वाराणसी
कोरोना महामारी का हाहाकार का बीच बेबस सरकार आखिरकार सीबीएसई के 10वीं के परीक्षा रद्द क के एगो नियत पैमाना का हिसाब से परिणाम तय कर दी. अगर कवनो विद्यार्थी एबसे सहमत ना होखी त ऊ बाद में होखे वाला परीक्षा देके आपन परिणाम सुधरवावे के मौका पा सकी. 12वीं का परीक्षा अबहीं टारल गइल
वरिष्ठ साहित्यकार नरेंद्र कोहली कोरोना छूताह भइला का बाद दिल्ली के सेंट स्टीफन अस्पताल में भर्ती करावल गइल बाड़ें. 81 बरीस के नरेन्द्र कोहली होल ही में भइल एगो संघ कार्यक्रम में शामिल भइल रहलें. ओही कार्यक्रम में संघचालक मोहन भागवतो कोरोना छूताह भइल रहलें. कोहली के हालत गंभीर बा आ उनुका के वोंटिलेटर पर
पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के चउथका डेग पाँच गो अनेरियन के जान ले के बीतल. कुछ दिन पहिले ममता बनर्जी अपना गोल के सहकवले रहली कि अगर सुरक्षा बलन का चलते कवनो दिक्कत होखत होखे त सुरक्षा बल के घेरा बान्ह द लोग. एही सहकावा में आ के कूचबिहार जिला के शीतलकुची के पागलपीर में
ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ द्वितीय के पति प्रिन्स फिलिप के मौत काल्हु 99 बरीस का उमिर में हो गइल. एलिजाबेथ से उनुकर बियाह 1947 में तब भइल रहुवे जब ऊ महारानी ना बनल रहली. ब्रिटेन का इतिहास में सबले अधिका समय ले कवनो महारानी के कन्सॉर्ट रहल प्रिंन्स फिलिप चार बरीस पहिले 2017 में सार्वजनिक
वाराणसी के काशी विश्वनाथ परिसर में बनल ज्ञानवापी मस्जिद के पुरातात्विक सर्वेक्षण करावे के आदेश सिविल जज (सीनियर डिवीजन फास्टट्रैक) आशुतोष तिवारी दे दिहलन. ई पुरातात्विक सर्वेक्षण करवावे के गोहार वादमित्र विजय शंकर रस्तोगी कऩले रहलें जवना के अदालत सकार लिहलसि. अब विश्वनाथ मंदिरो के मुगल अत्यातार से मुक्ति के राह मिले के उमेद हो
विधानसभा चुनाव में अपना गोल तृणमूल कांग्रेस के संभावित हार के अनेसा से परेशान पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अब मुसलमानन से एकजुट हो के उनुका गोल के वोट देबे के गोहोर लगवले बाड़ी. शा्डिल्य गोत्र के ब्राह्मण होखे के एलान उनुका अपने खिलाफ जात लउकत बा. जान गइल बाड़ी कि अबकी हिन्दू समाज
मशहूर अभिनेता रजनीकांत के साल 2019 के दादासाहेब फाल्के पुरस्कार से सम्मानित करे के एलान सूचना आ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावडेकर कइले. उनुका के ई पुरस्कार अगिला महीना के 3 तारीख के दीहल जाई. घोषणा करत जावडेकर कहलन कि पचास बरीस से रजीकांत फिल्मी दुनिया के बेताज बादशाह बाड़न. उनुकर काम सूरज जइसन दमकेला. अपना
वाराणसी जिला के मंडुवाडीह इलाका के नैपुरवां गाँव में एगो डेढ़ बरीस के लड़िका के मौत घर में राखल पानी के टब में गिरला का चलते हो गइल. चार गो बहिन का बाद ओकर जनम भइल रहुवे. रोहतास जिला के भानस पुलिस चौकी इलाका में कटियारा गाँव का लगे बियफे का दिन एगो संदिग्ध कार
करीब बीस बरीस पहिले सारण जिला के मशरक से विधायक अशोक सिंह के भइल हत्या के दोषी मानल गइल बाहुबली आ सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह अउर उनुका भाई दीनानाथ सिंह के हजारीबाग अदालत से सुनावल गइल उमिरकैद के सजा के राँची हाई कोर्ट बहाल रखलसि. ई लोग हाई कोर्ट से गोहार लगवले रहुवे कि एह
तजिया निकाले के इजाजत देबे से मना कर दिहलसि सुप्रीम कोर्ट. यूपी के शिया नेता सैयद कल्बे जव्वाद अदालत से गोहार लगवले रहलें कि मोहर्रम पर तजिया जुलूस निकाले के इजाजत दीहल जाव जइसे कि पुरी रथयात्रा के दीहल गइल रहुवे. अदालत कहलसि कि पुरी रथ यात्रा से तजिया के तुलना ना कइल जा सके.
