Go to ...
RSS Feed

रेल बजट

रेल बजट में बिहार आ उत्तर प्रदेश के मिलल सौगात

नया लाइन बिछावल जाई आनन्दनगर से घुघली ले वाया महाराजगंज, आ पीरपैंती से जसीडीह, नया लाइन बिछावल जाई. बनारस से बलिया के बीच डबल लाइन कइल जाई. नया रेलगाड़ी बांद्रा टर्मिनस से रामनगर साप्ताहिक एक्सप्रेस वाया नगदा,मथुरा, कानपुर, लखनऊ, रामपुर जयपुर लखनऊ एक्सप्रेस हफ्ता में तीन दिन वाया बंदीकुई,मथुरा, कानपुर गुवाहाटी आनन्द विहार साप्ताहिक एक्सप्रेस

गरीब तबका पर बोझा डाल दिहल गइल बा रेल बजट से

आजु पेश रेल बजट पर उत्तर प्रदेश के अनदेखी के शिकायत कइले बाड़े सगरी गैर कांग्रेसी दल के नेता. सपा नेता मुलायम सिंह के कहना बा कि अतना खराब बजट आजु ले ना आइल रहुवे. मायावती कहले बाड़ी कि गरीब तबका पर बोझा डाल दिहल गइल बा आ ओकरा कुछ भैंटाइल नइखे सुविधा के नाम

रेल बजट में बिहार के अनदेखी

आजु पेश रेल बजट के आलोचना करत बिहार के मुख्यमंत्री कहलन कि एह बजट में बिहार के एकदमे अनदेखी कर दिहल गइल बा. लालू प्रसाद कहलन कि उनका समय में रेल के घाटा खतम कर के ऊँचाई पर चहुँपा दिहल रहुवे बाकिर आजु हालात बदल गइल बा. रेल बजट में बिहार में लटकल रेल परियोजनन