Go to ...
RSS Feed

विधान परिषद

विधान परिषद चुनाव खातिर भाजपा उमीदवारन के नाम घोषित

नयी दिल्ली, 15 अप्रैल (वार्ता). भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) उत्तर प्रदेश अउर बिहार के विधान परिषद चुनाव खातिर अपना उमीदवारन के नाम आजु घोषित क दिहलसि. भाजपा का ओर से जारी विज्ञप्ति में एह उमीदवारन में बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, आ मंत्री मंगल पांडेय अउर उत्तर प्रदेश सरकार में मंत्री महेंद्र सिंह आ

विधानो परिषद में पारित हो गइल यूपीकोका

लखनऊ, 28 मार्च (वार्ता). संगठित अपराध पर नकेल कसे खातिर बनावल कानून ले आवे वाला उत्तर प्रदेश संगठित अपराध निरोधक विधेयक (यूपीकोका) आजु विधानो परिषद में पारित हो गइल. दूनू सदन से पारित हो गइल एह विधेयक के अब राज्यपाल रामनाईक के लगे मंजूरी ला भेजल जाई. परिषद में एकरा अलावा आजु वित्तीय वर्ष 2018-19

टटका खबर, 15 मार्च 2017, बुध

बसपा अपना सीनियर नेता लालजी वर्मा के विधानसभा में अपना गोल के नयका नेता बहात क दिहलसि. ओने सपा में अबहीं ले नेता नइखन चुनाइल. हद त ई बा कि गोवा आ मणिपुर में दुसरका जगहा आइल भाजपा आनन फानन में आपन नेतो चुन लिहलसि आ सरकारो बना लिहलसि जबकि शानदार बहुमत मिलल यूपी आ

कोई लाख करे चतुराई, करम के लेख मिटे ना रे भाई

काल्हु भइल यूपी विधान परिषद का चुनाव में बेंग एने से ओने कुदलें स जरुर बाकिर आखिर में उहे भइल जवन होखे के रहे. भाजपा दोसरा दल के विधायकन के तूड़े में सफल त जरुरे रहल बाकिर ओकरो कुछ विधायक पलटी मार दिहलें. परिणाम इहे रहल कि ओकरा 8 गो वोट के फायदा होखला का

बिहार से राज्यसभा आ विधान परिषद ला निर्विरोध चुनाव

काल्हु नाम वापिस लिहला के आखिरी दिन पार भइला का बाद राज्यसभा के पाँचो सीट पर बिना लड़ले जीत गइले सगरी उमीदवार. ई लोग ह राजद से वरिष्ठ अधिवक्ता राम जेठमलानी आ लालू प्रसाद के बेटी मीसा भारती, जदयू से शरद यादव आ आर.सी.पी. सिंह, अउर भाजपा से गोपाल नारायण सिंह. बिहार विधान परिषदो के

यूपी से राज्यसभा सीट के चुनाव करावहीं के पड़ी

उत्तर प्रदेश से राज्यसभा के 11सीट के चुनाव में 12 जने के परचा सही मिलला आ कवनो नाम वापिस ना भइला से तय हो गइल कि अब वोटिंग करावहीं के पड़ी. कांग्रेस का टिकट पर उमीदवार बनल कपिल सिब्बल का सोझा विकट समस्या आ गइल बा काहे कि जितावा जोग वोट कांग्रेस का लगे नइखे

बलिया न्यूज, 29 मई 2016

ट्रैफिक रुल मानत एगो ट्रक काल्हु बलिया में कटहर नाला पर बनल पुरनका पुल पर चढ़ गइल आ बरीसन से आवाजाही बन्द वाला पुल ट्रक समेत भहरा गइल. जर्जर रहला का बावजूद नेशनल हाईवे अथारिटी पुल पर कवनो चेतावनी बोर्ड नइखे लगवले. एही कारण अनजान ट्रक ड्राइवर बाँए तरफ चलत एह पुल पर चढ़ आइल.

बलिया न्यूज, 9 मार्च 16

यूपी विधान परिषद के नयका चुनाइल सदस्यन के किरिया धरावल गइल आजु यूपी विधान परिषद के 35 गो नयका चुनाइल सदस्यन के सदस्यता के किरिया धरावल गइल. किरिया धरावे के काम कार्यवाहक सभापति ओम प्रकाश शर्मा कइलन. बाद में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, सभापति ओम प्रकाश शर्मा आ विपक्ष के नेता नसीमुद्दीन सिद्दीकी सभका के बधाई

यूपी विधान परिषद चुनाव ला परचा दाखिला जारी

यूपी विधान परिषद के निकाय खण्ड से चुनाए वाला 36 गो सीट से चुनाए बदे परचा दाखिला क काम आजुओ जारी रहल. 15 फरवरी ले ई काम हो सकी आ दाखिल परचन के जाँचे के काम 16 फरवरी का के कइल जाई. 18 फरवरी ले नाम वापिस लीहल जा सकी. 3 मार्च के वोटिंग होखी

नरेंद्र सिंह आ सम्राट चौधरी के विधान पार्षदी खतम

बिहार में पहिले मंत्री रहल नरेंद्र सिंह आ सम्राट चौधरी के विधान परिषद के सदस्यता बुध का दिने खतम करे के फैसला परिषद के सभापति अवधेश नारायण सिंह सुना दिहलन. एह से पहिले मंत्री रह चुकल महाचंद्रो प्रसाद सिंह के सदस्यता अइसहीं खतम क दीहल गइल रहुवे. एगो दोसरो मंत्री रहल मंजर आलम अपनहीं इस्तीफा

बिहार विधानमंडल के शीतकालीन सत्र खतम भइल

पटना, 13 दिसम्बर (वार्ता) बिहार विधानसभा आ विधान परिषद के शीतकालीन सत्र आजु अनिश्चितकाल खातिर रोक दीहल गइल. छह दिसम्बर से शुरू भइल एह शीतकालीन सत्र मे कुल छह गो बइठक भइळली सँ आ राज्य मे आतंकवाद, साम्प्रदायिकता आ नक्सलवाद से उपजल हालात आ राज्य में मुसलमानन के हैसियत में आवत गिरावट प चिंता जतावल