web analytics

टटका खबर, मंगल, चईत अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी

आजु से अपना देश में नया संवत के शुरुआत हो रहल बा. एह मौका पर राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद आ उप राष्ट्रपति वेंकैया नायडू चैत्र शुक्लादि, उगादी, गुड़ी पड़ा अउऱ वैशाखी समेत अनेक रुप में मनावल जाए वाला त्योहारन पर देशवासियन के बधाई आ शुभकामना दीहले बानी. अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान, नयी दिल्ली में भइल सफल … Read more

 64 total views

कहवाँ के वोट कहिया आ नालायक नीमन अनेरिया ना

बिहार विधानसभा चुनाव के एलान होखला का साथही चुनावी बेंगन के टरटराइल शुरु हो गइल बा. तरह-तरह के आकलन आवे लागल बा बाकिर एह टरटराहट में जवन एक बाति साझा लउकत बा ऊ ई कि अबकी के चुनाव भाजपा के अगुअई वाला राजग का पक्ष में तय बा. लोग नीतीश से नाराजो बा बाकिर अतना … Read more

 69 total views

लालू, राबड़ी, तेजस्वी का खिलाफ आरोप पत्र दाखिल

नयी दिल्ली, 24 अगस्त (वार्ता). रेलवे होटल का निविदा में घोटाला करे का मामिला में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) ने ओह घरी रेलमंत्री रहल आ एह घरी चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद यादव का संगही उनुका मेहरारु आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल राबड़ी यादव आ महागठबन्हन सरकार में बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल उनुकर … Read more

 83 total views

टटका खबर, 17 मार्च 2018, शनिचर

वाराणसी से बलिया का बीच रेलविद्युतीकरण पूरा, अप्रैल से चली इलैक्ट्रिक इंजन वाराणसी, 17 मार्च (वार्ता). दिल्ली से बिहार आ पूर्वोत्तर ओरि जाए वाला वैकल्पिक मार्ग इलाहाबाद-वाराणसी-बलिया रेल लाइन के विद्युतीकरण पूरा हो गइल बा आ अब 1 अप्रैल से एह लाइन पर बिजली के इंजन से गाड़ी चले लगीहें सँ. रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा, … Read more

 120 total views

आजु भाजपा, काल्ह राजद, परसो जदयू

चारा घोटाला में मुजरिम करार हो चुकल लालू के पूरा परिवार प अब जेल जाए के अनेसा मँड़रात बा. अपना जेल जाए का बेरा अपना मेहरारू के सीएम बनवा के कुरसी प कायम रहे के तिकड़म करे वाला लालू के जब चुनाव लड़े के नाकाबिल बना दीहल गइल त ऊ अपना बेटन के अपना गोल … Read more

 74 total views

बापे पूत परापत घोड़ा, बहुत नहीं त थोड़ा थोड़ा

बिहार के बदनाम चारा घोटालेबाज़ लालू प्रसाद के आठवीं फेल बेटा आ सुशासन बाबू कहाएवाला नीतीश कुमार के मंत्रिमंडल में स्वास्थ्य मंत्री तेज प्रताप यादव के मिलल पेट्रोल पंप के लाइसेंस आजु तेल कम्पनी रद्द क दिहलसि। तेज प्रताप पर आरोप रहल कि ऊ फ़र्ज़ी कागजात का सहारे ई लाइसेंस हथियववले रहलन। पम्प के जमीन … Read more

 47 total views

नीतीश के कहते लालू के ठिकानन प आयकर के छापा

काल्हुए बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले रहलन कि अगर लालू आ उनुका परिवार का लगे बेनामी संपति के सबूत बावे त केन्द्र सरकार कवनो कार्रवाई काहे नइखे करत. आ आजु भोरही लालू से जुड़ल 22 गो ठिकाना प आयकर के छापा पड़ गइल बा. एगो खटाल से जिनिगी शुरु करे वाला लालू प्रसाद बिना … Read more

 50 total views

लालू आ नीतीश के राहत के साँस लेबे के मौका मिल गइल

काल्हु सबेरे से रिपब्लिक टीवी प आइल खुलासा का बाद लालू आ नीतीश केा मुँह से आवाज ना निकलत रहल ह. दूनू जने के बुझात नइखे कि एह फाँस से कइसे निकलल जाव. नीतीश के हालत त साँप छछून्दर वाला हो गइल बा. अगर लालू प एक्शन लेत बाड़न त उनुकर सरकार जात बा आ … Read more

 66 total views

नोटबन्दी प जदयू के समर्थन अबहियों जारी बा

बिहार जदयू के अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आजु पटना में कहलन कि नोटबन्दी का समर्थन में उनकर गोल अबहियों टिकल बा. एह महीना का बाद हालात पर विचार कइल जाई. जान जाईं कि जदयू जवना महागठबन्हन में शामिल बा तवना के दू गो गोल – कांग्रेस आ राजद – नोटबन्दी से छनछनाइल बाड़ें. बाकिर जदयू … Read more

 42 total views

साहेब अब तारीखो पर सिवान ना आ पइहें

पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या के सुराग सिवान जेल तक गइला क बाद सिवान के खूनख्वाह नेता, राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के भागलपुर जेल भेज दीहल गइल बा। अब उनका के कोर्ट का तारीखो पर सिवान ना ले आवल जाई सरकार अइसनका फैसला कइले बिया। एह फैसला से सिवान के … Read more

 203 total views

लालू हमरा के जबरदस्ती खींच के अँकवारी बान्ह लिहले रहले

लालू प्रसाद से गर मिलल केजरीवाल के गर में अटक गइल बा. अपना गोल के लोग के समुझावे ला काल्हु केजरीवाल कहलन कि हम का करतीं, लालू हमरा के जबरदस्ती खींच के अँकवारी बान्ह लिहलें आ हमार हाथ ले के उठा लिहलन. एह बयान का बाद केजरीवाल के जम के खिंचाई होखत बा सोशल मीडिया … Read more

 170 total views

आजु बिहार चुनाव के चउथा दौर के वोटिंग जारी

सात जिला के पचपन सीट में से 42 पर लड़त भाजपा आ 26 गो पर लड़त राजद एह दौर के मोदी बनाम लालू बना दिहले बावे. पूरा चुनाव भलही नीतीश बनाम मोदी के होखो. एह दौर में भाजपा नीत राजग के कोशिश बा कि निर्णायक बढ़त ले लेव जबकी अपना वजूद के लड़ाई लड़त लालू … Read more

 182 total views

कुछ सौ लोग के भीड़ का सोझा साथे मंच पर अइले नीतीश आ लालू

कबो लालू के जंगल राज का खिलाफ भाजपा से हाथ मिला के सरकार चलावे वाला नीतीश कुमार अब ओही लालू संगे गलबहियाँ करत बाड़न. काल्हु हाजीपुर के जमालपुर गाँव में एगो चुनावी सभा में पहिला बेर दुनू जने मंच साझा कइले. पत्रकार आ मीडिया के भीड़ त जरूर रहल बाकिर लोग में कवनो खास उत्साह … Read more

 218 total views