
चीन का साथे युद्ध के सुगबुगाहट
June 17, 2020
लद्दाख के गलवान घाटी में काल्हु चीन का साथे भइल सैनिक भिड़न्त में भारत के 20 गो सैनिक बलिदान हो गइलें. एहमें एगो कर्नल आ दू गो जवान के मौत के खबर पहिले आइल रहुवे बाकिर बाद में सेना का तरफ से जारी बयान में कहल गइल कि दुर्गम इलाका आ बहुते पाला का चलते