Go to ...
RSS Feed

विधायक

भाजपा विधायक आरोप लगवलन कि योगी उनुकर बाति नइखन सुनत

देवरिया,13 अप्रैल (वार्ता). देवरिया के बरहज विधानसभा क्षेत्र से भाजपा विधायक सुरेश तिवारी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पर आरोप बा कि ऊ कवनो विधायक के बाति नइखन सुनत. सुरेश तिवारी शुक का दिने अपना गांव रनियहंवा में मीडिया कर्मियन से बातचीत का दौरान ई आरोप लगवलन. कहलन कि जबे कबो कवनो भठियारा अधिकारी के शाकायत

उन्नाव बलात्कार काण्ड में भाजपा विधायक का खिलाफ मुकदमा दर्ज

लखनऊ 12 अप्रैल (वार्ता). मीडिया के हो हल्ला का बाद उत्तर प्रदेश के बहुचर्चित उन्नाव बलात्कार काण्ड में हर गोल में शामिल रहि चुकल बाकिर एह घरी सत्तारुढ़ भारतीय जनता पार्टी के विधायक कुलदीप सिंह सेंगर का खिलाफ मुकदमा दर्ज क लीहल गइल बा आ एह मामिला के जाँच सीबीआई के सउँपे के फैसला कइल

कानून आन्हर होला आ ओकरा के जवन सुनावल जाला उहे सुनेला

आआपा के 20 गो विधायकन के हाईकोर्ट से राहत मिलल नयी दिल्ली, 23 मार्च. ‘लाभ के पद’ मामिला में विधायकी से अयोग्य ठहरावल गइल आआपा के 20 गो विधायकन के अयोग्य ठहरावे वाला चुनाव आयोग के फैसला के निरस्त करत दिल्ली उच्च न्यायालय आयोग से एह मामिला में फेरु से सुनवाई करे के कहलसि. एह

टटका खबर, 24 अप्रैल 2017, सोमार

सुप्रीम कोर्ट का आदेश बा कि यूपी मे हर साल 33 हजार पुलिसवालन के बहाली क के चार साल में सगरी खाली जगहाभर दीहल जाव, राज्यपाल राम नाईक के आदेश से इलाहाबाद विश्वविद्यालय के भौतिक विज्ञान विभाग के प्रो0 राजा राम यादव के वीर बहादुर सिंह पूर्वाचंल विश्वविद्यालय जौनपुर के कुलपति नियुक्त कइल गइल बा.

बड़का बेटा सीएम, बड़की पतोह सांसद त अब छोटकी पतोह के विधायक बनइहें मुलायम सिंह

साइकिल से चले वाला मास्टर से जिनिगी शुरु करे वाला सपा मुखिया के बढ़िया से मालूम बा कि राजनीति के धंधा में कतना फायदा बा. लोहिया के चेला होखे के दावा करे वाला मुलायम सिंह अपना समाजवादी पार्टी के अपना परिवार के प्राइवेट लिमिटेड कंपनी बना लिहले बाड़न. करीब करीब पूरा परिवारे राजनीति के धंधा

पूर्वांचल से अपराध आ हादसा के खबर

बलिया नगर से विधायक आ सपा सरकार में मंत्री रहल नारद राय का खिलाफ फर्जीवाड़ा करे का आरोप में आखिरकार केस लिखे के पड़ गइल बलिया पुलिस के. नारद राय पर आरोप बा कि उ अपना चुनाव के परचा में गलत जानकारी दिहले बाड़न. साल भर पहिले पूणे में एगो नाबालिग से कुकर्म के अछरंगी

बिल्थरा रोड विधायक गोरख पासवान घवाहिल

बलिया जिला के बिल्थरा रोड के विधायक गोरख पासवान, उनकर गनर आ दू जने अउर लखनऊ से बलिया आवत घरी बाराबंकी का लगे सड़क हादसा में घवाहिल हो गइल लोग. लखनऊ से कार से बलिया खातिर चलल गोरख पासवान के गाड़ी बाराबंकी का लगे एगो मोटर साइकिल वाला के बचावे का फेर में सड़क किनारे

जमानत मिलला का बाद भाजपा विधायक संगीत सोम जेल से रिहा भइले

मुजफफंरनगर 11 नवम्बर (वार्ता) सहारनपुर जिला के देवबंद मे भडकाऊ भाषण देबे का आरोप मे मुजफ्फंरनगर जेल में बंद भाजपा विधायक संगीत सोम के अदालत से जमानत मिलला का बाद आजु रिहा क दीहल गइल. जान जाईं कि मेरठ जिला के सरधना विधानसभा सीट से भाजपा विधायक संगीत सोम का खिलाफं देवबंद पुलिस 17 जुलाई

