Go to ...
RSS Feed

लालू प्रसाद

भल मुअनी भल पिलुआ पड़ल

खबर आइल बा कि चारा चोर लालू के बड़का बेटा तेज प्रताप यादव जे बहुरुपिया का तरह तरह-तरह के स्वांग रचत रहेला अपना मेहरारु से तलाक लेबे खातिर अदातल में अर्जी लगा दिहले बा. अबहीं पाँच महीना पहिलहीं एह लोग के बिआह भइल रहुवे. तेजू के मेहरारुओ बिहार के मुख्यमंत्री रहल स्व. दारोगा प्रसाद यादव

चोर मचाए हल्ला – कहलसि कि अपना मर्जी से चली

नयी दिल्ली, 30 अप्रैल. चारा घोटाला में जेल के सजा भुगतत लालू प्रसाद के एम्स के सेवा अतना नीक लागल बा कि ऊ अस्पताल छोड़े के नइखन चाहत. अस्पताल के कहना बा कि लालू प्रसाद के तबियत में सुधार हो गइल बा आ अब ऊ राँची का अस्पताल में आगे के इलाज करा सकेलें. बाकिर

भोजपुरी पट्टी से 26 मार्च 2018, मंगल के 17 गो खबर

बिहार के औरंगाबाद में कर्फ्यू औरंगाबाद 26 मार्च (वार्ता). औरंगाबाद जिला प्रशासन रामनवमी जूलूस पर भइल पथराव का बाद भइल उपद्रव के देखत शहर में कर्फ्यू लगा दिहले बावे. उपद्रवी महाराजगंज बाजार के कई एक दुकान में आग लगा दिहले रहलें. हालांकि अब हालात काबू में बा. विद्यालय का नियरा से औरत के लाश मिलल

भोजपुरी पट्टी से 16 मार्च के खबर

चारा घोटाला के एगो अउर मामिला में शनिचर का दिने फैसला रांची 16 मार्च (वार्ता). केंद्रीय जांच ब्यूरो के विशेष अदालत में पुरनका बिना बाँटल बिहार के कुख्यात अरबों रुपिया के चारा घोटाला के एगो मामिला, दुमका कोषागार से अवैध निकासी, के फैसला काल्हु शनिचर का दिने सुनावल जाई. सीबीआई के विशेष न्यायाधीश शिवपाल सिंह

आगि लगा के तापल चाहत बाड़ी जमालो

पटना 08 मार्च. आंध्र प्रदेश के विशेष राज्य के दर्जा ना मिलला से तेलुगू देशम पार्टी के मोदी सरकार से बगावत चारा घोटाला में जेल के सजा काटत लालू के उपदेश देबे के मौका दे दिहलसि. जेल में बन्द लालू प्रसाद के ट्विटर हैंडल से ट्वीट कइल गइल बा कि – नीतीशो अपना बॉस से

File Photo of Sushil Modi

टटका खबर, 5 मार्च 2018, सोमार

बिहार में वित्तीय प्रबंधन प्रणाली 01 अप्रैल से ऑनलाइन हो जाई पटना 05 मार्च (वार्ता). बिहार के उप मुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी सोमार का दिने एलान कइलन कि राज्य का वित्तीय प्रबंधन में पारदर्शिता ले आवे खातिर 01 अप्रैल से ऑनलाइन व्यापक वित्त प्रबंधन प्रणाली (सीएफएमएस) लागू हो जाई आ सरकार के

टटका खबर, बुध 31 जनवरी 2018 के सबेरे ले

राष्ट्रीय जनता दल के बोलतुआ रहल डॉ अशोक सिन्हा मंगल का दिने लालू प्रसाद यादव के बेटा आ नेता विपक्ष के काम करे का तरीका पर नाराजगी जतावत पार्टी से इस्तीफा दे दिहलन आ कहलन कि तेजस्वी जइसन नौसिखिउन का नीचे काम कइल राजद के बड़का नेता लोग के मंजूर नइखे. बॉलीवुड के सुपर स्टार

टटका खबर, शनिचर, 6 जलवरी 2018

सीबीआई के विशेष अदालत शनिचर का दिने रांची में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद के चारा घोटाला से जुड़ल एगो मामिला में साढ़े तीन बरीस के जेल आ दस लाख रुपिया के जुर्माना के सजा सुनवलसि. अगर जुर्माना ना भरीहें त छह महीना अउरी जेल में रहे के पड़ी. घोटाले में शामिल आ बिहार विधानसभा के

चारा घोटाला के दुसरको केस में लालू के मिलल जेल आ जुर्माना

27 बरीस पहिले का बिहार में – जब झारखण्ड अलगा ना भइल रहुवे – भइल चारा घोटावा में चारा चोर का नामम से मशहूर हो गइल लालू प्रसाद के आजु साढ़े तीन बरीस के जेल आ पाँच लाख रुपिया के सजा सुना दीहल गइल सीबीआई का विशेष अदालत में. लालू का साथही एह घोटाला के

टटका खबर, शुक, 5 जनवरी 2018

मध्यप्रदेश का इंदौर शहर के कनाड़िया इलाका के बिचौली मर्दाना बाईपास पर शुक का दिने एगो नामी प्राईवेट स्कूल के बस के जोरदार टक्कर सामने से आवत एगो च्रक से हो गइल. एह हादसा में पाँच गो विद्यार्थियन आ ड्राइवर के मौत हो गइल आ दर्जनो घवाहिल हो गइलें. प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी शुक का दिने

