web analytics

टटका खबर, मंगल, वैशाख अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

काल्हु के दिल कोलकाता तृणमूल कांग्रेस के लंगटई देखलसि जब सीबीआई ममता सरकार के दू गो मंत्रियन – फरहाद हकीम आ सुब्रत बनर्जी – का साथही कोलकाता के मेयर रहल सोवन चटर्जी आ विधायक मदन मित्रा के नारदा मामिला में गिरफ्तार क लिहलसि. गिरफ्तारी के खबर सुनते टृणमूलिया निजाम पैलेस में सीबीआई मुख्यालय पर धावा … Read more

 22 total views,  1 views today

बुरहान ब्रिगेड के पांच गो आतंकियन के मार गिरावल गइल

श्रीनगर, 06 मई (वार्ता). जम्मू-कश्मीर के शोपियां जिला में आजु घेराबंदी आ तलाशी अभियान का दौरान आंतकवादियल आ सुरक्षा बल का बीच शुरू भइल मुठभेड़ में हिज्बुल मुजाहिद्दीन के माथ कमांडर समेत सगरी पांच गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल. एह मुठभेड़ में सुरक्षा बल के दू गो जवानो घवाहिल हो गइल बाड़ें. जम्मू कश्मीर … Read more

 27 total views

ओहार में आइल जवान नहात घरी डूब गइल

बलिया जिला के बैरिया में श्रीनगर गंगाघाट पर मुंडन संस्कार में आइल सोनबरसा के आलोक गोंड नहात घरी डूब गइल. बहुत मुश्किल से ओकरा के निकालल गइल बाकिर बलिया जिला अस्पताल ले जाए का रास्ता में ओकर मौत हो गइल. आलोक गोंड बीएसएफ में जवान रहल आ अपना रिश्तेदारी में ओहार में शामिल होखे आइल … Read more

 53 total views