web analytics

१ मार्च २०१४ के खबर एक नजर में

अतवार का दिने बिहार सरकार चलावत जदयू के गोहार पर बिहार बंद रही. जब खुद मुख्यमंत्री बंद के गोहार लगावसु त कुछ खुलल कइसे रहि जाई. शनिचर का दिने बिहार में जगहे जगहे मशाल जुलूस निकालल गइल आ साँझि के थरिया पीटल गइल. नीतीश कुमार के कहना बा कि केन्द्र चाहे त 24 घंटा मे … Read more

 20 total views

मोदी के गोरखपुर रैली मानवेल मैदान मे

लखनऊ 10 जनवरी (वार्ता) भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के गोरखपुर मे रैली सुभाष जयन्ती का दिने 23 जनवरी के मानवेल मैदान मे होखी. पार्टी के प्रदेश प्रवक्ता विजय बहादुर पाठक इ जानकारी दिहले आ कहलन कि रैली के जगहा के फैसला प्रदेश अध्यक्ष लक्ष्मीकान्त बाजपेयी, गोरखपुर के सांसद योगी आदित्य नाथ, … Read more

 38 total views

पहिले बाबा विश्वनाथ के दरबार तब रैली में जइहें नरेन्द्र मोदी

लखनऊ 19 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह आ पार्टी के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी शुक का दिने वाराणसी मे बाबा विश्वनाथ के दर्शन कइला का बाद रैली के सम्बोधित करीहें. प्रदेश भाजपा के बोलतुआ विजय बहादुर पाठक बतावत बाड़न कि नरेन्द्र मोदी स्पेशल विमान से वाराणसी अइहें आ पहिले संकट मोचन मंदिर … Read more

 26 total views

मोदी के रैली से पहिले नमाज अता करवावे के कवनो कार्यक्रम नइखे

वाराणसी 19 दिसम्बर (वार्ता) नरेन्द्र मोदी के वाराणसी रैली से पहिले ओहिजा नमाज अता करवावे का बारे में अफवाह पसर गइल बा कि ओहिजा पहिले नमाज अता करवावल जाई. प्रदेश अध्यक्ष डा॰ लक्ष्मीकांत बाजपेयी कहले बाड़न कि कुछ अखबारन में एह तरह के खबर छपल बा जवन बेबुनियाद बा. कहलन कि रैली राजनीतिक कार्यक्रम ह … Read more

 16 total views

मायावती के जन्मदिन से बसपा के चुनाव अभियान शुरू होखी

लखनऊ 17 दिसम्बर (वार्ता) बसपा आपन चुनाव अभियान अपना सुप्रीमो पार्टी अध्यक्ष मायावती के जनमदिन 15 जनवरी का दिने लखनऊ में एगो बड़हनरैली क के करी. एह बाबत काल्हु का बइठका में लीहल गइल. एह महारैली में राज्य के सगरी 403 विधानसभा इलाका के लोग शामिल होखी. हर विधानसभा इलाका से कम से कम पाँच … Read more

 10 total views

फिरकावाराना दंगा रोके वाला विधेयक ला कांग्रेस गभीर नइखे, कहलसि माले

पटना 30 अक्टूबर (वार्ता) भाकपा माले के राष्ट्रीय महासचिव दीपंकर भट्टाचार्या पटना में खबरदार रैली में बोलत कांग्रेस प आरोप लगवलन कि कांग्रेस नेतृत्व वाली संप्रग सरकार फिरकावारान दंगा रोके वाला विधेयक संसद से पार करावे ला गंभीर नइखे. एह चलते देश में फिरकावाराना वारदात रोके में दिक्कत होखत बा. फिरकापरस्त ताकत हालात बिगाड़े में … Read more

 66 total views

राहुल के रैली के भाव नइखे देत जनता

महोबा 29 अक्टूबर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के महोबा मे कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के बुध का दिने होखे वाली राठ रैली खातिर बुंदेलखण्ड के लोग कवनो रुचि नइखे देखावत. ई देख कांग्रेसियन के होश उड गइल बा. केन्द्रीय कोयला मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल आ प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष निर्मल खत्री गांवे गाँवे जा के लोग के समुझावे … Read more