टटका खबर, बियफे, 4 जनवरी 2018

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे का दिने आजमगढ़ जिले के सठियांव ब्लॉक का किसान सहकारी मिल के मैदान में आसवनी आ एथेनॉल प्लांट समेत पांच सौ बावन करोड़ रुपिया के अनेके परियोजनन के शिलान्यास भा लोकार्पण करत कहनी कि उहाँ के सरकार राज्य के बाईस करोड़ लोगन के सुरक्षा के जिम्मेदारी आ नवहियन अउर

टटका खबर, मंगल, 2 जनवरी 2018

देश में चुनाव लड़े वाला गोल के चंदा देबे वाला लोग, फर्भ, संस्था भा कंपनी अब स्टेट बैंक के निर्धारित शाखा से एक हजार से ले के एक करोड़ रुपिया तक के बॉण्ड खरीद के ओह गोल के दे सकीहें. चंदा पावे वाला आ देबे वाला अपना अपना खाता में एकर जिक्र करीहें बाकिर ई

टटका खबर, सोमार 25 दिसम्बर 2017 राति

पाकिस्तान का जेल में बंद कुलभूषण से उनुकर महतारी आ मेहरारु के भेंट त करवा दिहलसि पाकिस्तान बाकिर आपन कमीनापंथी देखावे से बाज ना आइल. एह मुलाकात के मुलाकात ना कहि के वीडियो कॉन्फेरेंसिंग कहल अधिका सही रही. काहें कि एह भेंट का दौरान शीशा के देवाल रहुवे ओह लोग का बीच में आ इन्टरकॉम

ना अति बोलता ना अति चुप

एगो भोजपुरी कहावत ह कि – ना अति बरखा, ना अति धूप ना अति बोलता ना अति चुप. आजु अरनब गोस्वामी के चैनल रिपब्लिक टीवी के शुरुआत का भइल, कपार पाक गइल बा. सबेरे दस बजे जवन खुलासा भइल ओही प सूई अटक गइल बा आ पता ना कई सौ बेर एके बतिया दोहरवले जात

खत्तम है : माफिया, घोटालेबाज आ एगो गुलाम के कहानी

अरनब गोस्वामी के चैनल रिपब्लिक टीवी के आजु शुरूआत हो गइल आ पहिलके दिने, पहिलके खबर से देश के राजनीतिक माहौल में भूंईडोल हो गइल. सभे जानेला आ मानेला कि चारा चोर घोटालेबाज लालू सिवान के माफिया शहाबुद्दीन के नाज नखरा उठावे वाला हउवन. बाकिर आजु जब एही बात के ई चैनल सप्रमाण जनता का

बसिया खबर, 13 मार्च 2017, सोमार

हर साल कपड़ा-फाड़ होली खेले वाला लालू प्रसाद के करेजा अबकी यूपी विधानसभा चुनाव अइसन फाड़ दिहलसि कि सादा होली खेललन आजु फगुआ का दिने. सोचले रहलन कि बिहारे के तरह यूपीओ में मोदी के हरा दीहि टीपू आ पप्पू के जोड़ी, बाकिर जनता अइसन हाल बना दिहलसि कि फगुआ खेले के मने ना भइल.

टटका खबर, 20 फरवरी 2017, सोमार

पडरौना आइल श्रीरामजन्म भूमि न्यास के अध्यक्ष महंत नृत्यगोपाल दास जी आजु कहनी कि विधानसभा चुनाव का बाद राम मंदिर बनवावे खाति धर्माचार्य लोग प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से बतियावे दिल्ली जाई. बिहार विधानपरिषद के चार सीट प 9 मार्च का दिने होखे जात चुनाव ला परचा दाखिल करे के आजु आखिरी दिन रहुवे. मंगल का

तेजप्रताप पर नज़र टेढ़ कइलसि सुप्रीम कोर्ट

सिवान के पत्रकार राजदेव के हत्या आरोपी बंटी कैफ पिछला दिने बिहार के चारा चोर का नाम से जानल जाये वाला आ जमानत पर बाहर आइल लालू प्रसाद के बड़का बेटा तेजप्रताप यादव का साथे सोशल मीडिया पर खूब उछलल रहल। एही बात के नोटिस लेत सुप्रीम कोर्ट तेजप्रताप के नोटिस जारी कइले बिया। शहाबुद्दीन

लालू का सोझा मिमियाइल जदयू

सिवान के कुख्यात क्रिमिनल आ राजद सांसद रह चुकल सैयद शहाबुद्दीन के जेल से रिहाई के राह बनवा देला का बाद नीतीश सरकार के किरकिरी हो रहल बा. कुरसी के मोहपाश में पड़ल नीतीश चारा घोटाला में सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद से गाँठ जोड़ के बिहार के मुख्यमंत्री त बनि गइलन बाकिर उनुकर छवि हमेशा

कच्ची दरगाह से बिदुपुर ले छह लेन वाला गंगा सेतु बने के काम शुरू

गांधी सेतु के बगल में कच्ची दरगाह से बिदुपुर ले बने वाला छह लेन के गंगा सेतु के काम आजु से शुरू हो गइल. वैशाली जिला के राघोपुर में आयोजित समारोह के संबोधित करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि एह पुल के बन गइला का बाद उत्तर आ दक्खिन बिहार का बीच एगो नया सड़क

Older Posts››