web analytics

टटका खबर, 31 जनवरी 2017, मंगल

यूपी में चाचा भतीजा के रार अबहीं ले थमल नइखे आ चुनाव बाद एकरा एक बेर फेरु फफके के अनेसा बन गइल बा. आजु जसवंतनगर विधानसभा सीट से सपा प्रत्याशी के रूप में आपन नामांकन दाखिल कइला का बाद ओहिजा बोलावल सभा में शिवपाल ऐलान कइलन कि 11 मार्च का बाद ऊ नेता जी संगे … Read more

 94 total views

बिहार के शराबबन्दी कानून के रद कइलसि हाई कोर्ट

पटना हाई कोर्ट आजु बिहार में पिछला 5 अप्रेल से लागू शराबबन्दी कानून के रद क के कानून में जनता के भरोसा जगा दिहलसि. सत्ता का नशा में चूर हो के बनावल नीतीश कुमार के एह कानून से बिहार में आम आदमी के चैन छीना गइल रहुवे. खेत खाए गदहा मार खाए जोलहा वाला कहावत … Read more

 84 total views

शराब बेचे वाला दूध बेचे ला तइयार नइखन

बिहार में 1 अप्रेल से शराबबन्दी लागू होखे जात बा. एह चलते शराब बेचेवाला करीब 2000 दूकान बंद हो जइहें सँ. सरकार के कहना रहे कि हर दुकानदार के सुधा कंपनी के मिल्क पार्लर खोले के दे दीहल जाई. बाकिर एहला शराब दुकानदार राजी नइखन होखत आ महज 306 लोग तइयार भइल बा दूध के … Read more

 324 total views

देशी प रोक विदेशी के छूट

बिहार के नीतीश सरकार शराबबन्दी मामिला पर जोरदार पल्टी मरले बिया। पहिले कहलसि कि अगिला वित्त बरीस से बिहार में पूरा नशाबन्दी लागू हो जाई. बाकिर अब कहत बिया कि शराबबन्दी थोड़ थोड़ क के कइल जाई. सबले पहिले देशी शराब बन्द होखी. विदेशी शराब राज्य के गांव देहात में ना मिली बाकिर शहरन में … Read more

 292 total views