 89 total views,  5 views today

बुन्देलखंड में राहुल के रैली वाला जगह के एसपीजी कब्जा में लिहलसि

महोबा 28 अक्टूबर (वार्ता) नरेन्द्र मोदी के पटना रैली में भइल बम धमाकों से सबक लेत उत्तर प्रदेश सरकार काग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के बुन्देलखण्ड में 30 अक्टूबर के होखे जात रैली ला बहुते सतर्क रहे के निर्देश जारी कइले बिया. एह चलते हमीरपुर जिला के राठ कस्बा के रैली से चौबीस घण्टा पहिले से … Read more

 45 total views

कांग्रेस संघ पर हमला बोललसि

देवरिया 28 अक्टूबर (वार्ता) उ.प्र. कांग्रेस कमेटी के प्रदेश अध्यक्ष निर्मल खत्री देवरिया में कहलन कि आरएसएस देश में शान्ति आ सद्भाव बिगाड़त आइल बा. निर्मल खत्री 30 अक्टूबर के सलेमपुर मे होखे वाला राहुल गांधी के रैली के तइयारी खातिर आइल रहले. खत्री पत्रकारन से कहलन कि केन्द्र सरकार खाद्य सुरक्षा बिल ले आके … Read more

 56 total views

राष्ट्रपति के पटना कार्यक्रम में बदलाव के भाजपा स्वागत कइलसि

भाजपा राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के पटना कार्यक्रम मे फेरबदल करे आ 27 अक्टूबर के पटना में होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली से एकदिन पहिलहीं दिल्ली लवटि जाए के फैसला पर उनका प्रति आभार जतावत राष्ट्रपति के यात्रा के स्वागत कइले बिया. पहिले बतावल गइल रहे कि राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी 26 अक्टूबर के पटना अइहें … Read more

 52 total views

राष्ट्रपति के पटना कार्यक्रम में बदलाव के भाजपा स्वागत कइलसि

भाजपा राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के पटना कार्यक्रम मे फेरबदल करे आ 27 अक्टूबर के पटना में होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली से एकदिन पहिलहीं दिल्ली लवटि जाए के फैसला पर उनका प्रति आभार जतावत राष्त्रपति के यात्रा के स्वागत कइले बिया. पहिले बतावल गइल रहे कि राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी 26 अक्टूबर के पटना अइहें … Read more

 47 total views

मोदी के रैली रोकाइल त ठीक ना होखी कहलसि भाजपा

भाजपा. आजु उत्तर प्रदेश के सपा सरकार के चेतवले बिया कि अगर प्रदेश में होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैलियन के रोके के कोशिश भइल त एकर बहुते गंभीर परिणाम होखी. भाजपा आजु विज्ञप्ति जारी कर के सरकार के चेतवलसि कि मोदी के रैलियन मे अडंगा लगावे से बाज आवे. भाजपा के कहना बा कि … Read more

 40 total views

मोदी के कानपुर में रैली 19 अक्टूबर के

कानपुर में होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली के तारीख अब उनइस अक्टूबर तय भइल बा. एह रैली में पार्टी अध्यक्ष राजनाथ सिंह समेत अनेके नेता मौजूद रहीहें. पार्टी के दावा बा कि रैली ऐतिहासिक होखी. (वार्ता)  57 total views

 57 total views

मोदी के कानपुर रैली खातिर आपन मैदान देबे से मना कर दिहलसि रेलवे

भाजपा का ओर से पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के कानपुर मे होखे वाला रैली खातिर आपन मैदान देबे से रेलवे मना कर दिहलसि. पहिले पन्द्रह अक्टूबर के होखे वाला रैली दशहरा आ बकरीद का चलते अब 20 अक्टूबर के होखी बाकिर एहला कानपुर के निरालानगर मे रेलवे मैदान देबे से रेलवे इन्कार कर दिहले बिया. … Read more

 46 total views

मोदी के कानपुर रैली के तारीख बदलल

गुजरात के मुख्यमंत्री आ भाजपा के पीएम प्रत्याशी नरेन्द्र मोदी के उत्तर प्रदेश मे होखेवाला पहिलका रैली के तारीख बदलल जात बा पहिले ई रैली कानपुर मे 15 अक्टूबर के होखे वाला रहुवे बाकिर विजयादशमी आ बकरीद का चलते प्रशासन एह तारीख में रैली के अनुमति नइखे देत. अब कानपुर वाली रैली 19 भा 20 … Read more

 66 total views