web analytics

पेट्रोल पंप के कर्मचारी से करीब साढ़े तीन लाख के लूट

सिवान 19 फरवरी (वार्ता) बिहार में सिवान जिला के बसंतपुर इलाका में आजु दिनदहाड़े पेट्रोल पंप के एगो कर्मचारी से तीन लाख 40 हजार रुपिया लूट लीहल गइल. पुलिस सूत्र बतवलें कि सिसई मोड़ से कुछ दूर आज्ञा गांव का नियरा दू गो मोटरसाकिल प सवार तीन गो अपराधी हथियार के डर देखा के पेट्रोल … Read more

 267 total views,  2 views today

सारण के नगरा के पेट्रोल पंप मालिक से लूट

आजु सोमार का दिने सारण के नगरा इलाका के अफौर रामचौड़ा पुल का नियरा चार गो हथियारबन्द अपराधी मुसहरी पेट्रोल पम्प के मालिक से करीब डेढ़ लाख रुपिया लूट लिहलें. पेट्रोल पंप मालिक विजय सिंह के भतीजा राहुल पंप के एगो कर्मचारी का साथे बाइक से नगरा बैंक जात रहले. उनुका लगे 1 लाख 39 … Read more

 301 total views

सोनपुर में पेट्रोल पंप से 10 लाख लूटाइल

महागठबन्हन का राज में सोनपुर मेला के पुलिस व्यवस्था के ठेंगा देखावत थोड़िके दूर पर पहलेजा घाट चौकी इलाका के गोविंदचक में अतवार के साँझ बाइक से आइल दू गो लुटेरा पेट्रोल पंप से करीब दस लाख रुपिया लूट ले गइलें. घटना के जानकारी मिलला का बाद पुलिस चहुँपल बाकिर कुछ सुराग ना मिल सकल … Read more

 252 total views

सईंया भए कोतवाल अब डर केकर

महागठबन्हन के चुनाव जीतला का बादे से बिहार में अपराधी बेखौफ हो गइल बाड़े सँ. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भलही पुलिस वालन के चेतावसु कि कानून व्यवस्था के हर हाल में पालन होखे के चाहीं आ अपराधियन का खिलाफ बिना चेहरा देखले कार्रवाई होखे के चाहीं. बाकिर पुलिस अधिकारियनो के पता बा कि नीतीश के अब … Read more

 254 total views

मोबाइल के व्यवसायी के घरे ले चहेट के लूट लिहले सँ

सिवान शहर के पाल नगर के रहेवाला एगो व्यवसायी के दुकान दरबार मार्केट में आरोही मोबाइल के नाम से बा. धनतेरस का रात जब ऊ दुकान बंद क के निकललन त एगो मोटरसाइकिल से आइल दू गो बदमाश उनका के चहेट लिहलन स आ घर का सोझा चहुँपत चहुँपत उनका हाथ से रुपिया वाला थैला … Read more

 272 total views

दुकान से गहना रुपिया छीन के परा गइले बदमाश

गोरखपुर के गोरखनाथ इलाका मे हड़हवा फाटक का लगे सोमार का दिने मोटरसाइकिल सवार दू गो बदमाश एगो गहना के दुकान से गहना आ रुपिया भरल बैग छीन के परा गइले. दुकानदार एह बारे मे थाना मे केस लिखवले बाड़न. दू महीना पहिलहू एह दुकान मे लूट के कोशिश भइल रहे बाकिर दुकानदार घवाहिल त … Read more

 297 total views

फेरू एगो वेस्टर्न यूनियन मनी ट्रांसफर कारोबारी के लूट लिहल गइल

सिवान के बड़हरिया में वेस्टर्न यूनियन मनी ट्रांसफर कारोबारियन के लूटे के घटना पर काबू नइखे हो पावत. शनिचर का दिने फेरू एगो कारोबारी के शहवाचक आ तीनभेड़िया गांव का बीचे लूट लिहल गइल. मोटर साइकिल प सवार दू गो अपराधी कारोबारी के सवा लाख रुपिया लूट के आराम से चल निकलले.  237 total views,  2 views … Read more

 237 total views,  2 views today

सिवान में व्यापारी से आठ लाख के लूट

सिवान के आंदर गुमटी का लगे बुध का दिने एगो व्यापारी से आठ लाख रुपिया लूट लिहल गइल. व्यापारी बैंक से रुपिया निकाल के अपना दुकान पर जात रहुवे जब पहिले से घात लगा के बइठल अपराधी असलहा देखा के ओकरा के लूट लिहले स. पुलिस कवनो अपराधी के गिरफ्तार नइखे कर पवले. व्यवसायी वेस्टर्न … Read more

 245 total views,  10 views today

बैंक शाखा से साढ़े आठ लाख रुपिया लुटाइल

कैमूर जिला के चेहरिया में मध्य बिहार ग्रामीण बैंक के शाखा से साढ़े आठ लाख रुपिया लूट लीहल गइल. सोमार का दुपहरिया मे पाँच गो डकैत बैंक मे घुसले आ कर्मचारियन आ ग्राहक लोग के एगो कोठरी मे बन्द क के रुपिया लूट लिहले. बतावल जात बा कि गेट प खड़ा दरवान के हड़का के … Read more