बिहार सरकार के मौजुदा मंत्री नरेन्द्र मोदी के राय सही बतवले

बिहार के विज्ञान एवं प्राद्योगिकी मंत्री गौतम सिंह रेवाड़ी में सीमा, सैनिक, आ देश के नेतृत्व का बारे में दिहल नरेन्द्र मोदी के भाषण के सही बतवले बाड़न, .यूनीवार्ता. से गौतम सिह कहलन कि अतवार का दिने रेवाड़ी में नरेन्द्र मोदी जवन कुछ कहलन सभ सही बा. कहलन कि कमजोर नेतृत्व, कठपुतली सरकार, आ इच्छा

हत्या आ लूट के मामिला मे जदयू विधायक नीरज कुमार सिंह जेल भेजइले

कटिहार के एगो अदालत छातापुर से जदयू विधायक नीरज कुमार सिंह उर्फ बब्बलू के लूट आ हत्या के एगो मामिला मे जेल भेज दिहलसि. ७नुका पर अछरंग लगावल गइल बा कि साल 2000 मे ऊ कटिहार में स्टेट बैक के बरेटा शाखा मे रुपिया जमा करे जात एगो आदमी का गाड़ी पर हमला कर के

कोतवाल के गिरफ्तारी के बात गलत बतवले आईजी मीणा

पहिले बतावल गइल रहे कि विधायक रह चुकल आ बसपा नेता सीपू सिंह के हत्या का मामिला में कोतवाल के निलंबित कर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. बाकिर जोनल आईजी जी एल मीणा कहलन कि कोतवाल के पूछताछ खातिर हिरासत में लिहल गइल रहे बाकिर गिरफ्तार नइखे कइल गइल. अब हिरासत में लिहला आ

आजमगढ़ से बसपा विधायक रह चुकल सिपू सिंह के हत्या

आजु शुक का दिने कुछ अपराधी आजमगढ़ से बसपा विधायक रहल सर्वेश सिंह उर्फ सिपू सिंह के गोली मार दिहलें. एह गोलीबारी में सिपू सिंह के गनरो के गोली लागल बा. पैंतीस साल के सिपू सिंह के ठाँवे पर मौत हो गइल. बतावल जात बा कि आजु सबेरे करीब दस बजे जब सिपू सिंह आपना

फेफना इलाका के सड़क दुरुस्त करावे ला विधायक निधि देबे ला तइयार

अपना विधानसभा इलाका के सड़कन के हालत जर्जर देख जब भाजपा विधायक उपेन्द्र तिवारी लोकनिर्माण विभाग के अधिशासी अभियन्ता से बतियवले त बतावल गइल कि निधि का अभाव में काम नइखे करावल जा पावत. एह बात पर विधायक उपेन्द्र तिवारी तब मुख्य विकास अधिकारी के पत्र लिख के दिहलें कि उनुका विधायक निधि से रुपिया

बलिया में ट्रामा सेंटर ले के जिलाधिकारी विधायक में बतकही

बलिया के नगर विधायक आ सपा नेता नारद राय के ई बाति बहुते नागवार गुजरल बा कि जिलाधिकारी उनका बारे में ई कइसे कह दिहलन कि विधायक के जिलाधिकारी से बतियावल चाहत रहे आ खुद जा के अस्पताल में चलत निर्माण कार्य रोकवावे के कवनो जरूरत ना रहल. विधायक के कहना बा कि जिलाधिकारी के

विधायक अंबिका यादव के भतीजा के गोली लागल

कैमूर जिला के छतरपुरा गांव में आजु राजद विधायक अम्बिका यादव के भतीजा विनोद यादव के दिनदहाड़े गोली मार के घाहिल कर दिहल गइल. बतावल जात बा कि बदमाश उनुका के लूटल चाहत रहलें बाकिर गोली लगला का बावजूद विनोद यादव आपन मोटर साइकिल चलावत भाग गइलन. खून गिरला का चलते तिरोजपुर गाँव का लगे

जौनपुर नगर के पूर्व विधायक के निधन

साल १९९१ में जनता दल के टिकट पर जौनपुर नगर के विधायक रह चुकल लालचंद मौर्य के निधन पैंसठ साल का उमिर में जौनपुर जिला अस्पताल में मंगल का दिने हो गइल. उनकर अंतिम संस्कार बुध का भोर में गोमती नदी के रामघाट पर नागरिक सम्मान का साथे कर दिहल जइल.