा नेता उनका खिलाफ मोर्चा खोल दिहले बाड़न. मुलायम सिंह यादव के भाई प्रो॰ रामगोपाल यादव त इहाँ ले कह दिहलन कि अगर आजम खाँ के पद के गरिमा के ख्याल नइखे त उनुका इस्तीफा दे सकेलें. कहलन कि
उत्तर प्रदेश के राजनीति झकझोर के राख देबे वाला मुजफ्फरनगर दंगा समाजवादी पार्टी के मुश्किल बढा दिहले बा काहे कि सपा के मजबूत वोट बैंक मुसलमानन में बहुते नाराजगी लउकत बा सपा से. आगरा में भइल सपा के कार्यकारिणी में अनेके मुस्लिम नेता कहलन कि फोकट में लैपटाप बँटला का बजाय गरीबन के जान बचावे
भाजपा के हुंकार रैली खातिर पटना के एतिहासिक गाँधी मैदान देबे से पटना जिला प्रशासन हीलाहवाली करत बा.. एकरा के नीतीश कुमार के हिटलरी आदेश बतावत भाजपा कड़ा नाराजगी जतवले बिया. भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष आ विधान पार्षद मंगल पांडेय काल्हु पटना में बतवलें कि 27 अक्टूबर के होखे वाला हुंकार रैली खातिर छह महीना
गांधीनगर में आजु वाइब्रेट गुजरात ग्लोबल एग्रीकल्चर समिट.. के उद्घाटन करत गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि देश के खेती नीति पर फेरु से नया सिरा से विचार कइला के जरूरत बा. आ एह खातिर नया शोध आ अनुभव के सहारा लेबे के चाहीं. मोदी कहलन कि देश में खेती जोग जमीन में बढ़ोतरी