web analytics

कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी पड़ल

टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी फेरत केन्द्र सरकार एलान कर दिहलसि कि अब देश के 18 बरीस से उपर के सगरी नागरिकन के केन्द्र का खरचा पर कोरोना वैक्सिन लगावल जाई. कोरोना वैक्सिन बनावे वाली कंपनियन के 75 प्रतिशत उत्पाद केन्द्र सरकार खरीद ली … Read more

 22 total views

टटका खबर, बियफे, वैशाख अंजोरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

भाजपा अपना समर्थकन के राय के अनसुनी ना करे एकर सबले ताजा नमूना देखे के मिलल जब हिन्दू विरोधी आ मोदी के कटु आलोचक रहल दिनेश मनेसर का साथे खेला हो गइल. पहिले उत्तराखंड सरकार मनेसर के मीडिया सलाहकार बनावे के फैसला कइलसि. सुनते सोशल मीडिया पर भाजपा समर्थक एह फैसला का छीछालेदर कइल शुरु … Read more

 15 total views

टटका खबर, बियफे, 27 दिसम्बर 2018

राजस्थान में बाँट-बखरा के काम सलटा लिहलसि कांग्रेस राजस्थान में सत्ता के मलाई बाँटे में तीन दिन से अझूराइल कांग्रेस मामिला सलटा लिहलसि. अब मुख्यमंत्री अशोक गहलोत का लगे वित्त आ गृह विभाग रही जबकि उनुका डिप्टी साहब सचिन पायलट लोक निर्माण विभाग से आपन भावी निर्माण करीहें. तीन तलाक पर आजु लोकसभा में चरचा … Read more

 30 total views,  1 views today

शाही समारोह मे वसुन्धरा राजे के किरिया धरावल गइल

जयपुर 13 दिसम्बर (वार्ता) प्रचंड बहुमत से सत्ता मे आइल वसुंधरा राजे के आजु एहिजा विधानसभा परिसर मे भइल एगो शाही समारोह में राजस्थान के राज्यपाल मार्ग्रेट अल्वा पद आ गोपनीयता के किरिया धरवली. प्रदेश के संसदीय इतिहास मे इहो एगो एतिहासिक मौका रहल जब कवनो महिला मुख्य मंत्री के महिला राज्यपाल किरिया धरवली. विधानसभा … Read more

 19 total views

विधानसभा चुनाव 2013

दिल्ली विधानसभा (70 सीट) भाजपा (जीत+बढ़त) 32 कांग्रेस(जीत+बढ़त) 08 एएपी(जीत+बढ़त) 28 तिसर(जीत+बढ़त) 002 मध्य प्रदेश विधानसभा (230 सीट) भाजपा (जीत+बढ़त) 165 कांग्रेस(जीत+बढ़त) 058 तिसर(जीत+बढ़त) 007 राजस्थान विधानसभा (199* सीट) भाजपा (जीत+बढ़त) 162 कांग्रेस(जीत+बढ़त) 021 तिसर(जीत+बढ़त) 016 छतीसगढ़ विधानसभा (90 सीट) भाजपा (जीत+बढ़त) 49 कांग्रेस(जीत+बढ़त) 39 तिसर(जीत+बढ़त) 02 आखिरी फैसला  50 total views

 50 total views

विधान सभा चुनाव २०१३ के खास खास खबर

वसुन्धरा राजे अपना जीत खातिर नरेन्द्र मोदी के धन्यवाद दिहली. शिवराज सिंह अपना जीत खातिर नरेन्द्र मोदी के नाम ना लिहले. छतीसगढ़ में भाजपा फेरू बहुमत में आइल. विजय कुमार मल्होत्रा के बेटा हार गइले. एएपी के मनीष सिसोदिया चुनाव जीतले. दिल्ली विढ़ानसभा अध्यक्ष योगानंद शास्त्री चुनाव हरलें. उनका के साहिब सिंह वर्मा के बेटा … Read more