 262 total views

उ.प्र. में सोलह गो अपराधियन के गिरफ्तारी से अनेके घटना के खुलासा

लखनऊ 04 जनवरी (वार्ता) पुलिस पिछला 24 घंटे मे अनेके घटना के खुलासा करत 16 गो आरोपियन के गिरफ्तार क लिहले बिया. सहारनपुर में पिछला 22 दिसम्बर के भइल सर्राफा व्यापारी किशन चन्द किहाँ लूट के खुलासा करत तीन गो लुटेरन, प्रवीण उर्फ कुक्कू, बाबर आ अजहरूद्दीन उर्फ अज्जू, के गिरफ्तार कइल गइल आ ओकनी … Read more

 257 total views,  2 views today

बदमाशो फेरू एटीएम लूटले

वाराणसी 11 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी मे सोमार का दिने कुछ नकाबपोश बदमाश कैण्ट इलाका के नयी बस्ती मे लागल बैक आफ बडौदा के एटीएम लूट लिहले. पुलिस बतावत बिया कि पहिले ओहिजा तैनात गार्ड सुभाष जायसवाल के हाथ गोड़ बान्ह के स्टोर रुम मे डाल दिहले स. एटीएम उखाडे के कोशिश जब सफल ना भइल … Read more

 246 total views

वाराणसी मे स्टाम्प विक्रेता से 19 लाख के लूट

वाराणसी 23 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी मे कचहरी से लवटत स्टाम्प विक्रेता से बदमाश दू लाख नगद आ सतरह लाख के स्टाम्प पेपर लूट लिहले. पुलिस के कहना बा कि शिवपुर क्षेत्र में शीतलनगर कालोनी निवासी विजय सिंह अपना ममेरा भाई अनूप संगे कचहरी मे स्टाम्प पेपर के बिक्री क के लवटत रहले जब नटिनिया दाई … Read more

 314 total views

बलिया में सर्राफा व्यवसायी लूटाइल

बलिया जिला के बांसडीह रोड इलाका के कुसौरी मढिया का नियरा अतवार के देर साँझ मोटरसाइकिल सवार लुटेरा एगो सर्राफा व्यवसायी के गोली मार के ओकरा लगे से पांच लाख रुपिया के गहना आ नगदी लूट लिहले. पुलिस के कहना बा कि सदर कोतवाली क्षेत्र के जापलीनगंज निवासी सोहनलाल वर्मा.सहतवार बाजार से तगादा क के … Read more

 249 total views

पाँच गो लुटेरा गिरफ्तार, छह लाख चौदह हजार रुपिया बरामद

देवरिया पुलिस काल्हु बियफे का दिने रुद्रपुर कोतवाली क्षेत्र मे फाइनेन्स कम्पनी के कैशियर से लूट के खुलासा करत तीन गो लुटेरन के गिरफ्तार कर लिहलसि. एह बात के जानकारी देत अपर पुलिस अधीक्षक देवेन्द्र द्विवेदी बतवलन कि कैशियर दीपक पाण्डेय से चार अक्टूबर के रात गोली मार के छह लाख रुपिया लूट लीहल गइल … Read more

 271 total views

स्टेट बैंक से पांच लाख रूपिया के लूट

वाराणसी के चेतगंज कस्बा के स्टेट बैंक के लहुरावीर शाखा के कैशियर के चेम्बर मे घुस के एगो बदमाश काल्हु पाँच लाख रुपिया ले के भाग गइल. कैशियर के हल्ला कइला पर गार्ड ओकरा के चहेटलसि बाकिर लुटेरा भाग निकलल. चेतगंज थाना में मामिला दर्ज करावल गइल बा आ पुलिस लुटेरा के खोजत बिया. (वार्ता) … Read more

 271 total views

सिगरा इलाका में करीब दस लाख रुपिया लूटल गइल

वाराणसी के सिगरा इलाका में नटराज सिनेमा का लगे कुछ बदमाश एगो कंपनी के दू गो कर्मचारियन के गोली मार के नौ लाख साठ हजार रुपिया लूट लिहले. पुलिस बतावत बिया कि एगो कम्पनी के दू गो कर्मचारी सिद्धार्थ बनर्जी आ कैलाश शर्मा नकदी लेके मोटरसाइकिल से बैक के सिगरा शाखा जात रहलें तबहिए नटराज … Read more

 246 total views

बेतिया में पैक्स अध्यक्ष से आठ लाख के लूट

पश्चिम चंपारण जिला के जगदीशपुर इलाका के जमुनियां गांव का लगे काल्हु बेतिया अरेराज रोड पर कुछ अपराधी पश्चिम सरैया पंचायत के पैक्स: अध्यक्ष अहमद अली से लगभग आठ लाख रूपिया लूट लिहले. अहमद अली पंजाब नेशनल बैक के बेतिया शाखा से रूपिया निकाल के मोटरसाइकिल से अपना घरे आवत रहुवन जब एगो दोसरा मोटरसाइकिल … Read more

 255 total views