Go to ...
RSS Feed

लड्डन मियां

छपरा न्यूज, 15 अक्टूबर 2016, शनिचर

एकमा नगर पंचायत ला वोट पड़ल काल्हु शुक का दिने एकमा नगर पंचायत ला वोट डालल गइल. सबेरहीं से लोग वोट डालेला लाइल में लागल शुरू हो गइल रहुवे. कोहरगड़ बलुआपर बूथ पर फर्जा नाम पर वोट डाले चहुँपल लोग के पुलिस खदेड़ खदेड़ के पीटलसि. करीब 60 फीसदी वोटर अपना कर्तव्य के पालन कइलन

लड्डन मियां नार्को टेस्ट करावे ला तइयार नइखे

कुछ दिन पहिले सिवान के पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या का केस में सरगना बतावल जात लड्डन मियां के आजु शुक का दिने सिवान सीजेएम कोर्ट में पेश कइल गइल. ओकरा से नार्को टेस्ट करावे का बारे में पूछाइल कि एहपर ओकर का मन बा त ऊ नार्को टेस्ट करावे से साफे मना क दिहलसि.