web analytics

टटका खबर, वैशाख अँजोरिया अष्टमी 2079 विक्रमी, सोमार

बिहार के मशहूर होम्योपैथ डॉक्टर बी. भट्टाचार्य के काल्हु अतवार का दिने 98 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. ऊ अपनहीं ह्रदय रोग से पीड़ित रहलन बाकिर तबहियों आखिरी समय ले मरीजन के इलाज करत रह गइलन. श्रद्धांजलि. बिहार लोक सेवा आयोग के 67वीं संयुक्त प्रारंभिक परीक्षा के प्रश्न-पत्र लीक होखे के खबर सही … Read more

Loading

योगी का जन्मदिन पर विघ्न संतोषियन के एजेन्डा

टटका खबर, अतवार, जेठ अन्हरिया एकादशी, 2078 विक्रमी गोरक्षपीठाधीश्वर आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के काल्हु शनीचर के जन्मदिन रहुवे आ विघ्नसंतोषी एहू दिने अपना एजेन्डा पर लागल रहलें. एने कई दिन से तरह तरह के अफवाह पसारत हवा बनावे के कोशिश हो रहल बा कि केहू तरह यूपी से योगी के विदाई … Read more

Loading

टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी

छह बेर विश्व चैम्पियन रहल भारत के एमसी मैरीकोम दुबई में होखत 2021 एएसबीसी एशियाई महिला अउर पुरुष मुक्केबाजी चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. अब मैराकोम के एशियाई चैम्पियनशिप में सतवां बेर पदक मिलल तट हो गइल बा. मैराकोम 2008 में रजत पदक जीतला का अलावे 2003, 2005, 2010, 2012, अउर 2017 में … Read more

Loading

टटका खबर, बियफे. जेठ अन्हरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

काल्हु आइल भयंकर समुद्री तूफान यास उत्‍तर-पश्चिम ओर बढ़त कमजोर हो गइल. भारतीय मौसम विभाग के कहना बा कि एह तूफान से अंडमान निकोबार द्वीप समूह, ओडिशा, अउर पश्चिम बंगाल में सबले बेसी नुकसान भइल बा. घनघोर बरखा आ आन्ही से किनाते के कई एक गाँव में बाढ़ आ गइल आ कई जगहा तटबंध टूट … Read more

Loading

टटका खबर, बुध, वैशाख पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

1985 बैच के भारतीय पुलिस सेवा के अधिकारी सुबोध कुमार जायसवाल के काल्हु केंद्रीय जांच ब्यूरो के निदेशक बना दीहल गइल. कुछ दिन पहिले प्रधानमंत्री, मुख्य न्यायाधीश, आ प्रमुख विरोधी दल के नेता से बनल चयन समिति तीन गो नाम सुझवले रहुवे जवना में जायसवाल के नाम शामिल रहुवे. ओकरा बाद कार्मिक, जन शिकायत अउर … Read more

Loading

टटका खबर, शनीचर, वैशाख अँजोरिया एकादशी. 2078 विक्रमी

पद्म विभूषण से सम्मानित प्रख्यात पर्यावरणविद सुंदर लाल बहुगुणा के 94 बरीस का उमिर में काल्हु शुक का दिने कोरोना से मौत हो गइल. बाद में उऩुकर अंतिम संस्कार राजकीय समामान का साथे कइल गइल. जहाँ जहाँ देश के विरोधी गोलन के सरकार बा ओहिजो कोरोना वैक्सिन के जान-बूझ के खराब कइल जा रहल बा. … Read more

Loading

टटका खबर, शुक, वैशाख अंजोरिया नवमी-दशमी, 2078 विक्रमी

काल्हु मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड के सचिव जफरयाब जिलानी के दिमाग के नस फाट गइल आ ब्रेन हैमरेज हो गइल. बेहोश जिलानी के मेदान्ता अस्पताल में भरती करावल गइल बा. रामजन्मभूमि विवाद में वरिष्ठ अधिवक्ता जफरयाब जिलानी मुस्लिम पक्ष का ओर से पैरवी करत रहलें. देश के कोरोना प्रभावित जिलन के जिलाधिकारियन से ऑनलाइन बइठक … Read more

Loading

टटका खबर, बियफे, वैशाख अँजोरिया द्वितीया, 2078 विक्रमी

ममता बनर्जी नइखी चाहत कि तृणमूल के हिंसा के मामिला के सचाई देश का सोझा आवे. ना त ऊ राज्यपाल के, ना केन्द्र के सवालन के जबाव दीहल चाहत बाड़ी, अब जब पश्चिम बंगाल के राज्यपाल जगदीप धनखड़ चुनावी हिंसा से पीड़ित रहल कूचबिहार जाए वाला बाड़न त ममता उनुका के एह दौरा पर ना … Read more

Loading

टटका खबर, बुध, वैशाख अँजोरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

जन अधिकार पार्टी के अध्यक्ष सांसद रह चुकल राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव के काल्हु मंगल का दिने पुलिस लॉकडाउन के नियम ना माने का आरोप में गिरफ्चार कर लिहलसि. एकर जानकारी ऊ खुद ट्वीट क के दिहलें. बाकिर पुलिस के कहना बा कि अबहीं उनुका के रोकल गइल बा गिरफ्तारी नइखे भइल. अब खबर … Read more

Loading

टटका खबर, शुक, वैशाख अन्हरिया एकादशी, 2078 विक्रमी

आगे पढ़े से पहिले जान लीं कि भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम के ट्राफिक रैंक हिन्दुस्तान में आजु अबहीं 19 हजार 656 पर बा. एहमें हर भाषा के वेबसाइट शामिल बा. दुनिया में एकर रैंक 2 लाख 66 हजार 291 बा. करीब 200 करोड़ वेबसाइटन का बीच भोजपुरी वेबसाइट के एह रैंकिग से भोजपुरियन … Read more

