Go to ...
RSS Feed

शिक्षक बहाली

बिहार में तीस हजार शिक्षकन के बहाली

बिहार सरकार के शिक्षा विभाग राज्य के माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक हाई स्कूलन में बहाल करे खातिर तीस हजार शिक्षकन के बहाली कार्यक्रम जारी कइले बावे. सोलह दिसम्बर से बीस जनवरी का बीच लोग के नियुक्ति पत्र मिल जाए के बात कहल जात बा. पुस्तकालयध्यक्षन के बहाली 21 जनवरी ले क लीहल जाई.

सांसद प्रभुनाथ मंत्री शाही के विरोध कइलन

बिहार सरकार के शिक्षा मंत्री प्रशांत कुमार शाही के बयान आइल बा कि खाली शिड्यूले कास्ट के अभ्यर्थियन के अनट्रेंडो रहला पर शिक्षक बहाल कइल जाई. सांसद प्रभुनाथ सिहं एकर विरोध करत कहले बाड़न कि एह तरह के पक्षपात ना होखे के चाही आ सगरी अनट्रेंड उम्मीदवारन के शिक्षक बने के मौका मिले के चाहीं

बीएड पासो लोग शिक्षक बहाल हो पाई

पटना हाई कोर्ट के आदेश का बाद 29 सितंबर 2012 से पहिले बीएड पास कर चुकल अभ्यर्थी माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक शिक्षक पद पर बहाली के पात्र मानल जइहें. बहाली के विज्ञापन 29 सितंबर 2012 के निकलल रहुवे बाकिर बाद में 18 अप्रैल के बहाली के मानदंड बदल दिहल गइल आ खाली ट्रेडे लोग के

सारण जिला में बारह सौ प्लस टू शिक्षकन के बहाली होखी

सारण जिला में 1233 गो प्लस टू शिक्षकन के बहाली होखी. शिक्षा विभाग का तरफ से प्लस टू शिक्षक बहाली के जिलावार रिक्ति जारी कर दिहल गइल बा. 11 जून से 10 जुलाई का बीच अभ्यर्थियन के आवदेन नियोजन इकाई में जमा लिहल जाई आ मेधा सूची जारी भइला का बाद चुनाइल शिक्षकन के 30

प्लस टू शिक्षकन के बहाली आदेश 30 अगस्त के जारी होखी

बिहार में प्लस टू शिक्षक लोग के बहाल करे ला 11 जून से 10 जुलाई का बीच अभ्यर्थियन से आवेदन लिहल जाई. आ ओकरा बाद दस जुलाई से तीस अगस्त का बीच बहाली के सगरी प्रक्रिया पूरा कर लिहल जाई. अभ्यर्थियन के मेरिट लिस्ट अनुमोदित हो गइला का बाद चुनाइल अभ्यर्थियन के बहाली के चिट्ठी

माध्यमिक शिक्षक बहाली सितंबर से

बिहार में माध्यमिक शिक्षकन के बहाली खातिर दरखास्त सोलह अगस्त से पंद्रह सितम्बर का बीच जमा करावल जाई. एह बहाली के अधिसूचना जारी कर दिहल गइल बा. दरखास्त जमा भइला का बाद सोलह से उनतीस सितंबर का बीच मेधा सूची बना लिहल जाई जवना के प्रकाशन आठ सितम्बर के होखी आ नौ अक्टूबर से तीस

यूपी में टीईटी में बदलाव

सोमार का दिने कैबिनेट तय कइलसि कि राज्य में अध्यापक पात्रता परीक्षा २०११ के अर्हता परीक्षा बना दिहल जाई. एहसे एह परीक्षा में अर्ह, चुने लायक, अभ्यर्थियन के शिक्षक पद पर बहाल कइल जा सकी. साथही फैसला लिहल गइल बा कि जे लोग उच्च प्राथमिक अध्यापक पात्रता परीक्षा पास कर लिहले बा ओह लोग के

शिक्षक बहाली खातिर आवेदन करे के तारीख बढ़ा दिहल गइल

बिहार में प्राथमिक आ मध्य विद्यालयन के शिक्षक पद पर बहाली खातिर आवेदन करे के अंतिम तारीख तीस अगस्त रहुवे जवना के जिला शिक्षा पदाधिकारियन का कहला पर पंद्रह दिन बढ़ा देबे के फैसला ले लिहल गइल बा बाकिर अबहीं एकर विधिवत एलान नइखे भइल.

खाली शिक्षकन के पद जल्दिए भरल जाई कहलन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव

बुध का दिने विधानसभा में एगो सवाल का लिखित जबाब में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि राज्य में खाली पड़ल प्रवक्ता आ प्रशिक्षित स्नातक शिक्षकन के खाली पड़ल पद जल्दिए भरल जाई. कहलन कि १४७९ स्नातक शिक्षक आ ३९३ प्रवक्ता पद के रिक्ति विज्ञापित कइल जा चुकल बा आ ८२ गो प्रवक्ता आ ४२१ गो