आजु सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वाराणसी में दू गो नेशनल हाईवे आ बन्दरगाह के उद्घाटन करीहें. एह दुनु हाईवेज के लम्बाई 34 किलोमीटर बा आ एहनी पर 1572 करोड़ रुपिया का खरच भइल बा. बाबतपुर हवाई अड्डा के वाराणसी से जोड़त हाईवे जौनपुर, सुल्तानपुर होत लखनऊ ले जाई. हरहुआ में बनल फ्लाईओवर आ
बस्ती में सरयू नदी का बाढ़ से 50 गांव आफत में बस्ती, 18 अगस्त (वार्ता) उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला के हर्रैया तहसील के पचासो गो से अधिका गाँव सरयू नदी के बाढ़ से घेराइल बा. अधिकारियन के कहना बा कि आजु शनिचर का दिने नदी खतरा के निशान से 55 सेमी ऊपर बहत बिया.
जौनपुर , 04 अगस्त (वार्ता). उत्तर प्रदेश में जौनपुर जिला के मछलीशहर कोतवाली इलाका में काल्हु शुक के राति भइल एगो सड़क हादसा में तीन गो मेहरारुवन समेत पाँच जने के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइलें. पुलिस सूत्र जानकारी दिहलें कि वाराणसी जिला के रहे वाला 11 गो भक्त-भक्तिन बोलेरो से
गोरखपुर में दू दिन लागी रोजगार मेला गोरखपुर 01जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर विश्वविद्यालय में एगो बड़हन रोजगार मेला दू दिन ला लगावल जाए वाला बा. सहायक निदेशक सेवायोजन अखण्ड प्रताप सिंह बतवलन कि क्षेत्रीय सेवायोजन कार्यालय का तरफ से 9 आ 10 जून के दू दिन के रोजगार मेला दीक्षा भवन, विश्वविद्यालय परिसर
बस्ती में ट्रेन से कटाके दू आदमी के मौत बस्ती 29 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश में बस्ती के पैकोलिया इलाका में गौर टीसन का लगे बागडी गांव का सोझा रेल लाइन पार करत बलेसर गांव के रामजीत (30) आ 45 बरीस के एगो अनजान आदमी के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल. अनजान आदमी
मऊ में ट्रैक्टर ट्राली पलटला से मजदूर के मौत मऊ, 08 मई (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन इलाका में बालू लदले एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला से एगो मजदूर रामपुकार गोंड (35 बरीस) के मौत हो गइल. गोरखपुर में करंट लगला से दू जने के मौत गोरखपुर, 08 मई (वार्ता) गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में
वाराणसी, 14 अप्रैल (वार्ता). वाराणसी के दशाश्वमेध इलाका के गोदौलिया में आजु एगो होटल में आग लगला से अफरातफरी मच गइल. सूचना मिलते दमकलकर्मी मौका पर चहुंप गइलें आ पुलिस अउर स्थानीय लोगन के मदद से होटल में ठहरल सगरी लोग के समय रहते सुरक्षित बाहर निकाल लिहलें. पुलिस सूत्र बतवलें कि घटना का समय
बलिया 13 अप्रैल (वार्ता). बलिया के हल्दी इलाका में आजु क्रेन आ ट्रक के टक्कर में क्रेन के खलासी के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें. पुलिस सूत्र बतवलें कि बलिया ओर जात एगो क्रेन पचरुखिया ढाला का लगे बैरिया से आवत ट्रक से टकरा गइल. एह टक्कर का चलते क्रेन के
वाराणसी, 13 अप्रैल (वार्ता). ऑस्ट्रेलिया के गोल्ड कोस्ट में भइल 21वां राष्ट्रमंडल खेल में भारत के स्वर्ण पदक दिअवला का बाद आजु अपना पैतृक शहर वाराणसी लवटल पूनम यादव के जोरदार स्वागत कइल गइल. बाबतपुर के लाल बहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पहुंचना से पहिलहीं उनुका अगवानी में ढेरे नात-रिश्तेदार आ सैकड़न खेल प्रेमी पहुंच
वाराणसी, 12 अप्रैल (वार्ता). वाराणसी के बाबतपुर का लाल बहादुर शास्त्री अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पर आजु दू गो आभूषण व्यवसायियन का लगे से करीब आठ किलो सोना के गहना बरामद भइल. पुलिस सूत्र बतवलें कि आयकर विभाग के अधिकारी सूचना पा के हवाई अड्डा पर संदिग्ध यात्रियन – संदीप पारिख आ नवीन पारिख – के
Older Posts››