web analytics

राजग के बिहार लिस्ट जारी हो गइल

आजु बिहार के लोकसभा सीटन पर एनडीए उमीदवारन के लिस्ट जारी क दीहल गइल. पटना में भाजपा कार्यालय मे भाजपा, जदयू, आ लोजपा के प्रदेश अध्यक्षन के मौजूदगी में ई लिस्ट जारी कइल गइल. सबले खास ई रहल कि बरीसन से बकबकात शत्रुघ्न सिन्हा के जीपीएल देत सूची में नइखे राखल गइल. उनुका बदले पटना … Read more

 170 total views

मायावती जतवली समय से पहिले लोकसभा चुनाव होखे के अनेसा

चंडीगढ़,15 मार्च (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी सुप्रीमो आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल मायावती आजु अनेसा जतवली कि लोकसभा चुनाव समय से पहिले करावल जा सकेला. बसपा गोल के संस्थापक कांसीराम के जयंती का मौका पर एहिजा आयोजित पांच राज्यन के राज्य स्तरीय कार्यकर्ता सम्मेलन के संबोधित करत मायावती सचेत कइली कि आराम से … Read more

 101 total views

बिहार से लोकसभा चुनाव 2014 के क्षेत्रवार परिणाम

सांसदी इलाका सं. जीते वाला के नाम जीतेवाला पार्टी हारेवाला हारेवाला पार्टी फरक घोषित/अघोषित 1 वाल्मीकि नगर सतीश चन्द्र दुबे भारतीय जनता पार्टी पूरनमासी राम कांग्रेस 117793 घोषित 2 प. चंपारण डा. संजय जायसवाल भारतीय जनता पार्टी प्रकाश झा जदयू 110254 घोषित 3 पूर्वी चंपारण राधामोहन सिंह भारतीय जनता पार्टी बिनोद कुमार श्रीवास्तव राजद 192163 … Read more

 575 total views

तिसरका दौर के मतदान से पहिले एकानबे लोकसभा सीट प प्रचार बंद

लोकसभा चुनाव के तिसरका दौर के चुनाव बियफे के होखे वाला बा आ एहसे ओह इलाकन में प्रचार करे के काम आजु मंगल साँझ से बंद हो गइल. एह दौर के मतदान में दिल्ली समेत 14 राज्यन के 91 सीट पर वोट डालल जाई. दिल्ली, हरियाणा आ केरल के सगरी सीट प वोट एही दौर … Read more

 329 total views

राजद अपना लोकसभा उम्मीदवारन के सूची जारी कइलसि त रामकृपाल इस्तीफा दे दिहले

बिहार में राजद अपना लोकसभा उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि. एकरा बाद लालू के सबले बड़का सिपहसालार आ राज्यसभा सांसद रामकृपाल यादव राजद से इस्तीफा दे दिहले. उनुकर मन रहे कि पाटलीपुत्र सीट से चुनाव लड़सु बाकिर लालू ओहिजा से अपना बेटी मीसा के टिकट दे दिहले. अब कहल जात बा कि रामकृपाल भाजपा … Read more

 417 total views

लोकसभा चुनाव खातिर छानबीन समिति बनवलसि कांग्रेस

नयी दिल्ली 09 जनवरी (वार्ता) कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी लोकसभा चुनाव के उम्मीदवार चुने ला छानबीन समितियन के गठन क दिहली. कांग्रेस महासचिव जनार्दन द्विवेदी बतवले कि कुल दस गो अइसन समिति बनावल गइल बा. रेल मंत्री पद से हटल पवन कुमार बंसलो के एह समिति में राखल गइल बा. हर समिति में एगो अध्यक्ष … Read more

 220 total views

चिदंबरम मान गइले कि अगिला चुनाव में पूर्ण बहुमत से सरकार बने के उमेद कम बा

मुंबई 14 दिसंबर (वार्ता) वित्त मंत्री पी चिदंबरम आज कहले कि साल 2014 के आम चुनाव का बाद देश मे पूर्ण बहुमत वाली सरकार बने के उमेद कम बा. कहलन कि अगर बहुमत वाली सरकार बनल त उ देश ला एगो टर्निंग प्वाइंट साबित होखी.  122 total views

 122 total views

लोकसभा चुनाव के कमान अपना हाथे लिहलन मुलायम

लखनऊ 25 नवम्बर (वार्ता) सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव लोकसभा चुनाव के कमान अब खुदे सम्हरीहे. आज एह बारे में सपा के सांसदन, विधायकन, प्रत्याशियन आ संगठन के पदाधिकारियन के बइठक बोला के मुलायम ई फैसला लिहले. कहलन कि जवन हालत बा तवना में पन्दरहो सीट मिलल मुश्किल लागत बा. कहलन कि जहाँ के उम्मीदवार … Read more

 350 total views

मोदी के रैली ऐतिहासिक बनावे मे जुटल भाजपा

भाजपा.अपना पार्टी से प्रधानमंत्री पद उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के 19 अक्टूबर का दिने होखे वाला कानपुर रैली के ऐतिहासिक बनावे खातिर पूरा ताकत झोंक दीहले बिया. पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष लक्ष्मीकान्त बाजपेयी आजु मंगल का दिने पत्रकारन से कहलन कि कानपुर के रैली ऐतिहासिक होखी आ ओहमें लाखो लोग हिस्सा लीहे. एह रैली के नरेन्द्र … Read more

 356 total views

कांग्रेस नीतीश का पार्टी से गठबन्हन ना करी

बिहार कांग्रेस के अध्यक्ष अशोक चौधरी के कहना बा कि विश्वास मत पर नीतीश सरकार के साथ दिहला का बावजूद अगिला लोकसभा चुनाव ला कांग्रेस पार्टी जदयू से कवनो गठबन्हन ना करी. कहलन कि बिहार के जनता के हितलाभ खातिर नीतीश के समर्थन दिहल गइल.  266 total views

 266 total views

वाराणसी से मुख्तार आ बलिया से अफजाल

अगिला लोकसभा चुनाव २०१४ खातिर एकता मंच अपना चौदह गो उम्मीदवारन के नाम के एलान कर दिहलसि. एहमें मुख्तार अंसारी के नाम वाराणसी से त अफजाल अंसारी के नाम बलिया से दिहल गइल बा. बाकी उम्मीदवारन में अंबेडकरनगर से गोपाल निषाद, लालगंज से रामदहिन पासवान, आजमगढ़ से ओमप्रकाश चौहान, गाजीपुर से बाबू सिंह कुशवाहा, सलेमपुर … Read more

 236 total views

मोदी के सवाल हँसि के टार गइलें नीतीश कुमार

पटना में पत्रकारन से बतियावत नीतीश कुमार साफ कहलें कि अगिलो चुनाव जदयू आ भाजपा मिल के लड़ी. बाकिर जब भाजपा के हुंकार रैली में नरेन्द्र मोदी के बोलावे का बारे में सवाल पूछल गइल त नीतीश हँसि के टार दिहलें. कुछ कहले ना. ओह बेरा ओहिजा भाजपो के अनेके नेता मौजूद रहलें. कुछ दिन … Read more

 134 total views