रिजर्वेशन करावल आसान बनवलसि रेलवे
July 1, 2013
आजु पहिला जुलाई से रेलवे में रिजर्वेशन करावे के काम एसएमएस से होखे लागल बा. अब ना त काउंटर पर घंटन खड़ा रहे के पड़ी ना कंप्यूटर पर घंटन लागे के पड़ी. बस आपन मोबाइल नंबर आईआरसीटीसी की वेबसाइट पर रजिस्टर करवा लीं आ जब जरूरत होखे त अपना मोबाइल से एगो एसएमएस भेज दीं.