Go to ...
RSS Feed

राज्यसभा चुनाव

अखिलेश के बोलावल बइठक में ना अइलें शिवपाल

लखनऊ 21 मार्च (वार्ता). राज्यसभा चुनाव लेके बोलावल सपा गोल के विधायकन का बइठक में आजु नितिन अग्रवाल आ शिवपाल सिंह यादव के गैरमौजूदगी चर्चा के विषय बन गइल. सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव राज्यसभा खातिर 23 मार्च के होखे जा रहल चुनाव लेके सपा मुख्यालय में पार्टी विधायकन के ई बइठक बोलवले रहलें. एह बइठक

बसपा उमीदवार के राज्यसभा चहुंपावे ला सपा गोल जबरदस्त दबाव में

लखनऊ, 15 मार्च (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी से मिलल समर्थन का बूता पर लोकसभा उपचुनाव में विजय पताका लहरावे वाली समाजवादी गोल के अब उपहार का तौर पर राज्यसभा में बसपा प्रत्याशी भीमराव अंबेडकर के भेजै ला जबरदस्त दबाव बा. यूपी से राज्यसभा के दस सीट पर एगारह उमीदवार हो गइला का चलते भोयिंग जरुरी

भोजपुरी पट्टी से, 13 मार्च 2018, मंगल

आनन्द अग्रवाल अपना समर्थकन संग सपा से किनारा कइलन लखनऊ 13 मार्च(वार्ता). समाजवादी गोल के व्यापार सभा के अध्यक्ष आनन्द अग्रवाल समेत कई नेता आजु अपना पद से इस्तीफा दे दिहलें. एह लोग के कहना बा कि सपा व्यापारी वर्ग आ वैश्य समाज के अनदेखी करत बिया. एह लोग के इहो शिकायत बा कि बसपा

यूपी से राज्यसभा चुनाव भइल रोचक, एगारह ना तेरह जने

लखनऊ 12 मार्च (वार्ता) यूपी से राज्यसभा के दस गो खाली होखे वाला सीटन के चुनाव ला काल्हु आखिरी दिने ले तेरह लोग आपन परचा दाखिल करा दीहल. एहमें से अकेले भाजपे से एगोरह जने परचा दाखिल कइले बाड़ें. सपा से एगो आ बसपा से एगो. एह तरह कुल मिला के तेरह उमीदवार हो गइला

दस गो सीट, एगारह परचा : चुनाव मजेदार भइल

लखनऊ 12 मार्च (वार्ता). यूपी से राज्यसभा के दसे गो सीट खाली बा आ ओही पर एगारह जने के परचा आजु आखिरी दिने दाखिल हो गइल. अगर सगरी परचा सही निकलल आ केहु आपन परचा वापिस ना लीहल त चुनाव जरुरी हो जाई. यूपी विधानसभा के गणित का हिसाब से चुनाव जीते ला 37 गो

बिहार से राज्यसभा चुनाव ला छह गो परचा दाखिल

पटना 12 मार्च (वार्ता). बिहार से राज्यसभा के छह सीटन पर होखे जात चुनाव ला परचा दाखिल करे का आखिरी दिने कुल छहे गो परचा दाखिल हो गइल. दुनु तरफ से तीन तीन जने के परचा दाखिल भइल बा. अगर अउरी केहु आपन परचा दाखिल ना करी त एह छहो लोग के निर्विरौध चुनल मान

राज्यसभा चुनाव : जया बच्चन सपा उम्मीदवार के तौर पर परचा दाखिल कइली

लखनऊ 09 मार्च (वार्ता). राज्यसभा चुनाव में समाजवादी गोल के उम्मीदवार जया बच्चन आजु आपन परचा दाखिल कर दिहली. विधानभवन के सेंट्रल हाल में जया बच्चन के परचा दाखिल करत घरी पार्टी अध्यक्ष अखिलेश यादव के सांसद पत्नी डिंपल यादव, किरणमय नंदा, अभिषेक मिश्रा आ राजेंद्र चौधरी के अलावे सुब्रत राय सहारा मौजूद रहलें. परचा

भीमराव अम्बेडकर राज्यसभा ला परचा दाखिस कइलन

लखनऊ 07 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश से राज्यसभा खातिर बसपा के उम्मीदवार भीमराव अम्बेडकर आजु आपन परचा दाखिल क दीहलन. राज्यसभा चुनाव ला यूपी से पहिलका परचा दाखिल करे वाला भीमराव अम्बेडकर आजु चुनाव अधिकारी आ विधानसभा के प्रमुख सचिवो प्रदीप दुबे का सोछा आपन परचा पेश कइलन. एह मौका पर उनुका साथे पार्टी के

File Photo of Sushil Modi

टटका खबर, 5 मार्च 2018, सोमार

बिहार में वित्तीय प्रबंधन प्रणाली 01 अप्रैल से ऑनलाइन हो जाई पटना 05 मार्च (वार्ता). बिहार के उप मुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी सोमार का दिने एलान कइलन कि राज्य का वित्तीय प्रबंधन में पारदर्शिता ले आवे खातिर 01 अप्रैल से ऑनलाइन व्यापक वित्त प्रबंधन प्रणाली (सीएफएमएस) लागू हो जाई आ सरकार के

टटका खबर, 4 मार्च 2018, अतवार

राज्यसभा चुनाव में जेटली के मैदान में उतार सकेले भाजपा लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) संख्या बल का लिहाज से भारतीय जनता पार्टी खातिर बहुते खास होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में केन्द्रीय मंत्री अरूण जेटली के अलावा राज्य के कुछ अउरियो कद्दावर नेतन का नाम पर सोच विचार हो रहल बा. यूपी से राज्यसभा के

जीरो लॉस थ्योरी के जनक टोटल लॉस का आमने सामने

राज्यसभा चुनाव विधायकन का भरोसे होला आ एह चलते पहिलहीं से मालूम रहेला कि कवन भईंस कतना पानी में बिया. बिहार से त ओतने लोग परचा भरले बा जतना सीट बा आ एह चलते सभे जना निर्विरोध चुना जइहें. बिहार से राज्यसभा के पांच गो सीट के चुनाव होखे वाला बा आ एहिजा से पांचे