Loading

टटका खबर, बुध, वैशाख अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी

भारत आ ब्रिटेन अब एक दोसरा के रणनीतिक साझेदार बनि के रहिहें. काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ ब्रिटेन के प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन का बीच भइल ऑनलाइन शिखर बईठक में एकरा साथही आठ गो अउर समझौतो पर दस्तखत भइल. सुप्रीम कोर्ट पश्चिम बंगाल आवास उद्योग नियमन कानून 2017 के असंवैधानिक बतावत रद्द कर दिहलसि. राज्य द्वारा … Read more

Loading

टटका खबर, मंगल, वैशाख अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

उत्तर प्रदेश में भइल तीन तल्ला पंचायत चुनाव के मतन के गिनिती के काम अबहियों जारी बा. देर रात ले 232612 सदस्य ग्राम पंचायत, 38317 प्रधान ग्राम पंचायत, 55926 सदस्य क्षेत्र पंचायत एवं 181 सदस्य जिला पंचायत के परिणाम घोषित हो चुकल बा. भाजपा के दावा बा कि घोषित 2008 परिणामन में से 918 पर … Read more

Loading

टटका खबर, सोमार, वैशाख अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

देश अब संतोष कर सकेला कि चुनावन का बाद टूलकिट गिरोह कुछ दिन ले आराम करी. जइसन सफलता ऊ चहले रहुवे ओकरा के हासिल कर लिहलसि. अब देश में आक्सीजन के कमी, अस्पतालन में बेड के कमी, कोरोना के कहर, दवा खातिर गिड़गिड़ात लोगन के सोशल मीडिया पर लागल गोहार, शमशानन आ कब्रिस्तानन में मुर्दन … Read more

Loading

टटका खबर, बियफे, दशमी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

देश के विरोधी गोल चाहे ऊ राजनीति में होखो, मीडिया में होखो, प्रशासन में होखो, सरकार चलावत होखो, भा पंचइति करे में लागल होखो बुझात बा कि बाकायदा एगो टूल किट बना के देश के माहौल बिगाड़े में लागल बा. अपना देश के लोग त कउवा कान ले गइल सुनते कउवा का पाछा भागे लागेला … Read more

Loading

टटका खबर, बुध, नवमी. चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

रउरा सभे के श्रीरामनवमी के पावन पर्व पर हार्दिक अभिनन्दन आ शुभकामना. बिना कवनो पूर्व सूचना प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु सँझिया में राष्ट्र का नामे आपन संदेश देत संत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहनी कि तूफान बनिके आइल कोरोना महामारी के दुसरकी लहर एगो बड़हन चुनोती बनल बा बाकिर हमनी का एकजुट हो के धीरज, अनुशासन, … Read more

Loading

टटका खबर, मंगल, चईत अँजोरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल आ अबहीं भाजपा के राज्यसभा सांसद सुशील कुमार मोदी राजद नेता शिवानंद तिवारी पर तंज कसत कहले बाड़न कि जवन आदमी लालू के जेल भिजवावे के काम कइलसि ऊ एह घरी अपना पुत्र मोह में लालू चालीसा पढे लागल बा. कहलन कि अगर शिवानन्द में समाजवाद ले के ईमानदारी रहीत … Read more

Loading

टटका खबर, शनीचर, चईत अँजोरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

कोरोना महामारी का चलते परीक्षा टारल जाए के क्रम में अब सीआईएससीई बोर्डो आपन दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा टारे के एलान क दिहलसि. बाकिर सीबीएसई का तरह ऊ आपन परीक्षा रद्द नइखे कइले आ कहले बा कि जून के पहिला हफ्ता में एह बारे में फैसला लीहल जाई. रउआ सभ के ई जान के … Read more

Loading

टटका खबर, अतवार, 4 अप्रैल 2021

विधानसभा चुनाव में अपना गोल तृणमूल कांग्रेस के संभावित हार के अनेसा से परेशान पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अब मुसलमानन से एकजुट हो के उनुका गोल के वोट देबे के गोहोर लगवले बाड़ी. शा्डिल्य गोत्र के ब्राह्मण होखे के एलान उनुका अपने खिलाफ जात लउकत बा. जान गइल बाड़ी कि अबकी हिन्दू समाज … Read more

Loading

टटका खबर, बियफे, 1 अप्रैल 2021

सतरह बरीस लागल बाकिर अहमदाबाद के विशेष सीबीआई अदालत फैसला सुना दिहलसि कि इशरत जहाँ आतंकवादी रहुवे आ ओकरा के मार गिरावल कवनो तरह से अपराध ना मानल जा सके. एह मामिला में आरोपी बनावल गइल तीनो पुलिस अधिकारियन के अदालत निर्दोष मान लिहलसि, जान जाईं कि जून 2014 में गुजरात के तब मुख्यमंत्री रहल … Read more

Loading

भोजपुरी पट्टी के टटका खबर, बियफे 3 सितम्बर 2020 के

वाराणसी जिला के मंडुवाडीह इलाका के नैपुरवां गाँव में एगो डेढ़ बरीस के लड़िका के मौत घर में राखल पानी के टब में गिरला का चलते हो गइल. चार गो बहिन का बाद ओकर जनम भइल रहुवे. रोहतास जिला के भानस पुलिस चौकी इलाका में कटियारा गाँव का लगे बियफे का दिन एगो संदिग्ध कार … Read more

Loading