 76 total views,  5 views today

राजस्थान मे दुपहरिया बारह बजे ले 20 फीसदी मतदान

जयपुर 01 दिसम्बर (वार्ता) राजस्थान मे चौदहवां विधानसभा के चुनाव खातिर 200 सीट मे से 199 गो सीट खातिर कडेर आ चउकस सुरक्षा व्यवस्था का बीच आजु वोट डलात बा. अलवर जिला के एगि बूथ प अर्धसैनिक बल के हवाई फायर आ कुछ बूथ पर ईवीएम मे आइल खराबी के खबर का बीच दुपहरिया 12 … Read more

 89 total views

राजस्थान विधानसभा चुनाव ला करीब तीन हजार परचा दाखिल

जयपुर 12 नवम्बर (वार्ता) चुनाव विभाग से मिलल जानकारी बा कि विधानसभा चुनाव ला अबही ले 2979 उम्मीदवारो 4026 गो परचा दाखिल कइले बाड़े. परचा दाखिल कर के आजु आखिरी दिन रहुवे. परचा दाखिल करे वाला उम्मीदवार 16 नवम्बर ले आपन नाम वापस ले सकीहें. वोट एक दिसम्बर के पड़ी आ आठ दिसम्बर के गिनाई. … Read more

 37 total views

राहुल के दीहल फार्मूले पर अमल ना भइल राजस्थान में

जयपुर 10 नवम्बर (वार्ता) राजस्थान मे अगिला एक दिसम्बर के होखे वाला विधानसभा चुनाव ला पैराशूट उम्मीदवार ना उतारे के राहुल के फार्मूला पर अमल नइखे होखत. काल्हु जारी सूची में मालपुरा से दू बेर हारल प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष डा.चन्द्रभान के मौजूदा विधायक रीटा चौधरी के टिकट काट के मंडावा से टिकट दीहल गइल बा. … Read more

 43 total views

लोकजन शक्ति पार्टी राजस्थान में 50 सीट से चुनाव लड़ी

अलवर 06 नवम्बर (वार्ता) लोक जनशक्ति पार्टी राजस्थान मे 50 सीटो पर आपन प्रत्याशी खड़ा करी. लोजपा संसदीय बोर्ड के अध्यक्ष चिराग पासवान बतवले कि राजस्थान विधान सभा के एक दिसम्बर के होखे वाला चुनाव में लोजपा 50 गो प्रत्याशी मैदान मे उतारी. उम्मीदवारन के सूची अगिल तीन दिन में जारी क दीहल जाई.  35 total … Read more

 35 total views

कांग्रेस और भाजपा में टिकट लेके गुटबाजी चरम पर

जयपुर 31 अक्टूबर (वार्ता) राजस्थान में एक दिसंबर के होखे वाला विधानसभा चुनाव में टिकट खातिर कांग्रेस आ भाजपा में जम के गुटबाजी चलला का चलते उम्मीदवार तय नइखन हो पावत. आज होखे वाला भाजपा के केन्द्रीय चुनाव समिति के बइठक टार दीहल गइल. कांग्रेसो के छानबीन समिति के आज दिल्ली में होखे वाली बइठक … Read more

 69 total views

मोदी अल्पसंख्यकन के दिल छूवत कांग्रेस पर निशाना सधले

उदयपुर.26 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा.के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी एहिजा एगो चुनावी सभा में सांप्रदायिकता सिखावे के दोष कांग्रेस प लगावत कहलन कि गोपालगढ़ समेत राज्य मे भइल पचीसन दंगा का चलते कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी मानवाधिकार आयोग, अल्पसंख्यक आयोग आ अपने सरकार प भरोसा तज दिहले बाड़े. कहलन कि राहुल गाँधी के अपने … Read more

 44 total views

चुनावी जंग में भाजपा व्यूह रचत बिया

नई दिल्ली 22 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा कहत बिया कि पांच राज्यन में होखे वाला विधानसभा चुनाव मे भाजपा आ कांग्रेस का बीच .कुशासन बनाम सुशासन. के लड़ाई होखी आ लाल कृष्ण आडवाणी, राजनाथ सिंह, आ नरेन्द्र मोदी समेत सगरी बड़का नेता पूरा दम खम से चुनाव प्रचार में लगीहें. लोकसभा चुनाव से पहिले होखत एह … Read more

 60 total views